Go to ...
RSS Feed

सारण

जेनरेटर का करेंट से बाप बेटा के मौत

सारण जिला के मकेर थाना इलाका में भाथा गाँव में एगो बिआह का मौका पर जेनरेटर से बिजली सप्लाई होत रहुवे. गाँवे के बिंदा ठाकुर आ उनुका बेटा बादल ठाकुर के मौत एह जेनरेटर के करेंट का चपेटा में पड़ला से हो गइल. बादल ठाकुर के पाँच साल के एगो बेटीओ के करेंट लागल बा

चिरांद के घाट पर लाश मिलल

सारण जिला के डोरीगंज में चिरांद तिवारी घाट पर शुक का दिने एगो नवही के लाश उतराइल मिलल. लाश के पहचान दयालचक के एगो आदमी के बतावल जात बा जे कुतुबपुर के अजय राय का नाव पर मजदूरी करत रहे. बुध के काम पर गइल तबसे लवटल ना रहे. अब शुक का दिने ओकर लाश

सारण के डीआईजी रहल आलोक कुमार के निलंबन बरकरार

बिहार सरकार के गृह विभाग आलोक कुमार के निलंबन बरकरार राखे के फैसला कइले बा. पिछला पाँच फरवरी के उनुका के निलंबित कइल गइल रहे आ एह निलंबन पर पिछला २६ अप्रैल के फेर से विचार कइल गइल. समिति के अनुशंसा बा कि आलोक कुमार के निलंबन बरकरार राखल जाई.

महाराजगंज लोकसभा उपचुनाव २ जून के

राजद सांसद उमाशंकर सिंह के निधन का चलते खाली भइल बिहार के महाराजगंज संसदीय सीट पर उपचुनाव २ जून के करावल जाई. एह खातिर ८ मई से १५ मई का बीच परचा दाखिल कइल जा सकी. परचा के जाँच १६ मई के होखी आ १८ मई ले नाम वापिस लिहल जा सकी. ओकरा बाद जरूरी

सारण जिला के चार गो थाना के अपग्रेडेशन भइल

सारण जिला के चार गो पुलिस स्टेशनन के उपर से मिलल आदेश का बाद अपग्रेड कर दिहल गइल बा. एह अपग्रेडेशन का बाद सोनपुर, मुफस्सिल, भगवान बाजार आ मढ़ौरा थाना के प्रभारी पुलिस इंसपेक्टर रहीहें. अबहीं ले सब इंसपेक्टर लोग का जिम्मे रहत रहुवे ई थाना.

ट्रक पलटला से एक आदमी के मौत

कुंभ नहा के एगो पिकअप ट्रक से बिहार के सीतामढ़ी लवटल लोग से भरल एगो ट्रक बलिया में बादिलपु गाँव का लगे सोमार का भोर में पलट गइल जवना से एक जने के मौत ओहिजे हो गइल आ सात जने घवाहिल हो गइलें. एगो दोसरा घटना में सारण जिला के गड़खा इलाका के सरवंदा गाँव

सारण के एएसपी बन गइलें रविन्द्र कुमार

सदर एसडीपीओ रविन्द्र कुमार सारण के एएसपी बना दिहल गइल बाड़न आ एकर सूचना सरकार जारी कर दिहले बिया एगो अउर पुलिस अधिकारी वकील अहमदो के अपर पुलिस अधीक्षक के पद पर प्रोन्नति मिल गइल बा.

जिला परिषद के बइठक हंगामा का बीच पूरा भइल

दस महीना बाद होखत सारण जिला परिषद के बइठक हंगामा का बीच केहू तरह पूरा भइल. जिला परिषद अध्यक्ष मेहनाज खातून पर योजना बनावे, चुने में धाँधली करे के आरोप लगावत पार्षद लोग उनुका से इस्तीफा माँगत रहुवे. पार्षद लोग के कहना रहे कि हर पार्षद का इलाका में बरावबर बराबर खरच कइल जाव, एहमें

सारण जिला में इंदिरा आवास

एह साल सारण जिला में २१५७९ गो इंदिरा आवास बनावे के लक्ष्य रहुवे जवना में से १९३९४ गो आवास के स्वीकृति दे दिहल गइल बा. जिलाधिकारी बतवले बाड़न कि जवना लोग के दुसरका भा अंतिम किस्त नइखे मिलल से जल्दी से बीडीओ भा डीडीसी का लगे दरखास्त देसु.

‹‹Newer Posts