Go to ...
RSS Feed

सिद्धार्थनगर

29 मई, मंगल के भोजपुरी पट्टी से 11 गो खबर

बस्ती में ट्रेन से कटाके दू आदमी के मौत बस्ती 29 मई (वार्ता). उत्तर प्रदेश में बस्ती के पैकोलिया इलाका में गौर टीसन का लगे बागडी गांव का सोझा रेल लाइन पार करत बलेसर गांव के रामजीत (30) आ 45 बरीस के एगो अनजान आदमी के मौत ट्रेन से कटा के हो गइल. अनजान आदमी

गोरखपुर में बस आ ट्रक का टक्कर में दू जने के मौत, 24 जने घवाहिल

गोरखपुर, 25 अप्रैल (वार्ता). कैम्पियरगंज इलाका के महावनखार का लगे एगो बस आ ट्रक का टक्कर से बस पर सवार दू जने के मौत हो गइल आ दू दर्जन लोग घवाहिल हो गउवे. पुलिस आजु बतवलसि कि काल्हु देर राति एगो निजी बस सिध्दार्थनगर से सवारी लेके गोरखपुर आवत रहुवे जब महावनखार का लगो गोरखपुर

भोजपुरी पट्टी से, 13 मार्च 2018, मंगल

आनन्द अग्रवाल अपना समर्थकन संग सपा से किनारा कइलन लखनऊ 13 मार्च(वार्ता). समाजवादी गोल के व्यापार सभा के अध्यक्ष आनन्द अग्रवाल समेत कई नेता आजु अपना पद से इस्तीफा दे दिहलें. एह लोग के कहना बा कि सपा व्यापारी वर्ग आ वैश्य समाज के अनदेखी करत बिया. एह लोग के इहो शिकायत बा कि बसपा

सिद्धार्थनगर जिला अस्पताल में आगि लागल – सात गो मासूम बाल बाल बचले

सिद्धार्थ नगर 13 मार्च (वार्ता). सिद्धार्थनगर जिला अस्पताल में बिजली के शॉर्ट सर्किट से आगि लगलै से अफरातफरी मच गइल बाकिर कर्मचारियन के तेजी से सात गो मासूम बाल-बाल बच गइले. आधिकारिक सूत्र बतवलें कि अस्पताल के मदर केयर यूनिट में काल्हु देर राति शार्ट सर्किट का चलते आगि लाग गइल. एह वार्ड में सात

टटका खबर, 26 फरवरी 2018, सोमार

26 फरवरी (वार्ता). लोकतंत्र बरियार करे में पत्रकारिता के निष्पक्षता जरूरी : कहलें राधामोहन केंद्रीय कृषि आ किसान कल्याण मंत्री राधामोहन सिंह आजु मौतिहारी में जर्नलिस्ट वेलफेयर सोसाइटी के पहिलका स्थापना दिवस समारोह आ राष्ट्रीय सेमिनार का उद्घाटन के बाद संबोधित करत कहलन कि भारत के पत्रकारिता के अतीत बहुते गौरवशाली रहल बा आ आजादी

बिहार आ यूपी में बाढ़ के कहर से अबले 623 लोग के मौत

बिहार के समस्तीपुर, मुजफ्फरपुर आ दरभेगा समेत अउरी इलाकन में आइल बाढ़ से अबहीं ले नाहियो त 514 लोग के जान जा चुकल बा. लाखो लोग एह आफत से बेघरबार हो गइल बा. यूपी के गोरखपुर, लखीमपुर खीरी, बलिया, आजमगढ़, कुशीनगर, महाराजगंज आ सिद्धार्थनगर में आइल बाढ़ से अबहीं ले 109 लोग के जान जा

टटका खबर, 8 मार्च 2017, बुध

यूपी विधानसभा चुनाव के सतवां आ आखिरी दौर के चुनावो शान्ति का साथे पूरा हो गइल. पिछलका दौरन का मुकाबले एह दौर में सबले बेसी वोटिंग भइल. कुल्ह मिला के साठ फीसदी वोटर अपना वोटिंग अधिकार के इस्तेमाल कइले. पाँचो राज्यन के चुनाव पूरा होखे में यूपी के अलापुर आ उत्तराखंड के कर्णप्रयाग सीत प

खबर भोजपुरी में (सोमार, 1 दिसंबर 2014)

पेट्रोल आ डीजल के दाम में अतवार का अधरतिया से फेरू कमी क दिहल जाई. दुनिया के बाजार मेश कच्चा तेल के दाम में लगातार गिरावट का चलते ई कमी आइल बा. पेट्रोल के दाम में हर लीटर पर 91 पइसा आ डीजल का दाम में चौरासी पइसा के कमी कइल गइल बा. आसाम के

चुनाव प्रचार शुरु हो गइल बाकिर भाजपा पिछुआइल बिया

सिद्धार्थनगर 10 नवम्बर (वार्ता) उत्तर प्रदेश के सिद्धार्थनगर जिला के मुस्लिम बहुल डुमरियागंज संसदीय सीट पर अगिला चुनाव ला भाजपा छोड़ सगरी गोल प्रचार करे लागल बाड़े बाकिर भाजपा पिछुआइल बिया. एह सीट प ओही लोग के मैदान मे उतरे के उमेद बा जे पिछला बेर उतरल रहे. पिछला बेर एहिजा से कांग्रेस के जगदम्बिका