Go to ...
RSS Feed

सीएमओ

बलिया सीएमओ पर घपलेबाजी के मुकदमा

बलिया के सीएमओ रहल डा॰ मंसूर अहमद समेत उनइस जने पर एनआरएचएम में घपलेबाजी क के करोड़ो रुपिया के बंदर बाँट करे का मामिला में केस दर्ज करे के आदेश सीजेएम कोर्ट से हो गइल बा. एह लोग प आरोप बा कि एह योजना खातिर अलग अलग पद पर दू दू हाली फर्जी तरीका से

लमहर बीमारी का बाद बलिया के सीएमओ के मौत

परसो शुक का दिने बलिया के सीएमओ डा॰ प्रदीप कुमार सिंह के मौत कोलकाता के अस्पताल में हो गइल जहवाँ ऊ किडनी फेल होखला का चलते डायलिसिस पर रहलें. ढेर दिन से बीमार सीएमओ के मौत हालांकि अचानके हो गइल कहाइल. बहुते डाक्टर आ नर्स लोग बहाली खातिर उनुका से उम्मीद लगवले रहुवे. अब ओह

गोंडा के सीएमओ, डीएम आ एसपी के तबादला कर दिहल गइल

पिछला हफ्ता गलत कारण से चरचा में रहल गोंडा के सगरी किरदार हटा दिहल गइलें. मंत्री जी के इस्तीफा ले लिहल गइल त सीएमओ, डीएम आ एस पी के तबादला कर दिहल गइल. अखिलेश सरकार के ई मामिला बहुते बेजाँय लागल आ एहमें ऊ केहु संगे कवनो रियायत बरते के तइयार नइखे. पूरा खबर पढ़ी

गोंडा सीएमओ काल्हु ड्यूटी पर लवटि अइलें

चार दिन ले गायब रहल गोंडा के सीएमओ डा॰ एसपी सिंह काल्हु वापस लवटि अइलें आ ड्यूटी ज्वायन कर लिहलें. बतवलें कि उनुका के प्रशासन लखनऊ भिजवा दिहले रहुवे जहवाँ ऊ अपना एगो रिश्तेदार का घरे रहलन. इहो कहलन कि राजस्व राज्य मंत्री बिनोद सिंह उनुका के अधरतिया में जबरदस्ती आफिस ले के अइलन आ

दबंग मंत्री बिनोद सिंह के छूट्टी

गोंडा के सीएमओ डा॰ एस॰पी॰ सिंह से दबंगई करे के आरोपी यूपी के राजस्व मंत्री बिनोद सिंह उर्फ पंडित सिंह के मंत्रीमंडल से छूट्टी कर दिहल गइल. चौतरफा दबाब झेलत मुख्यमंत्री बिनोद सिंह से इस्तीफा मंगा के राज्यपाल के भेजवा दिहलन. ओने अबहीं ले लापता सीएमओ के पता नइखे चलल. पूरा खबर पढ़ी