Go to ...
RSS Feed

सासाराम

बरतन का दूकान से दू लाख के बरतन चोरी

सासाराम मीना बाजार के कुमार स्टील कार्नर से मंगल का रात में नगदी समेत दू लाख के बरतन चोर चोरा ले गइलें. केस दर्ज करा दिहल गइल बा बाकिर कवनो गिरफ्तारी नइखे भइल. चोर एस्बेस्टस के छान्ह तूड़ के भीतर घुसल रहलें.

सासाराम नगर परिषद कार्यालय पर ताला मारल गइल

सासाराम नगर परिषद कार्यालय पर संविदा से हटावल सफाईकर्मी शुक का दिने ताला मार दिहलें. ऊ लोग आपन संविदा के बढ़वावल चाहत बा. एह ला ऊ लोग पिछला आठ हफ्ता से हड़ताल पर बा बाकिर केहू सुनत नइखे.

भूअर हत्याकांड के आरोपी के जमानत याचिका खारिज

बुध का दिने भुअर सिंह हत्या कांड के अगो आरोपी के जमानत याचिका जिला जज के अदालत में खारिज कर दिहल गइल. आरोपी विजय कुमार सिंह नंदनपुर सासाराम के रहे वाला हआ ओकरा पर आरोप बा कि 29 फरवरी 12 का दिने अपना चचेरी भउजाई के डा॰ से देखलावे जात भुअर सिंह के अगवा कर

‹‹Newer Posts