Go to ...
RSS Feed

सलेमपुर

स्कूल बस पलटला से तीन गो छात्रन के मौत चालीस गो घवाहिल

भोजपुर जिला के दोबहा पुलिस चौकी के दोबहा बाजार का नियरा आजु सबेरे डीबी स्कूल के बस पलट गइल. एह दुर्घटना में तीन गो छात्र मर गइले आ चालीस गो से अधिका छात्र घवाहिल हो गइले. पुलिस सूत्र बतवले कि बस विद्यार्थियन के ले के स्कूले जात रहे जब आरा सलेमपुर रोड पर दोबहा बाजार

पप्पू सिंह सलेमपुर से बसपा के टिकट पर संसद खातिर लड़ीहें

काल्हु शुक का दिने विधानपरिषद सदस्य आ बसपा के स्थानीय समन्वयक डा. विजय प्रताप बिल्थरारोड में बतवले कि सलेपुर से एमएलसी रविशंकर सिंह उर्फ पप्पू सिंह के बसपा उम्मीदवार बनावल जाई.

देवरिया सलेमपुर में रेलवे क्रासिंग पर दुर्घटना, छह लोग के मौत

शुक का दिने देवरिया के सलेमपुर में एगो रेलवे क्रासिंग पार करत कार रेल इंजन के चपेटा में आ गइल जवना से छह लोग के मौत हो गइल. क्रासिंग बिना चौकीदार वाला रहला का चलते ई दुर्घटना भइल. मरे वालन में तीन गो ओरत आ तीन गो मरद रहलें.