web analytics

महीनन का इन्तजार का बाद रिजवी बन जइहें अब मंत्री

सोमार का दिने लखनऊ में अखिलेश सरकार में मंत्री बने के मौका मिल जाई जब सिकन्दरपुर के सपा विधायक जियाउद्दीन रिजवी मंत्री पद के किरिया लीहें. जब इनका के मंत्री बनावे के एलान भइल रहुवे तब ई मक्का गइल रहलन आ ओहिजा से लवटला का बाद से अब ले सुतार ना बन पावत रहुवे. एही … Read more

 74 total views

सताइस बरीस के नवही फाँसी पर झूलत मिलल

बलिया के सुखपुरा इलाका के जीराबस्ती नई बस्ती में अपना रिश्तेदारी में रहत एगो नवही के लाश बियफे के दुपहरिया में फाँसी पर लटकत मिलल. सिकन्दरपुर के सिवानकलां के ई नवही काहे फाँसी लगवलसि भा ओकर मौत कइसे भइल एह गुत्थी के सझुरावे में पुलिस लागल बिया.  182 total views

 182 total views

बलिया में डेंगू के मरीज मिलल

बलिया जिला के सिकन्दरपुर इलाका में चकखान गाँव में गुजरात में कमाई करेवाला आदमी के जाँच में डेंगू होखे के पुष्टि हो गइला का बाद गाँव के लोग दहशत में बावे. ऊ आदमी हालही में गुजरात से आइल रहुवे आ एहिजा तबियत खराब भइला का बाद जाँच में डेंगू होखल पावल गइल. मरीज के जिला … Read more

 165 total views,  10 views today

सिकन्दरपुर का गाँव में एगो आदमी के लाश पेड़ से लटकत मिलल

सिकन्दरपुर के मिर्जापुर गाँव का नियरा एगो पेड़ पर अवाँया के कमलेश राजभर के लाश बुध का सबेरे लटकत मिलल. बतावल जात बा कि उ अपना मेहरारू के बिदाई करावे अपना साढ़ू का घरे आइल रहुवे बाकिर ओकर बीबी जाए खातिर तइयार ना भइल. देर ले मान मनौव्वल का बाद कमलेश रात में ओहिजे ठहर … Read more

 210 total views

घाघरा के पानी मनियर आ सिकन्दरपुर में पसरल जारी

घाघरा नदी के पानी में बढ़ाव त सोमार का दिने थथम गइल बाकिर मनियर आ सिकन्दरपुर के मैदानी इलाकन में पानी के पसरल अबहियो जारी बा. लेतरहा समेत अनेके गाँव बाढ़ का पानी में घेराइल बा. बिल्थरा रोड के गुलौरा गाँव कटान का जद में आ गइल बा आ टीएस बंधा पर पानी के दबाव … Read more

 206 total views