सिवान
सिवान जिला के धनौती इलाका के मोजाहिदपुर गाँँव के एगो बंगाली डाक्टर के लोग पीट पीट के मुआ दीहल. बतावल जात बा कि ई बंगाली डाक्टर गाँवे के एगो आदमी के घर में चोरी करे घुसल रहुवे जब घर के सगरी सँवाग सूतल रहलें. जवना कमरा में पांच गो बचवा सूतल रहले सँ ओह में
सिवान जिला के भगवानपुर थाना के सकरी गाँव में मोटर साइकिल से आइल डकैत उत्तर बिहार क्षेत्रीय ग्रामीण बैंक में डाका डाल के सोमार का दुपहरिया करीब चार लाख रुपिया लूट ले गइले सँ. लूट का बाद ओकनी के सारण जिला के जनता बाजार का तरफ भागत देखल गइल. बतावल जात बा कि डकैत आवते
बिहार आ यूपी के जोड़े वाला खरीद दरौली पीपा पुल बन के तइयार हो गइल बा आ काल्हु अतवार का दिन से एह पर दुपहिया वाहनन के आवाजाही शुरु हो गइल. घाघरा नदी पर बनल ई पीपा पुला बलिया के खरीद के सिवान जिला के दरौली से जोड़ेला. पुल ना रहला से या त लोग
सिवान जिला के हसनपुरा इलाका के शिवाला घाट पर छठ पूजा में शामिल होखे आइल एगो औरत के दू गो बदमाश कट्टा देखा के छेड़खानी कइले आ ओकरा गरदन से चेन नोच ले भगले. बाद में नाराज लोग सड़क जाम क के बदमाशन के गिरफ्तारी के मांग कइल त प्रशासन ओह लोग के डरा धमका
सिवान जिला के पचरूखी बाजार के एगो व्यवसायी हरिशंकर के किडनैपिंग के मामिला के खुलासा करे में अतवार का दिने पुलिस के टीम पचरूखी चहुँपल. टीसन के प्लेटफार्म आ अगल बगल के दुकानन के बारीकी से देखलसि आ कुछ साक्ष्य बटोर के वापस हो गइल. सोमारो का दिने जाँच करे वाली टीम पचरुखी अइली सँ
सिवान शहर के पाल नगर के रहेवाला एगो व्यवसायी के दुकान दरबार मार्केट में आरोही मोबाइल के नाम से बा. धनतेरस का रात जब ऊ दुकान बंद क के निकललन त एगो मोटरसाइकिल से आइल दू गो बदमाश उनका के चहेट लिहलन स आ घर का सोझा चहुँपत चहुँपत उनका हाथ से रुपिया वाला थैला
सिवान जिला के गुठनी इलाका के ग्यासपुर गांव में अपना नाना के सराध खातिर आइल एगो नवही के अतवार के रात में सड़क हादसा में मौत हो गइल. यूपी के देवरिया जिला के बौलिया पाण्डेय गांव के नवही दीपक राय सराध के भोज खा के लवटत रहुवे जब बीच राह में ओकर मोटरसाईकिल बेकाबू हो
जीतन राम माँझी के पेंच फँसवला का चलते शनिचर का दिने राजग के सीट बँटवारा के एलान ना हो सकल. माँझी के जिद्द बा कि उनुका रामविलास पासवान के लोजपा का बराबरे सीट दीहल जाव काहे कि उनुका साथे तेरह गो विधायक बाड़ें जबकि लोजपा में एको ना. एह पेंच के सझुरावे में राजग के
चुनाव नजर में राख के हाल ही में नीतीश सरकार बहुते अधिकारियन के एने से ओने कइले रहुवे बाकिर चुनाव के एलान होखला का बाद आयोग के हनक हावी हो गइल बा. काल्हु चुनाव आयोग का आदेश का बाद बिहार सरकार के गृह सचिव आ सामान्य प्रशासन सचिव आमिर सुबहानी के हटा दीहल गइल बा.
शनिचर का दिने एगो भव्य समारोह में राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी का हाथे राष्ट्रीय खेल पुरस्कार दीहल गइल. स्टार टेनिस खिलाड़ी सानिया मिर्जा के राजीव गांधी खेल रत्न से नवाजल गइल. उनुका एगो पदक आ प्रमाणपत्र का साथे साढ़े सात लाख रुपिया नगदी मिलल. अउरी सम्मानित खिलाड़ियन में शामिल रहलें बैडमिंटन खिलाड़ी किदांबी श्रीकांत, निशानेबाज जीतू
जम्मू कश्मीर के आर एस पुरा सेक्टर से लागल देश के सिवान पर पाकिस्तानी सेना के गोलीबारी में काल्हु शुक का दिने तीन गो नागरिक के मौत हो गइल आ 17 जने घवाहिल हो गइले. जबाबी कार्रवाई में ओनियो कई लोग के जान जाए आ घवाहिल होखे के खबर बा. जम्मू कश्मीर में शुक का
देवघर बाबाधाम का लगे एगो बेलाबागान का मंदिर में नियरा आजु सोमार के सबेर में मचल भगदड़ से नाहियो त एक दर्जन लोग के मौत हो गइल आ पचास जने घवाहिल हो गइले. प्रशासन के कहना बा कि घवाहिलन के गिनिती अबहीं अउर बढ़ सकेला. प्रशासन लाठी चार्ज का चलते भगदड़ होखे के बातो नकारत
भाजपा के एगो बड़ नेता आ सांसद रहल रामनाथ कोविंद के बिहार के राज्यपाल आ शिक्षाविद आचार्य देवव्रत के हिमाचल प्रदेश के राज्यपाल बनावल गइल बा. पेशा से वकील रहल 69 साल के रामनाथ कोविंद उत्तर प्रदेश के कानपुर से हउवें आ भाजपा के अनुसूचित जाति मोरचा के प्रमुखो रहल बाड़े. बिहार के नयका राज्यपाल
सिवान जिला के नौतन इलाका के मुरारपट्टी में एगो नवही के हत्या बियफे का रात गरदन दबा के कर दीहल गइल. भोर में ओकर लास गाँव का बधार में मिलल. कुछ दिन पहिलहीं ऊ विदेश से कमाई क के लवटल रहुवे. गोरेयाकोठी से सिवान आवत एगो टेम्पो सिवान-तरवारा मेन रोड पर नथनपुरा गांव का नियरा
(सोमार, 16 मार्च के खबर) इलाहाबाद जिला न्यायालय में दरोगा से अझुरइला का चलते भइल वकील के हत्या का खिलाफ देश भर के वकील विरोध दिवस मनवले सोमार का दिने आ बिहार यूपी के अदालतन में कतहीं कवनो काम ना हो पावल. एह लोग के शिकायत बा कि गोली मारे वाला दरोगा के हीरो काहे
(अतवार, 15 मार्च के खबर) सोमार से वाराणसी सिटी से गाजीपुर सिटी का बीच एगो नया डीएमयू चलावल जाई जवन नौ बजे सिटी से खुल के साढ़े एगारह बजे गाजीपुर चहुँपी आ ओहिजा से वापसी में तीन बजे गाजीपुर से खुली साँझ सवा पाँच बजे सिटी टीसन चहुँपी. सोमारे से छपरा मंड़ुआडीह डीएमयू के बंद
(शनिचर, 14 मार्च के खबर) गाजीपुर जिला के शादियाबाद इलाका के करीमुल्लाहपुर गाँव में एगो औरत अपना तीन गो बेटन के फाँसी पर लटकवला का बाद अपनहूँ फाँसी पर लटक के जान दे दिहलसि. हालांकि ओकरा नइहर के लोग ओकरा मरद आ ससुर पर हत्या करे के आरोप लगावत मुकदमा लिखववले बाड़े. बलिया जिला के
(शुक, 13 मार्च के खबर) बुध का रात बक्सर में भइल सड़क हादसा का बाद भइल बवाल खातिर चार गो मुकदमा दर्ज कइले बिया पुलिस आ डेढ़ हजार लोग का खिलाफ एफआईआर लिखले बिया. एहमें 45 लोग के नामजद आरोपी बनावल गइल बा. रोहतास जिला के काराकाट इलाका के धवनी गांव में बियफे का रात
(बियफे, 12 मार्च के खबर) बक्सर शहर के सिंडीकेट आ गोलंबर के इलाका बुध का सगरी रात जरत रह गइल. सड़क हादसे में चार आदमी के मौत आ एक दर्जन लोग के घवाहिल भइला का बाद खिसियाइल लोग के बवाल देखत इहे बुझाव कि पुलिस प्रशासन पर से लोग के भरोसा उठ गइल बा. प्रशासन
(मंगल, 10 मार्च के खबर) बिहार विधानसभा में आजु नीतीश सरकार के आपन बहुमत साबित करे के बा. एह वोटिंग में जीतन राम माँझी आ उनकर समर्थक विधायको नीतीशे का पक्ष में वोट करीहें ना त विधायिकी छीना जाई. मंगल का दिने लोकसभा में भूमि अधिग्रहण, पुनर्वास आ पुनर्स्थापन विधेयक पारित हो गइल. सरकार एह
Older Posts››
‹‹Newer Posts