web analytics

गोपालगंज में दू लाख के नकदी आ बाइक लूटाइल

गोपालगंज जिला में नेशनल हाईवे 28 पर सिधवलिया थाना के बरहिमा मठिया गांव का नियरा कुछ बदमाश असलहा देखा के सिवान जिला के एगो हार्डवेयर व्यवसायी से दू लाख रुपिया के नकदी आ ओकर बाइक लूट लिहले. घटना क के अपराधी आराम से निकल गइलें आ पुलिस कवनो के गिरफ्तार नइखे कर सकल.  427 total views

 427 total views

बाढ़ में डूबल आदमी का बारे मे जानकारी लेबे आइल विधायक के हाथ टूटल

गोपालगंज के सिधवलिया मे डुमरिया गाँव का लगे पानी मे डूबला से एगो आदमी के मौत हो गइल. खबर सुन के पुछारी मे चहुँपल विधायक मंजीत कुमार सिंह बाढ़ का पानी मे बिछला के गिर पड़लन जवना चलते उनुकर हाथ टूट गइल.  321 total views

 321 total views

आन्ही से गिरल पेड़ से दबा के औरत के मौत

गोपालगंज का सिधवलिया इलाका में लोहिजरा गाँव के एगो औरत अपना दुवार पर बइठल रहे जब बियफे का सँझिया आइल आंधी से जामून के पेड़ गिर पड़ल आ ओकरा नीचे दबा के ओकर मौत हो गइल. एगो दोसरा घटना में बरौली इलाका में बेलसंड गाँव का लगे एगो टेम्पो पलट गइल जवना से एगो औरत … Read more

 347 total views

गोपालगंज के तीन गो प्रखंड मे नया कार्यालय बनावल जाई

मांझागढ़, थावे, आ सिधवलिया प्रखंडन के कार्यालय भवन से समस्या से जल्दिए छुट्टी मिल जाई जब एह कार्यालयन के आपन मकान बन जाई. एह आफिसन के ग्रामीण विकास विभाग से मिलल धन से निर्माण करावल जाई.  238 total views

 238 total views