सारण
छपरा 22 फरवरी (वार्ता). बिहार में सारण जिला के कोपा थाना के घोघिया गांव में एगो औरत से दुष्कर्म करे का आरोप में आजु एगो आदमी के गिरफ्तार क लिहल गइल. पुलिस सूत्रन से पता चलल कि घोघिया गांव के अनुज कुमार पांडेय गांवे के एगो औरत से काल्हु राति कुकर्म कइले रहल. आजु ऊ
छपरा 19 फरवरी (वार्ता) बिहार के सारण जिला के दिघवारा थाना क्षेत्र में शादी समारोह का दौरान आर्केस्ट्रा में फरमाईशी गीत गववला ले के भइल बतकही बढ़ि के गोलीबारी में बदलि गइल आ गोली लगला से एगो नवही के मौत हो गइल. पुलिस सूत्र से मिलल जानकारी में बा कि कोरिया गांव के शंकर प्रसाद
नई दिल्ली में दुनिया के तमाम देशन से आइल भारतीय मूल के सांसदन के पहिलका सम्मेलन के संबोधित करत पी एम मोदी ओह लोग से गोहार कइनी कि भारत के विकास बढ़ावे में उत्प्रेरक के आपन भूमिका निबाहे. चीन के नाम लिहले बिना पीएम मोदी के कहना रहल कि भारत कबहियों कवनो दोसरा देश के
बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के अपना राजनीतिक जीवन में ईमानदारी आ स्वच्छता बरते खातिर जम्मू कश्मीर सरकार का तरफ से ओकर पहिलका मुफ्ती मोहम्मद सईद पुरस्कार से सम्मानित कइल गइल बा. जनरल जोरावर सिंह आडियोरम में एगो समारोह में जम्मू कश्मीर के राज्यपाल एनएन वाहरा का हाथ से एह अवार्ड के स्मृतिफलक दीहल गइल.
सीबीआई के विशेष अदालत शनिचर का दिने रांची में राजद अध्यक्ष लालू प्रसाद के चारा घोटाला से जुड़ल एगो मामिला में साढ़े तीन बरीस के जेल आ दस लाख रुपिया के जुर्माना के सजा सुनवलसि. अगर जुर्माना ना भरीहें त छह महीना अउरी जेल में रहे के पड़ी. घोटाले में शामिल आ बिहार विधानसभा के
देश में चुनाव लड़े वाला गोल के चंदा देबे वाला लोग, फर्भ, संस्था भा कंपनी अब स्टेट बैंक के निर्धारित शाखा से एक हजार से ले के एक करोड़ रुपिया तक के बॉण्ड खरीद के ओह गोल के दे सकीहें. चंदा पावे वाला आ देबे वाला अपना अपना खाता में एकर जिक्र करीहें बाकिर ई
मेघालय में अगिला साल विधानसभा के भोट होखे वाला बा आ एकरा से कुछ महीना पहिलहीं कांग्रेस के पाँच गो विधायकल समेत आठ गो विधायक भाजपा के अगुअई वाला राजग शामिल हो गइलें. एह गोलबदलू जमात में उप मुख्यमंत्री रावेल लिंगदोहो शामिल बाड़न. हालांकि एह पाला बदल का बादो अबहीं मेघालय सरकार का लगे बहुमत
पाकिस्तान का जेल में बंद कुलभूषण से उनुकर महतारी आ मेहरारु के भेंट त करवा दिहलसि पाकिस्तान बाकिर आपन कमीनापंथी देखावे से बाज ना आइल. एह मुलाकात के मुलाकात ना कहि के वीडियो कॉन्फेरेंसिंग कहल अधिका सही रही. काहें कि एह भेंट का दौरान शीशा के देवाल रहुवे ओह लोग का बीच में आ इन्टरकॉम
जापान में काल्हु भइल संसदीय चुनाव मे प्रधान मंत्री शिंजो एबे के नेतृत्व वाला सत्ताधारी गठबन्धन के टिकाऊ सरकार बनावे जोक बहुमत मिल गइल बा आ अब जापानी संसद के हर समिति के अध्यक्षता एही गठबन्धन के मिल जाई. जापान के इतिहास में सबसे बेसी दिन ले प्रधानमंत्री रहे वाला शंजो एबे तिसरका बेर प्रधानमंत्री
भारत अउर अमरीका के रक्षा मंत्रियन के भेंट अउर बातचीत का बाद जारी बयान में कहल गइल बा कि कतहिंयो आतंकवाद के सुरक्षित शरणस्थली रहे बने के बर्दाश्त ना कइल जा सके. आजु भारत के रक्षा मंत्री निर्मला सीतारामन आ अमरीका के रक्षा मंत्री जेम्स मेटिस के नई दिल्ली में भेंट अउर बातचीत भइल. मॉरिशस
शेर बहादुर देउबा आजु नेपाल का संसद में नेपाल के प्रधानमंत्री चुन लीहल गइल. उनुका ई सौभाग्य चउथा बेर मिलल बा. 70 बरीस के देउबा प्रधानमंत्री पद खातिर अकेला उम्मीदवार रहलन. तबो 170 वोट उनुका खिलाफ पड़ल. बाकिर उनुका पक्ष में 388 गो वोट पड़ल आ ऊ न्पाल के पीएम चुना गइलन. नेपाल के संसद
भारतीय अंतरिक्ष अनुसंधान संगठन – इसरो – आजु अंतरिक्ष के क्षेत्र में एगो बड़हन उपलब्धि हासिल करत आपन आजु तकले के सबले भारी आ शक्तिशाली रॉकेट जीएसएलवी मार्क-3 से भारतीय संचार उपग्रह जीसैट-19 के सफल प्रक्षेपण आंध्र प्रदेश के श्रीहरिकोटा से कइलसि. एकरा पहिले भारी उपग्रहन के छोड़े खातिर विदेश के सहायता लेबे के पड़त
भारत के बी साई प्रणीत आपन पहिला गेम हारला का बादो हिम्मत ना हरलन आ बाद में इंडोनेशिया के जोनाथन क्रिस्टी के 17-21, 21-18, 21-19 से हरावत थाईलैंड ओपन बैडमिंटन टूर्नामेंट के खिताब जीत लिहलन. एह सफलता ला पीएम मोदी उनुका के बधाई भेजले बाड़न. पइसा कमाए ला इज्जति नीलाम क देबे वाला बीसीसीआई के
अपना मन का बात कार्यक्रम में आजु पीएम नरेन्द्र मोदी जी कहनी कि सभकर साथ सभकर विकास के अवधारणा देशे ले सीमित ना हो के पूरा दुनिया ला काम के बात ह. कहनी कि पड़ोसी देशनो के भारत के विकास यात्रा में साथे होखे के चाही जेहसे ओहू लोग के विकास बरोबरी में हो सके.
बिहार के महागठबन्धन में रहि रहि के कुछ ना कुछ फाँस लउकत रहेला. विधान परिषद के मौजूदा सभापति अवधेश नारायण सिंह के दुबारा सभापति बनावे का खिलाफ राजद खुलके मैदान में खुल के आ गइल बा. ऊ एह पद प आपन दावा ठोंक दीहले बावे. बिहार के नगर निकायन के 4 जून के होखे वाला
आजु यूपी कैबिननेट का मीटिंग में कई गो फैसला लीहल गइल जवना में सबले खास रहल भूमाफियन का खिलाफ टास्क फोर्स बनावे आ महापुरुषन का नाम प मिले वाली छुट्टयन के रद्द कइल. बइठक के अध्यक्षता यौगी आदित्यनाथ कइलन. बइठक का बाद राज्य के ऊर्जा मंत्री श्रीकांत शर्मा पत्रकारन के बतवलन कि भूमाफियन का खिलाफ
सुप्रीम कोर्ट का आदेश बा कि यूपी मे हर साल 33 हजार पुलिसवालन के बहाली क के चार साल में सगरी खाली जगहाभर दीहल जाव, राज्यपाल राम नाईक के आदेश से इलाहाबाद विश्वविद्यालय के भौतिक विज्ञान विभाग के प्रो0 राजा राम यादव के वीर बहादुर सिंह पूर्वाचंल विश्वविद्यालय जौनपुर के कुलपति नियुक्त कइल गइल बा.
मुख्यमंत्री बनला का बाद आजु योगी आदित्यनाथ पहिला बेर गोरखपुर के यात्रा पर आइल बानी. पूरा गोरखपुर उनुका स्वागत में लागल बा. योगी अदित्यनाथ आजु गोरखनाथ मंदिर में रात्रि विश्राम करब आ काल्हु मंदिरे में होखे जा रहल यागीराज गंभीरनाथ के शताब्दी पुण्यतिथि समारोह में शामिल होखब. आ साँझ बेरा लखनऊ लवटि जाएब. 30 सितम्बर
आजु देश भर में गौरैया बचाओ दिवस मनावल गइल. पर्यावरण आ जीवन चक्र खातिर जरुरी चिरई गोरैया के कम होखत ई हाल हो गइल बा कि कई जगहा एकर दर्शन ले दूभर हो गइल बा. पूर्वी चंपारण के पकड़ीदयाल एसडीपीओ के निलंबन के मांग करत बिहार के विपक्ष आजु विधानसभा में जम के बवाल कइलसि
यूपी विधानसभा चुनाव के सतवां आ आखिरी दौर के चुनावो शान्ति का साथे पूरा हो गइल. पिछलका दौरन का मुकाबले एह दौर में सबले बेसी वोटिंग भइल. कुल्ह मिला के साठ फीसदी वोटर अपना वोटिंग अधिकार के इस्तेमाल कइले. पाँचो राज्यन के चुनाव पूरा होखे में यूपी के अलापुर आ उत्तराखंड के कर्णप्रयाग सीत प
Older Posts››
‹‹Newer Posts