Go to ...
RSS Feed

सि‌वान

जदयू विधायक पर रंगदारी मांगे के अछरंग

नचनीयन साथे नाचे ला मशहूर जदयू विधायक श्याम बहादुर सिंह पटेल पर सिवान जिला के दुगो डॉ विक्रम चौहान अउरएम डॉ नवल किशोर पाण्डेय 20 लाख रूपया के रंगदारी मांगे के आरोप लगवले बाड़े। डॉ विक्रम चौहान के कहना बा कि बरीसन से बंद पड़ल पचरुखी चीनी मिल के जमीन ऊ नीलामी में खरीदले बाड़न

बिहारी विधायक छेड़खानी में धराइल

बिहार के सिवान से एमएलसी टुन्ना पांडेय के हाजीपुर रेल पुलिस आजु भोर में गिरफ्तार क लिहलसि. टुन्ना पर आरोप बा कि ऊ एगो नाबालिक लइकी से छेड़खानी कइलन जबकि उनकर कहना बा कि ऊ चार्जर निकाला ला आपन बैग खींचत रहले तबले ओह लइकी के नीन टूट गउवे आ ऊ भकुअइले हल्ला मचा दिहलसि.

लड्डन मियां नार्को टेस्ट करावे ला तइयार नइखे

कुछ दिन पहिले सिवान के पत्रकार राजदेव रंजन के हत्या का केस में सरगना बतावल जात लड्डन मियां के आजु शुक का दिने सिवान सीजेएम कोर्ट में पेश कइल गइल. ओकरा से नार्को टेस्ट करावे का बारे में पूछाइल कि एहपर ओकर का मन बा त ऊ नार्को टेस्ट करावे से साफे मना क दिहलसि.

छपरा न्यूज, 29 मई 2016

जेपी विश्वविद्यालय के तिसरका दीक्षान्त समारोह में बिहार के राज्यपाल आ कुलाधिपति रामनाथ कोविंद जी का हाथे 14 गो छात्रावन समेत कुल्ह 267 गो विद्यार्थियन के उपाधि दीहल गइल. एह मौका पर कुलाधिपति कोविंद सारण के माटी के सपूतन – देशरत्न राजेन्द्र प्रसाद, मजहरुल हक, गौतम ऋषि, ऋषि दधिचि, राजा मोरध्वज, भिखारी ठाकुर, राहुल सांस्कृत्यायन,

बहिन के मरला पर बहनोई का खिलाफ केस कइलसि साला

गोरखहुर के बेटी सिवान के बङरा पंचायत में बिआहल रहुवे. कुछ दिन पहिले संदेह जनमावत हालात में ओकर मौत हो गइल. खबर पा के नइहर के लोग चहँपले त ओह लोग के पता लागल कि सलवार सूट पहिरला से ओकर मरद अतना खिसियाइल कि भर मन डंडा से कुटलसि आ ओकरा बाद दवाई का नाम

पत्रकार राजदेव के सराध में ना लउकलें सत्ताधारी

सिवान के पत्रकार राजदेव के सराध का दिने जदयू भा राजद के कवनो नेता ना लउकलें. बाकिर सिवान से भाजपा के सांसद ओमप्रकाश यादव आ सिवान भाजपा जिलाध्यक्ष अभिमन्यु सिंह जरूर हाजिर रहलें. पटना से दैनिक हिन्दुस्तान के संपादक डा. तीर विजय सिंह सहित पटना के संपादकीय टीमो आइल रहुवे परिवार के तोस देबे खातिर.

साहेब अब तारीखो पर सिवान ना आ पइहें

पत्रकार राजदेव रंजन के हत्या के सुराग सिवान जेल तक गइला क बाद सिवान के खूनख्वाह नेता, राजद सांसद रहल शहाबुद्दीन के सिवान जेल से हटा के भागलपुर जेल भेज दीहल गइल बा। अब उनका के कोर्ट का तारीखो पर सिवान ना ले आवल जाई सरकार अइसनका फैसला कइले बिया। एह फैसला से सिवान के

पत्रकार के गोली मार के मुआ दीहल गइल सिवान में

बिहार के लोकप्रिय हिन्दी अखबार हिन्दुस्तान के सिवान ब्यूरो चीफ राजदेव रंजन के कुछ अपराधी टाउन थाना इलाका में ओवरब्रिज का लगे आजु सँझिया करीब साढ़े सात बजे गोली मार दीहलें. गोली मुड़ी से सटा के मारल गइल. एगो गोली माथ में आ दोसर गोली गरदन में लागल. बहुते घवाहिल एह पत्रकार के मौत अस्पताल

सोमार का रात आइल तूफान से बेतिया आ गोपालगंज में बहुते नुकसान

सोमार का रात हर घंटे 70 किलोमीटर के दूरी पार करत आइल तूफान से बिहार के चार गो जिला झकझोरा गइल. चंपारण आ गोपालगंज में बहुते संपति के नुसान भइला के खबर बा. एह आंधी का साथही आइल बरखा आ बनरी गिरला से आम आ लीची के फसल के बहुते नुकसाल भइल बा. नरकटियागंज, रक्सौल,

मस्जिद का नियरा श्रीरामनवमी के जुलूस पर ढेलामारी

सत्ता के गुमान आ प्रशासन के बेबसी से मनबढ़ू बनल लोग काल्हु गोपालगंज, मीरगंज आ सिवान में श्रीरामनवमी के जुलूस पर ढेलामारी कइले आ उपद्रव मचवले. बेबस प्रशासन बवालियन पर कड़ाई करे का जगहा समुझावे बुझावे में लागल रहल आ जुलूसे के रोके लागल. एह चलते कुछ देर ला बवाल बेकाबू बन गइल. हालात बिगड़े

अपराध के खबर बिहार के भोजपुरी इलाका से

पूर्वी चंपारण जिला के चकिया इलाका से पुलिस एगो अपराधी राम सिंह के गिरफ्तार कइले बिया. ई कुख्यात मनोज सिंह गिरोह के सदस्य बतावल जात बा. स्टेट बैंक के चकिया शाखा में आठ लाख रूपिया गबन करे का मामिला में बैंक के उप प्रबंधक अखिलेश्वर पांडेयआ एकाउटेंट संजय कुमार समेत तीन गो कर्मचारियन का खिलाफ

बिहार से अपराध के खबर

बेतिया में मझौलिया प्रखंड के पारस पकड़ी गांव में शनिचर का रात स्टेट बैंक शाखा के जंगला के ग्रिल काटके करीब 50 लाख के गहना आ साढ़े आठ रुपिया नगदी चोरा ले गइल बाड़ें स चोर. बैंक में लगावल कैमरा के तार पहिलहीं काट दिहले रहले सँ जवना से पुलिस के जानकारी नइखे मिलत. शुक

महिला फुटबॉल के फाइनल में पश्चिम चंपारण आ सिवान में मुकाबला आज

बक्सर में होखत 10वीं बिहार राज्य सीनियर महिला फुटबॉल के फाइनल मैच आज दुपहरिया एक बजे से किला मैदान में पश्चिम चंपारण आ सिवान के टीमन का बीचे होखे वाला बा. काल्हु भइल दुसरका सेमीफाइनल में सिवान के टीम पटना टीम के एक गोल से हरा दिहलसि. पटना टीम कवनो गोल ना कर सकल.

सिवान जेल में बंद कैदी के मौत

महाराजगंज इलाका के छोटका टेघड़ा गाँव के रहे वाला पचास बरीस उमिर के पासपति चौधरी सोमार का दिने अदालत में सरेंडर कइले रहुवे. ओकरा पर गैरकानूनी शराब बेचे के मुकदमा रहुवे. बुध के रात खाना खइला का बाद अचानके ओकर तबियत खराब हो गइल. इलाज खातिर ओकरा के सदर अस्पताल भेजल गइल बाकिर ओकर मौत

अपराध आ हादसा के खबर बिहार से

पश्चिम चम्पारण जिले के बैरिया इलाका के बगही नाथ बाबा चौक का नियरा से एगो तस्कर के चार किलो चरस का साथे ध लिहलसि पुलिस. चरस के दाम एक करोड़ बतावल जात बा. रोहतास जिला में अभियान चला के पुलिस 33 गो वारंटियन के गिरफ्तार करे में सफल हो गइल आ सात गो का घर

कुतुब छपरा गाँव में डकैती

सिवान जिला के हुसैनगंज इलाका के कुतुब छपरा गांव में सोमार का रात दू गो घर में डकैती डाल के 18 लाख रुपिया से अधिका के संपति लूट लीहल गइल. एहमें साढ़े तीन लाख रुपिया नगदो शामिल बा. बतावल जात बा कि डकैतन के एह गिरोह में पन्द्रह गो से अधिका डकैत शामिल रहलन स

चार जने के कचारत भाग निकलल ट्रक

सोमार के देर रात सिवान का तरफ से आवत एगो ट्रक सिवान मैरवा रोड पर जीरादेई मोड़ का नियरा चार गो होमगार्ड जवानन के कचारत भाग गइल. दू गो होमगार्ड जवान के ठांवे पर मौत हो गइल आ दू गो घवाहिल जवानन के अस्पताल में भरती करावल गइल बा. चारो होमगार्ड जीरादेई में तैनात रहलें.

हत्यारा शहाबुद्दीन के उमिर कैद

सिवान जिला के कुख्यात सांसद रहल राजद नेता के साल 2004 में दू गो भाईयन के तेजाब से नहवा के दर्दनाक मौत दिआवे वाला हत्यारा शहाबुद्दीन के आजु उमिर कैद के सजा सुना दीहल गइल। ओकरा तीन को गुर्गनो के इहे सजा सुनावल गइल बा। एह हत्या के गवाहो के बाद में जान ले लीहल

राजद के अपराधी नेता शहाबुद्दीन के अदालतो हत्यारा मान लिहलसि

सिवान जिला के एगो विशेष अदालत काल्हु राजद का तरफ से सिवान के सांसद रह चुकल नेता शहाबुद्दीन के हत्यारा मान लिहलसि. एगारह बरीस पहिले दू गो नवहियन पर तेजाब डाल के ओहनी के हत्या करे का मुकदमा में अदालत काल्हु शहाबुद्दीन समेत चार जने के हत्यारा मान लिहलसि. एहमें से बाकी तीन जने –

मैरवा, गोपालपुर आ गोरियाकोठी से हत्या आ अपराध के खबर

सिवान जिला के गोरियाकोठी इलाका में एगो नवही अपना प्रेमिका के एह बात ला हत्या क दिहलसि कि उ ओकरा से शादी करे ला तइयार ना रहुवे. मैरवा इलाका के मेन बाजार में जमीन के झगड़ा में कुछ बदमाश एगो मिठाई दुकानवाला के गोली मार के हत्या क दिहले. गोपालगंज जिला के महम्मदपुर इलाका के

Older Posts››