web analytics

टटका टटका, अतवार, 13 सितम्बर 2020

प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी आजु बिहार में पेट्रोलियम क्षेत्र के तीन गो परियोजना राष्ट्र के समर्पित कइलें. एहमें पारादीप-हल्दिया-दुर्गापुर पाइपलाइन के विस्‍तार करत दुर्गापुर-बांका खंड अउर पूर्वी चंपारण आ बांका में रसोई गैस सिलेंडर भरे वाला दू गो एलपीजी संयत्र शामिल बाड़ी स. नौ सौ करोड़ रूपिया के एह योजनन से ढेरे लोगन के रोजगार मिली … Read more

Loading

संसद में राष्ट्रपति के अभिभाषण

आजु संसद के दुनु सदनन के संयुक्त बइठक के संबोधित करत राष्ट्रपति रामनाथ कोविन्द जी कहनी कि मुसलमान औरतन पर होखत अत्याचार रोके खातिर बनावल तीन तलाक विधेयक के सगरी गोल समर्थल करसु. साथ ही देश में सगरी चुनाव एके साथ करावहूं पर आपसी सहमति बनावे के चाहीं. अलग अलग चुनाव होखला का चलते देश … Read more

Loading

टटका खबर : मंगल, 4 अगस्त 2015

पोर्न के शौकीनन आ कांग्रेस के चालबाजी का सोझा दण्डवत क दिहलसि केन्द्र सरकार. एक त केन्द्रीय वित्त मंत्री अरुण जेटली से मोदी भक्त अतना खफा बाड़न कि जेटली के बढ़ा के जय इटली कर दिहलन. दोसरे भूमि अधिग्रहण बिल पर राबर्ट वाड्रा के सास सोनिया के पार्टी के जिद्द का आगे भाजपा हार मान … Read more

Loading

नौ फरवरी के दिल्ली मे भाजपा बोलवलसि खेल संसद

लखनऊ 05 जनवरी (वार्ता) भाजपा.के खेल प्रकोष्ठ अगिला नौ फरवरी के दिल्ली के रामलीला मैदान में खेल संसद बोलवले बिया जवना में देश भर से आइल एक लाख से अधिका खिलाडी शामिल होखीहें. एह बारे में आजु एहिजा भाजपा कार्यालय मे खेलकूद प्रकोष्ठ के प्रदेश पदाधिकारियन के बइठक भाजपा के खेलकूद प्रकोष्ठ के सहसंयोजक सुनील … Read more

Loading

जस्टिस गांगुली के बर्खास्त करे के माग भइल संसद में

नयी दिल्ली, 13 दिसम्बर (वार्ता) अपना महिला इन्टर्न वकील संगे गलत यौन.व्यवहार के आरोपी आ उच्चतम न्यायालय के न्यायाधीश रहल ए. के. गांगुली के पश्चिम बंगाल मानवाधिकार आयोग का अध्यक्ष पद से हटावे के माँग आजु लोकसभा में उठावल गइल. शुरुआत कइली नेता विपक्ष सुषमा स्वराज आ उनकर समर्थन कइले तृणमूल कांग्रेस के सुदीप बंद्योपाध्याय. … Read more

Loading

माकपा 12 दिसंबर के संसद घेरी

जींद.09 नवम्बर (वार्ता) माकपा सांसद आ सीटू के राष्ट्रीय महासचिव तपन सेन कहले बाड़न कि मजदूरन के हक आ मांग लेके अगिला 12 दिसंबर के संसद के घेराव होखी. कहलन कि जब जनता सरकार के पूंजीवादी सोच का खिलाफ आवाज उठावेले त ओह लोग के जेल में डाले देले सरकार. कांग्रेस आ भाजपा दुनु गोल … Read more

Loading

मानसून सत्र का पहिलके दिने भोजपुरी के चरचा

आजु संसद में सांसदी के किरिया लेबे खातिर खड़ा भइल बिहार के महाराजगंज से जीतल राजद सांसद प्रभुनाथ सिंह भोजपुरी के सवाल उठा दिहलन. किरिया खाए खातिर मिलल पत्रक देखावत प्रभुनाथ सिंह स्पीकर मीरा कुमार से कहलन कि हम त भोजपुरी में मँगले रहीं बाकिर हमरा हिंदी वाला शपथपत्र मिलल बा. फेर कहलन कि रउरो … Read more

Loading

तलाशी से छूट ना मिलला का चलते संसदीय दल के यूक्रेन दौरा रद्द

कीव में होखे वाला बइठक लोकसभा स्पीकर मीरा कुमार रद्द कर दिहली काहें कि यूक्रेन उनुका के आ दल के बाकी छह सदस्यन के सुरक्षा जाँच से छूट दिहल ना सकरलसि. संसद के ई प्रतिनिधि मंडल २० मई से २७ मई ले यूक्रेन का दौरा पर जाए वाला रहल बाकिर बेलारूसे से वापिस लवटि आइल … Read more

Loading

बजट सत्र में राष्ट्रपति के अभिभाषण

आजु बियफे का दिने अभिभाषण पढ़त संसद के संयुक्त सत्र के उद्घाटन कइलें राष्ट्रपति प्रणब मुखर्जी. कहलन कि नकद सब्सिडी से करोड़ों लोग के फायदा होखी. बतवलन कि पिछला साल मुश्किल भरल रहल आ देश क सोझा मंदी आ बेरोजगारी बड़हन समस्या बाड़ी सं. महँगाई अबहियों चिन्ता के कारण बनल बा. बाकिर सरकार एह दिसाईं … Read more

Loading

सठिया गइल संसद

भारत के संसद आजु साठ साल के हो गइल आ एह मौका पर संसद के एगो खास बइठको भइल जवना में सगरी लोग खुशी जतावल कि भारत के लघु रूप भारत के संसद के आजु साठ साल पूरा हो गइल त कुछ लोग अफसोसो जतावल कि संसद सठिया गइल बिया. एहिजा सांसद वइसन आचरण नइखन … Read more

Loading