Go to ...
RSS Feed

सारण

कोपा में दू जने के मौत

बिहार के सारण जिला के कोपा इलाका के साईं पुल का नियरा एगो ट्रैक्टर ट्रॉली पलट गइल आ दू जने के ओहिजे मौत हो गइल.

सारण तरैया के भाजपा नेता केदार सिंह के हत्या

सारण जिला के तरैया इलाका में काल्हु रात एगो भाजपा नेता केदार सिंह के गोली मर के मुआ दीहल गइल। ओह बेरा ऊ अपना बहिन किहां मशरख बंगरा से लवटत रहलें जब पहिले से घात लगा के बईठल अपराधी गण्डार पुल का नियरा गोली मार दिहलें। खून से लथपथ लाश देख पहिले त लोग सोचल

दुर्घटना आ अपराध के खबर

बस्ती जिला के वाल्टरगंज इलाका के खरखरा गांव का नियरा एगो गाड़ी के धक्का से दुपहिया सवार दू जने के ठाँवे पर मौत हो गइल बलिया के भीमपुरा इलाका के अहिरौली गाँव का लगे ट्रक से गिट्टी उतारत घरी भहरात गिट्टी संगे गिरे से बाँचे खातिर एगो मजदूर हड़बड़ी में उपर से जात बिजली के

बिहार से अपराध के खबर

बेतिया में मझौलिया प्रखंड के पारस पकड़ी गांव में शनिचर का रात स्टेट बैंक शाखा के जंगला के ग्रिल काटके करीब 50 लाख के गहना आ साढ़े आठ रुपिया नगदी चोरा ले गइल बाड़ें स चोर. बैंक में लगावल कैमरा के तार पहिलहीं काट दिहले रहले सँ जवना से पुलिस के जानकारी नइखे मिलत. शुक

अपराध आ हादसा के खबर भोजपुरी पट्टी से

सारण जिले के डोरीगंज इलाका के चिरांद गांव का लगे नक्सली हमला में आरा छपरा पुल बनावे के काम में लागल कंपनी के जेनरेटर रूम के उड़ा दीहल गइल. पश्चिम चंपारण के बैरिया इलाका के रेता में कई साल से फरार एगो अपराधी के गिरफ्तार कर लिहलसि पुलिस. रोहतास जिला के चेनारी इलाका के कुरमाबाद

बिहार में खोलल जाई छह गो कौशल विकास केन्द्र

केन्द्र सरकार राष्ट्रीय कौशल विकास मिशन के तहत बिहार में छह गो प्रशिक्षण केन्द्र खोले के इजाजत दिहले बिया. एह केन्द्रन के बक्सर, सारण, दरभंगा, सीतामढ़ी, मुजफ्फरपुर अउर भागलपुर में खोलल जाई. श्रम संसाधन विभाग के सचिव बतावत बाड़न कि सारण, मुजफ्फरपुर अउर बक्सर में जमीन उपलब्ध बा एहसे एह जगहन पर भवन बनावे के

अपराध आ हादसा के खबर भोजपुरी पट्टी से

रोहतास जिला के नौहट्टा इलाका के सलसा गाँव से चार गो नक्सली उग्रवादियन के असलहा साथे काल्हु शनिचर का दिने गिरफ्तार कर लिहलसि पुलिस. सारण जिला में साढ़े सात सौ अभ्यर्थियन के टीईटी प्रमाण पत्र फर्जी मिलल बा. एह लोग का खिलाफ कार्रवाई करे के प्रक्रिया चालू हो गइल बा. पूर्वी चंपारण जिला के छतौनी

उपप्रमुख हत्या के केस में चार जने के नाम आइल

पिछला बुध का दिने सारण के मढ़ौरा इलाका में मिर्जापुर निवासी उप प्रमुख सुरेश्वर दीक्षित के हत्या के अछरंग ओही गाँव के मिडिल स्कूल के हेडमास्टर आ भूरिया टोला के निवासी दिनेश सिंह समेत तीन जने अउर लोग के नामे लागत बा. पुलिस के कहना बा कि ढेर दिन से चलल आवत विवाद में ई

आगि में जरला से दू गो बचवन के मौत

सारण जिला के कोपा इलाका के देवरिया गाँव में बियफे का दिने एगो घर के छत पर राखल पुअरा में लागल आग से बगल में सूतल दू साल के लड़िका जर के मर गइल आ ओहिजे खेलत अढ़ाई बरीस के लड़िकी भागे का फेर में ओही आग में गिर के जर गइल. दुनू चचेरा भाई

उपप्रमुख के गोली मार के हत्या

काल्हु बुध के साँझे कुछ बदमाश सारण जिला के मढ़ौरा इलाका के मिर्जापुर गाँव के उपप्रमुख सुरेश्वर चौधरी के गोली मार के हत्या क दिहले सं. हत्यारा तीन गो रहलन स. हत्या पर नाराजगी जतावत खिसियाइल लोग एगो पुलिस वाहन के जरा दीहल आ देर ले रोड जाम क के राखल आ बहुते समुझवला बुझवला

एगो नाॅन बैंकिंग संस्था के आफिस के ताला तूड़लसि प्रशासन

सारण जिला के माँझी में नॉन बैंकिंग संस्था गोल्ड माइन के आफिस के ताला कोर्ट का आदेश पर बियफे का दिने प्रशासन तूड़वा दिहलसि आ बीडीओ सूरज कुमार सिंह आ दारोगा एसएन सिन्हा अउर भिखारी राम के मौजूदगी में कार्यालय के फर्नीचर, आलमारी, कम्प्यूटर वगैरह जब्त क लिहल गइल. आफिस के आलमारी का दराज से

जयप्रकाश विश्वविद्यालय के पुरनका कुलपति के एगो अउर कारनामा सोझा आइल

जयप्रकाश विश्वविद्यालय के कुछ दिन पहिले ले कुलपति रहल प्रो.डीके गुप्ता के गइला का बाद उनकर एगो अउर कारनामा सोझा आइल बा. विश्वविद्यालय के कुलपति ला एगो महँग गाड़ी इनोवा रहला का बावजूद ऊ एगो फारचूनर गाड़ी खरीदवा लिहलन जवना के दाम साढ़े अठाइस लाख बतावल जात बा. पिछला नवंबर महीना में खरीदल ई गाड़ी

तिलक के सामान चोर चोरा ले गइलें

सारन जिला के तरैया बाजार इलाका के एगो भाजपा नेता समेत चार जने का घर से चोर लाखों के सामन चोरा ले गइलें. शुक के रात भइल ई चोरी चार गो घर में भइल. भाजपा नेता वीरबली सिंह के घरे बेटी के तिलक चढ़ावे जाए खातिर सामान राखल रहुवे. चोर सगरी सामान चोरा ले गइले

शराबियन के झगड़ा में एगो शराबी के मौत

काल्हु बुध का दिने सारण जिला के दिघवारा इलाका के मलखाचक गाँव के एगो दलित नवही के पीट पीट के हत्या क दीहल गइल. बतावल जात बा कि ई बरबन्ना मझौंवा गांव का लगे नदी किनारे दियारा में चलत गैरकानूनी शराब भट्ठी पर ओकर झगड़ा दोसरा शराबी से हो गइल जवना का बाद ओकरा के

बिजली चोरावत आटा चक्की पर अढ़ाई लाख के जुर्माना

सारण जिला के गड़खा इलाका के मयकी गांव में एगो आटा चक्की टोंका फँसा के बिजली चोरा के चलत रहुवे जवना के पकड़इला का बाद चक्की मालिक संजय सिंह पर अढ़ाई लाख रुपिया के जुर्माना लगावल गइल बा. जुर्माना ना दिहला का चलते अब बिजली चोर के पर मुकदमा हो गइल बा.

छपरा में होखे वाला बा 42वां जूनियर नेशनल वालीबाल प्रतियोगिता

बहुते खुशी के बात बा कि बिहार में पहिलका बेर होखे जात वालीबाल के राष्ट्रीय स्तर के प्रतियोगिता के आयोजन सारण जिला में होखे जात बा. छपरा के लोग एह बात पर आपन माथ ऊंच क सकेला. छपरा के राजेंद्र स्टेडियम में 8 से 13 दिसंबर ले 42 वां जूनियर नेशनल वालीबाल प्रतियोगिता होखे जात

मशरख में सड़क हादसा से एक जने के मौत

अतवार का साँझ सारण जिला के दोकरी निवासी पेंटर तारकेश्वर साह अपना बेटा संगे घरे जात रहलन जब मशरख मलमलिया रोड पर चंदेश्वर मोड़ का लगे एगो ट्रक धक्का मार दिहलसि. धक्का लागते बेटा बाइक से फेंका गइल. दुनू जने के कचारत ट्रक वाला भाग निकलल. बाप के मौत ओहिजे हो गइल आ अस्पताल में

किडनैप भइल नवही के हत्या

सारण जिला के यदुरामपुर गाँव के रामनारायण राय के सतरह साल के लड़िका रंजीत के पिछला 17 तारीख के किडनैप क लीहल रहे. पुलिस के जानकारी दिहला का बादो कुछ ना हो सकल आ अब ओकर लाश मिलल बा. तीन साल पहिले रंजीत के शादी भइल रहुवे. आ ओकर एगो डेढ़ बरीस के लड़िको बा.

सईंया भए कोतवाल अब डर केकर

महागठबन्हन के चुनाव जीतला का बादे से बिहार में अपराधी बेखौफ हो गइल बाड़े सँ. मुख्यमंत्री नीतीश कुमार भलही पुलिस वालन के चेतावसु कि कानून व्यवस्था के हर हाल में पालन होखे के चाहीं आ अपराधियन का खिलाफ बिना चेहरा देखले कार्रवाई होखे के चाहीं. बाकिर पुलिस अधिकारियनो के पता बा कि नीतीश के अब

मेला देखे गइल नवही के गरदन रेत के मार डालल गइल

सारण जिला के रिविलगंज इलाका के औली गाछी गाँव के एगो पचीस बरीस के नवही बबलू राय के पिछला नवमी के रात्रि गरदन रेत के मुआ दीहल गइल. ई अपराध करिंगा मठिया गांव का लगे भइल आ कुछ बदमाश एह वारदात के अंजाम दिहलें बाकिर ओहनी के पहचान पता नइखे चलल. घटना के जानकारी मिलला

Older Posts›› ‹‹Newer Posts