Go to ...
RSS Feed

सिवान

टटका खबर, अतवार, 4 जून 2017

भारत के बी साई प्रणीत आपन पहिला गेम हारला का बादो हिम्मत ना हरलन आ बाद में इंडोनेशिया के जोनाथन क्रिस्टी के 17-21, 21-18, 21-19 से हरावत थाईलैंड ओपन बैडमिंटन टूर्नामेंट के खिताब जीत लिहलन. एह सफलता ला पीएम मोदी उनुका के बधाई भेजले बाड़न. पइसा कमाए ला इज्जति नीलाम क देबे वाला बीसीसीआई के

टटका खबर, 30 अप्रैल 2017, अतवार

अपना मन का बात कार्यक्रम में आजु पीएम नरेन्‍द्र मोदी जी कहनी कि सभकर साथ सभकर विकास के अवधारणा देशे ले सीमित ना हो के पूरा दुनिया ला काम के बात ह. कहनी कि पड़ोसी देशनो के भारत के विकास यात्रा में साथे होखे के चाही जेहसे ओहू लोग के विकास बरोबरी में हो सके.

टटका खबर, 22 अप्रैल 2017, शनीचर

यूपी के नयका डीजीपी सुलखान सिंह के कहना बा कि कानून से खेला करे वाला कवनो आदमी का छोड़ल ना जाई. पुलिस आपन काम बिना कवनो बाधा भा दबाव के करी आ सही काम करे वाला के देरइला के जरुरत ना पड़ी. मिर्जापुर के अदलहाट इलाका में कई जिलन में वाहन चोरी करे वाला लुटेरा

टटका खबर, 17 मार्च 2017, शुक

दिन धरा गइल बा. शामियाना तनात बा. घराती बराती आपन आपन कपड़ा सइहारे में लागल बाड़ें. बस इहे नइखे मालूम कि दुलहा के रही. यूपी विधानसभा चुनाव में मिलल बड़हन जीत का बावजूद आ कि एही चलते भाजपा अबहीं ले आपन नेता नइखे चुन सकल. हमेशा का तरह मीडिया आपन कयास लगावे से चूकत नइखे

टटका खबर, 14 मार्च 2017, मंगल

यूपी विधानसभा चुनाव का बाद नयका विधायकन के सूची राज्यपाल जी के दे दियाइल बा. मुख्य निर्वाचन पदाधिकारी टी वेंकटेश आजु मंगल के राज्यपाल से भेंट क के ई सूची सँउपलन. एकरा साथही राज्य में लागू आचार संहिता खतम हो गइल बा. भाजपा विधायक दल के नेता के चुनाव ला वैंकेया नायडू आ भुपेन्द्र यादव

टटका खबर, 15 फरवरी 2017, बुध

सिवान के बाहुबली नेता आ सिवान से राजद सांसद रहल शहाबुद्दीन के सिवान जेल से हटा के तिहाड़ जेल भेजे के आदेश सुप्रीम कोर्ट दे दिहलसि आ इहो कहलस कि उनुका प चलत सगरी मामिला के सुनवाई वीडियो कान्प्फ्रेंसिंग से करावल जाव. एह फैसला के स्वागत करत भाजपा के बड़ नेता आ केन्द्रीय मंत्री रहल

टटका खबर, 7 फरवरी 2017, मंगल

चारा घोटाला में सजा पा चुकल आ राजद गोल के अध्यक्ष लालू प्रसाद यादव यूपी विधानसभा चुनाव में काल्हु से अपना दामाद के प्रचार क के समाजवादी गोल ला प्रचार करे के शुरुआत करीहें. जान जाईं जे बिहार में लालू के गोल का साथे सरकार चलावा वाला नीतीश कुमार एह चुनाव में कवनो गोल के

टटका खबर, 31 जनवरी 2017, मंगल

यूपी में चाचा भतीजा के रार अबहीं ले थमल नइखे आ चुनाव बाद एकरा एक बेर फेरु फफके के अनेसा बन गइल बा. आजु जसवंतनगर विधानसभा सीट से सपा प्रत्याशी के रूप में आपन नामांकन दाखिल कइला का बाद ओहिजा बोलावल सभा में शिवपाल ऐलान कइलन कि 11 मार्च का बाद ऊ नेता जी संगे

टटका खबर, अतवार, 27 नवम्बर 2016

मोहाली टेस्ट में दुसरका दिने भारत के पारी लड़खडाइल नजर आइल आ खेल ख़तम होखे बेरा ले छह विकेट का नुकसान पर 271 रन बना पवले बल्लेबाज। मेलबर्न में होखत चार देशन के हॉकी टूर्नामेंट में भारत मलेशिया टीम के 4-1 से हरा के कांस्य पदक जीत लिहलसि। बैडमिंटन के होंगकांग ओपन के फाइनल में

राजदेव रंजन हत्याकांड के जांच तीन महीने भितरे कर लेबे के आदेश

सुप्रीम कोर्ट आज सीबीआई के आदेश दिहलसि कि सिवान में पत्रकार राजदेव रंजन के हत्या करावे के मामिला के जाँच तीन महीने का भितरे के लेव। एह हत्याकांड में राजद का तरफ से सिवान के सांसद रहल शहाबुद्दीन आ ओकरा साथियन के नाम संदेह में बा आ एही चलते शहाबुद्दीन के जमानत रद्द क के

छपरा न्यूज, 15 अक्टूबर 2016, शनिचर

एकमा नगर पंचायत ला वोट पड़ल काल्हु शुक का दिने एकमा नगर पंचायत ला वोट डालल गइल. सबेरहीं से लोग वोट डालेला लाइल में लागल शुरू हो गइल रहुवे. कोहरगड़ बलुआपर बूथ पर फर्जा नाम पर वोट डाले चहुँपल लोग के पुलिस खदेड़ खदेड़ के पीटलसि. करीब 60 फीसदी वोटर अपना कर्तव्य के पालन कइलन

शहाबुद्दीन सरेण्डर क के फेरु जेल गइलन

आजु शुक का दिने सुप्रीम कोर्ट सिवान के बाहुबली शहाबुद्दीन के जमानत रद क दिहलसि. एकर खबर मिलते शहाबुद्दीन सिवाान कोर्ट में जाके सरेण्डर क दिहलन जहाँ से उनक के जेल भेज दीहल गइल. सुप्रीम कोर्ट राज्य सरकार के आदेश दिहले रहुवे कि शहाबुद्दीन के फौरन गिरफ्तार क के जेल भेजल जाव. सिवान के एसपी

अदालत में बिहार सरकार के फजीहत

सिवान के राजद सांसद रहल अपराधी शहाबुद्दीन के जमानत मिले के मौका दिहला का बाद बिहार सरकार अब जमानत रद्द करावे खातिर सुप्रीम कोर्ट चहुँपल बिया. काल्हु बुध का दिने सुप्रीम कोर्ट में अदालत के सवालन के जवाब देत ना बनत रहुवे सरकारी पक्ष के. सरकार के कहना रहुवे कि हिस्ट्रीशीटर के जमानत ना दीहल

सिवान के साहब के जमानत मिल गइल

सिवान के राजद नेता आ सांसद रह चुकल मोहम्मद शहाबुद्दीन के आजु पटना उच्च न्यायालय से चर्चित तेजाब हत्याकांड मामिला में जमानत मिल गइल. मोहम्मद शहाबुद्दीन के एह मामिला में निचली अदालत दोषी मान लिहले बिया. बाकिर एकरा बावजूद साहब जेल का बहरी ना आ पइहें काहे कि ऊ कुछ अउर मामिलन में सजा काटत

अपराध आ हादसा के खबर

यूपी के बड़का भठियारन में गिनाए वाला नोएडा के चीफ इंजीनियर रहल यादव सिंह के फेरू दू दिन के रिमांड पर दिहल गइल बा. बसपा आ सपा दुनू सरकारन के दुलरुआ रहल यादव सिंह पर करोड़ों के घोटाला करे के आरोप बा. 11 फरवरी से गायब बलिया के पकड़ी इलाका के वीरपुर गाँव के दस

टटका खबर : सोमार, 20 जुलाई 2015 (सबेर)

हाजीपुर से गाजीपुर जाए वाली नेशनल हाईवे के चार लेन के बनावे के काम शुरु होखे वाला बा. आजुकाल्हु एह सड़क पर चले वाली गाड़ियन के सर्वे हो रहल बा. हालांकि रिविलगंज में एकर का उपाय निकालल जाई इहो देखे जोग होखी काहे कि ओह इलाका में सँसरे के जगह ना मिल पावे पातर रास्ता

छपरा न्यूज, 14 जुलाई 2015

काल्हु सोमार का दिने जाति के राजनीति करे वाला राजद आ जदयू के नेता लोग बयान दे के भा जुलूस निकाल के माँग कइल कि जाति के गिनिती वाला आंकड़ा के जगजाहिर करा दीहल जाव. सरकार अबहीं एहसे इन्कार नइखे कइले बाकिर चूंकि अबहीं ले जनगणना के आंकड़ा के सही आकलन बाकी बा एहसे जाति

छपरा न्यूज : 13 जुलाई 2015

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी 25 जुलाई के आईआईटी, पटना के बिहटा वाला नयका कैपस के उद्घाटन करे आवत बाड़े आ ओही दिने एस के मेमोरियल हाॅल में भारतीय कृृषि अनुसंधान परिषद के सालाना बइठको के संबोधित करीहें. मुजफ्फरपुर से भाजपा के चुनावी शंखनाद ओही दिने करे वाला बाड़न पीएम. भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष अमित शाह 16

छपरा न्यूज : 11 जुलाई 2015

इसुआपुर के थानाध्यक्ष रहला का दौरान भइल संजय तिवारी के हत्या का मामिला में छपरा मंडल कारा में बंद राजन सिंह उर्फ कुश, रविरंजन कुमार उर्फ लव, रविरंजन कुमार उर्फ कल्लू, विजय कुमार आ मुन्ना चौबे के न्यायिक दंडाधिकारी शक्तिधर भारती के न्यायालय में शुक का दिने कड़ा सुरक्षा का बीच पेश कइल गइल आ

छपरा न्यूज : 10 जुलाई 2015

राहुल सांस्कृत्यायन के शब्दन में भोजपुरी के शेक्सपीयर भा अनगढ़ हीरा कहाए वाला लोककलाकार भिखारी ठाकुर के आजु पुण्यतिथि ह. आजु के दिन भोजपुरी समाज के समस्या पर एगो सहज नजर राखे वाला आ ओकर सहजे समाधानो सुझावे वाला भिखारी ठाकुर के हार्दिक श्रद्धांजलि. लोकमन के कुशल चितेरा भिखारी के जनम सारण जिला के कोटवा

Older Posts›› ‹‹Newer Posts