Go to ...
RSS Feed

सिवान

बिहार से छिटपुट खबर

पश्चिम चंपारण के लौरिया प्रखंड के सिसबनिया में तीन गो औरतन पर इंदिरा आवास के रुपिया फर्जीवाड़ा कर के दू हाली उठा लिहला का चलते मुकदमा दर्ज भइल बा. रोहतास पुलिस कोचस में छह गो अपराधियन के असलहा समेत गिरफ्तार कइले बिया. सिवान जिला के बहादुरपुर गाँव में एगो नाबालिग लइकी से कुकर्म करे वाला

सिवान के सुन्दरपुर पैक्स अध्यक्ष पर 27 लाख गबन के मुकदमा

धान खरीदे ला मिलल पैक्स के मिलल 27 लाख रुपिया के गबन कर लेबे के आरोप लगा के सिवान राज्य खाद्य निगम के प्रबंधक सुमेश्वर पाण्डेय बड़हरिया थाना में सुंदरपुर पैक्स अध्यक्ष गणेश प्रसाद सिंह पर गबन के मुकदमा दर्ज करा दिहले बाड़न.

पचरुखी से भगावल तीन गो लड़िकी हाजीपुर से बरामद

सिवान के पचरूखी से भगावल तीन गो लड़िकी के पुलिस हाजीपुर स्टेशन से बरामद कर लिहलसि.बाद में पता चलल कि एह तीनो के कुछ लड़ीका नौकरी लगावे का बहाने अपना साथे कलकत्ता ले गइल रहले सँ. ओहिजा एगो आर्केस्ट्रा पार्टी से नौकरी पर लगावे के बात भइल बाकिर ऊ ना मनलसि. एह बीच लड़िकियन के

सिवान चाँप ढाला पर बस आ ट्रेन के टक्कर

बुध का दिने सिवान चाँप ढाला पर सिवान के मार्वल इंजीनियरिंग कॉलेज के बस आ काठगोदाम एक्सप्रेस में टक्कर से कम से कम सात जने के मौत ओहिजे हो गइल जबकि कम से कम तेरह आदमी के अस्पताल में गंभीर हालत में भरती करावल गइल बा. जब टक्कर भइल तब ढाला खुलल रहुवे. दुर्घटना का

बस पर बरगद गिरला से सात लोग के मौत

सिवान से गोपालगंज जात एगो बस पर छोटपुर गाँव का लगे एगो पुरान बरगद के पेड़ गिर पड़ल. एह दुर्घटना में ओहिजे सात जने के मौत हो गइल. पन्द्रह लोग घवाहिल हो गइल बा. घवाहिल भा मरल लोग के गिनिती बढ़ सकेले काहे कि अबही बस में कुछ अउरी लोग दबाइल मिले के अनेसा बा.

सिवान जिला में डाक्टर के गोली मार के हत्या

सिवान के यूनानी मेडीकल कॉलेज के सहायक प्रोफेसर डा॰ इमरान हसन के कुछ अपराधी गोली मार के हत्या कर दिहलें. हत्यारन के भा हत्या का मकसद का बारे में अबहीं कुछ पता नइखे लागल.

‹‹Newer Posts