Go to ...
RSS Feed

सपा

उत्तरप्रदेश से लोकसभा चुनाव 2019 के आधिकारिक परिणाम

इन्द्रजीत सरोज (सपा) 38722 विनोद कुमार सोनकर (भाजपा) खेरी 28 अजय कुमार (भाजपा) डॉ पूर्वी वर्मा (सपा) 218807 अजय कुमार (भाजपा) कुशी नगर 65 विजय कुमार दूबे (भाजपा) नथुनी प्रसाद कुशवाहा (सपा) 337560 राजेश पाण्डेय उर्फ गुड्डू (भाजपा) लालगंज 68 संगीता आजाद (बसपा) नीलम सोनकर (भाजपा) 161597 नीलम सोनकर (भाजपा) लखनऊ 35 राजनाथ सिंह (भाजपा)

अखिलेश के बोलावल बइठक में ना अइलें शिवपाल

लखनऊ 21 मार्च (वार्ता). राज्यसभा चुनाव लेके बोलावल सपा गोल के विधायकन का बइठक में आजु नितिन अग्रवाल आ शिवपाल सिंह यादव के गैरमौजूदगी चर्चा के विषय बन गइल. सपा अध्यक्ष अखिलेश यादव राज्यसभा खातिर 23 मार्च के होखे जा रहल चुनाव लेके सपा मुख्यालय में पार्टी विधायकन के ई बइठक बोलवले रहलें. एह बइठक

बसपा उमीदवार के राज्यसभा चहुंपावे ला सपा गोल जबरदस्त दबाव में

लखनऊ, 15 मार्च (वार्ता). बहुजन समाज पार्टी से मिलल समर्थन का बूता पर लोकसभा उपचुनाव में विजय पताका लहरावे वाली समाजवादी गोल के अब उपहार का तौर पर राज्यसभा में बसपा प्रत्याशी भीमराव अंबेडकर के भेजै ला जबरदस्त दबाव बा. यूपी से राज्यसभा के दस सीट पर एगारह उमीदवार हो गइला का चलते भोयिंग जरुरी

भोजपुरी पट्टी से, 13 मार्च 2018, मंगल

आनन्द अग्रवाल अपना समर्थकन संग सपा से किनारा कइलन लखनऊ 13 मार्च(वार्ता). समाजवादी गोल के व्यापार सभा के अध्यक्ष आनन्द अग्रवाल समेत कई नेता आजु अपना पद से इस्तीफा दे दिहलें. एह लोग के कहना बा कि सपा व्यापारी वर्ग आ वैश्य समाज के अनदेखी करत बिया. एह लोग के इहो शिकायत बा कि बसपा

सपा के कचरा भाजपा का घर में

नयी दिल्ली 12 मार्च. सपा गोल के नेता रहल नरेश अग्रवाल आजु भाजपा में शामिल हो गइलन. नरेश अग्रवाल भाजपा मुख्यालय में आ के पार्टी के सीनियर नेता आ रेल मंत्री पीयूष गोयल का मौजूदगी में गोल के सदस्य बनलन. एह मौका पर उनुकर कहना रहल कि बिना कवनो राष्ट्रीय पार्टी में रहले सही तरीका

भीमराव अम्बेडकर राज्यसभा ला परचा दाखिस कइलन

लखनऊ 07 मार्च (वार्ता). उत्तर प्रदेश से राज्यसभा खातिर बसपा के उम्मीदवार भीमराव अम्बेडकर आजु आपन परचा दाखिल क दीहलन. राज्यसभा चुनाव ला यूपी से पहिलका परचा दाखिल करे वाला भीमराव अम्बेडकर आजु चुनाव अधिकारी आ विधानसभा के प्रमुख सचिवो प्रदीप दुबे का सोछा आपन परचा पेश कइलन. एह मौका पर उनुका साथे पार्टी के

टटका खबर, 4 मार्च 2018, अतवार

राज्यसभा चुनाव में जेटली के मैदान में उतार सकेले भाजपा लखनऊ 04 मार्च (वार्ता) संख्या बल का लिहाज से भारतीय जनता पार्टी खातिर बहुते खास होखे जा रहल राज्यसभा चुनाव में केन्द्रीय मंत्री अरूण जेटली के अलावा राज्य के कुछ अउरियो कद्दावर नेतन का नाम पर सोच विचार हो रहल बा. यूपी से राज्यसभा के

कह रहीम कइसे निभी, केर-बेर के संग

लखनऊ 04 मार्च (वार्ता) “कह रहीम कइसे निभी, केर-बेर के संग.” ई कहना बा यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के. उनुका से पुछाइल रहे कि यूपी में समाजवादी पार्टी (सपा) आ बहुजन समाज पार्टी (बसपा) के बढ़त नजदीकियन के ऊ कवना तरह देखत बाड़न. सुने में आवत बा कि बसपा गोरखपुर आ फूलपुर लोकसभा सीट

टटका खबर, 26 मार्च 2017, अतवार

विधानसभा चुनाव में बड़हन हार का बाद अब बाप बेटा फेरु आमने सामने आ गइल लउकत बाड़ें. सपा गोल के मौजूदा अध्यक्ष आ यूपी के मुख्यमंत्री रहल अखिलेश यादव 28 तारीख का सबेरे सपा विधानमंडल गोल के बइठक बोतवले बाड़न त मुलायम सिंह 29 मार्च के साँझ बेरा नवका चुनाइल विधायकन के बइठक बोलवले बाड़न.

टटका खबर, 15 मार्च 2017, बुध

बसपा अपना सीनियर नेता लालजी वर्मा के विधानसभा में अपना गोल के नयका नेता बहात क दिहलसि. ओने सपा में अबहीं ले नेता नइखन चुनाइल. हद त ई बा कि गोवा आ मणिपुर में दुसरका जगहा आइल भाजपा आनन फानन में आपन नेतो चुन लिहलसि आ सरकारो बना लिहलसि जबकि शानदार बहुमत मिलल यूपी आ

टटका खबर, 18 जनवरी 2017

(साँझ 5 बजे ले) यूपी चुनाव ला तीन गो वंशवादी गोल – सपा, कांग्रेस, आ रालोद – के गठबन्हन बने के भरपूर उमेद लागत बा. बाप से बगावत क के सपा गोल के सुप्रीमो बन चुकल अखिलेश एह गठबन्हन के रूप रेखा तय करीहें. बतावल जात बा कि कांग्रेस के 90 गो सीट आ रालोद

बाप-बेटा नौटंकी में भाई-चाचा गड़ही में

अपना जिलेबिया दिमाग आ राजलीटी में कुश्ती के दांवपेंच में माहिर मानल जाये वाला मुलायम जतना मुलायमियत से अपना बेटा से हार जाये वाला कुश्ती लड़लन ओकरा से सवाल उठत बा कि कहीं ई उनुकर सोचल समुझल चाल त ना रहुवे! बेटा के मुख्यमंत्री बनवा दीहल आसान रहुवे बाकिर गोल के कमान सउंपल मुश्किल रहल।

नोटबन्दी के मार से नेता परेशान

यूपी चुनाव से पहिले भइल नोटबन्दी के एलान का चलते नेता लोग परेशान हो गइल बा. कुछ दिन पहुले गोरखपुर में भाजपा के खरीदल प्लॉट से 248 गो नया मोटरसाइकिलन धरइली सँ. एह मोटरसाइकिलन प बाकायदा कमल निशान के स्टीकर लागल बा. पहिले सुने में आइल कि भाजपा एह मोटरसाइकिलन से आपन प्रचार करवाई. बाकि

बिलाई के झगड़ा में फायदा उठावे का फेर में बानर

यूपी के सरकार चलावत मुलायम के परिवार में चलत झगड़ा के फायदा उठाके आपन बेंवत बढ़ावे में लागल बिया कांग्रेस। सपा में बाहरी आदमी आ दलाल होखे खाति जानल जायेवाला अमर सिंह के सहायता से कांग्रेस के रणनीतिकार प्रशांत किशोर सपा मुखिया मुलायम सिंह से छह घंटा ले बतियवले बाकि कवनो राह तय ना हो

टटका खबर, शनिचर 15 अक्टूबर 2016

मध्यप्रदेश के भोपाल में शौर्य स्मारक के उद्घाटन कइला क बाद प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी कहलन कि उनकर सरकार वन रैंक वन पेंशन के वायदा पूरा क दीहलसि, जबकि पहिले के सरकार बड़हन बड़हन वायदा कइला क बादो एह दिसाईं कुछ ना कइली सँ. शौर्य सम्‍मान सभा में पहिले के सैनिकन आ शहीदन के परिवारवालन के

जंगीपुर आ बिलारी विधानसभा सीट पर उपचुनाव के एलान

उत्तर प्रदेश के दू गो सपा विधायकन के असमय मौत का चलते खाली पड़ल सीटन पर उपचुनाव के अधिसूचना आजु जारी हो गइल आ एकरा साथही गाजीपुर आ मुरादाबाद जिला में अचार संहिता लागू हो गइल बा. गाजीपुर के जंगीपुर विधानसभा सीट राज्य के पंचायतीराज मंत्री कैलाश यादव के निधन का चलते खाली पड़ल बा

आजम खाँ के इस्तीफा : 2017 के तइयारी आ कि अफवाह

आजु मंगल का दिने यूपी के कद्दावर नेता आ मंत्री आजम खाँ के इस्तीफा के खबर जोर पकड़ लिहलसि. बतावल जात बा कि मुलायम सिंह से बहस कइला का बाद आजम खाँ इस्तीफा दे दिहलन. एह खबर के ना त सकारल जात बा ना ही नकारल. बतावल जात बा कि आजम खाँ चाहत बाड़न कि

यूपी के मंत्री ने महागठबंधन के नेतवन के धोखेबाज बतवलन

बिहार विधानसभा चुनाव में महागठबन्हन से मिलल धोखा के बात बतावत यूपी के पर्यटन मंत्री ओम प्रकाश सिंह शुक का दिने मांझी विधानसभा क्षेत्र के दाउदपुर समेत अनेके जगहा पर चुनाव सभा में बतवलन. कहलन कि ई लोग सपा आ मुलायम सिंह का साथे धोखा कइले बा आ जनता के एह लोग के झाँसा में

सगरी खबर भोजपुरी में (मंगल, 7 जुलाई 2015)

बिहार में आजु भइल विधान परिषद के 24 गो सीटन ला मतदान में करीब 94 फीसदी वोट पड़े के खबर बा. वोट गिने के काम 10 जुलाई के होखी. आजु पटना के एगो मतदान केन्द्र पर वोट डाले आइल मंत्री ललन सिंह आ पीके शाही पर एफआइआर दर्ज कर लीहल गइल जवना के जानकारी मिलला

मुजफ्फरनगर दंगा में आरोपित मुस्लिम नेतवन प से मुकदमा हटाई सपा सरकार

मुजफफरनगर 05 जनवरी (वार्ता) उत्तर प्रदेश के सपा सरकार मुजफ्फरनगर दंगा मे आरोपी मुस्लिम नेतवन प दर्ज मुकदमा हटावे के जुगत बइठावे में लागल बिया. अइसन संकेत राज्य के कारागार मंत्री आ सपा बोलतुआ राजेन्द्र चौधरी दिहलन. बतावल जात बा कि मुजफ्फरनगर दंगा ले के कांग्रेस, भाजपा, बसपा. रालोद, आ राजद ले सगरी गोल अखिलेश

Older Posts››