सपा
भाजपा के लोग आजु लखनऊ में राज्यपाल के ज्ञापन सँउपले जवना में माँग कइल गइल बा कि सपा सरकार के सीमा में रहे के कहल जाव. आ फैजाबाद बम विस्फोट के आरोपी खालिद मुजाहिद के परिवार के छह लाख के मुआविजा देबे आ आल इंडिया इत्तेहाद-ए-मिल्लत काउंसिल के राष्ट्रीय अध्यक्ष मौलाना तौकीर रजा खां के
चौदह अरब से अधिका, १४,१०,५०, ६३,२०० रुपिया, के दलित स्मारक घोटाला के शिकायत के जाँच कइला का बाद यूपी के लोकायुक्त मेहरोत्रा मायावती के बेदाग बता दिहले बाकिर उनुका दू गो मंत्रियन के दोषी बतावत एह लोग से वसूली के सलाह दिहले बाड़न. घोटाला के साठ फीसदी हिस्सा एह दुनु मंत्रियन से वसूले के सिफारिश
यूपी में ब्राह्मण वोट के अपना पाला में बिटोरे खातिर सगरी राजनीतिक गोल फिकिरमंद हो गइल बाड़ें. बसपा पहिलही से खुलेआम ब्राह्मण जाति के गोलबंद करे में लागल बिया आ अब एह काम में समाजवादिओ पार्टी शामिल हो गइल बिया. काल्हु परशुराम जयंती का मौका पर लखनऊ में बोलावल ब्राह्मण सम्मेलन में मुख्यमंत्री अखिलेश यादव
सपा सरकार के बड़ाई जन जन ले चहुँपावे का प्रोग्राम में निकलल सपा मंत्रियन के बदजुबानी के खबर से सपा के छवि अउरी खराब होखे लागल बा. राज्य के वस्त्र उद्योग मंत्री शिव कुमार बेरिया कहलें कि पुलिसवालन के औकात नइखे कि उनुका कहला बिना बइठिओ सकस्. जिन जाने उनकर बात ना मनीहें उनकर वरदी
यूपी के मुख्यमंत्ती देश में राजनीतिक गोलन के तिसरका मोर्चा बनावे का फिराक में सोमार का दिने चेन्नई जा के तमिलनाडु के मुख्यमंत्री जयललिता से आध घंटा ले बतियवलें. बातचीत से का निकलल से त अबही सामने नइखे आइल बाकिर अखिलेश कहलन कि कांग्रेस आ भाजपा दुनु फेल हो गइल बाड़ी सँ आ अब एह
मायावती के बयान पर खिसियाइल शिवपाल सिंह यादव कहले बाड़न कि अगर मायावती सपा कार्यकर्तन के बेर बेर गुंडा कहीहें त हमनियो का उनुका के गुंडी कहल शुरू कर देब जा. कहलन कि अगर सपा सरकार बदला लेबे के भाव से काम करत रहीत त अबले मायावती जेल में रहती.
यूपीए सरकार के खराब हालत आ देश के छितराइल राजनीति का माहौले में सपा नेता मुलायम सिंह के प्रधानमंत्री बने के सपना पूरा होखत लउकत बा. कहलन कि तीसरा मोर्चा के जरूरत बा काहे कि ना त कांग्रेस ना भाजपा नीत सरकार बनी अगिला चुनाव का बाद. मुलायम त इहो कहलन कि गुजरात में नरेन्द्र
ब्रिक देशन के शिखर सम्मेलन से लवटत घरी हवाई जहाजे में भइल पत्रकार सम्मेलन में प्रधानमंत्री मनमोहन सिहं एह बात के अनेसा से सहमत लउकलें कि सपा समर्थन वापिस ले सकेले. बाकिर कहलन कि सरकार पर कवनो संकट ना आई आ सरकार पूरा दिन ले चली, समय से पहिले चुनाव ना होखी. अपना बारे में
दिल्ली जामा मस्जिद के शाही इमाम अहमद बुखारी शनिचर का दिने सपा से नाता तूड़े के एलान करत कहलन कि उनका दामाद विधान परिषद सदस्य उमर अली खाँ आ नागरिक सुरक्षा परिषद के अध्यक्ष वसीम अहमद खाँ के इस्तीफा मुलायम सिहं यादव का लगे भेज दिहल गइल बा. इमाम के आरोप बा कि सपा अपना
बड़ बड़ जने दहाइल जासु गदहा पूछे कतना पानी! कन्नौज लोकसभा उपचुनाव में डिम्पल का खिलाफ खड़ा दुनु उम्मीदवार आपन नाम वापिस ले लिहलें आ डिम्पल यादव एगो इतिहास रच दिहली संसद ला निर्विरोध चुना के. अब आधिकारिक घोषणा होखल बाकी बा. एही तरह राज्यसभा सांसद बृजभूषण तिवारी का निधन से खाली भइल सीट पर
‹‹Newer Posts