web analytics

टटका खबर, मंगल, वैशाख अँजोरिया षष्ठी, 2078 विक्रमी

काल्हु के दिल कोलकाता तृणमूल कांग्रेस के लंगटई देखलसि जब सीबीआई ममता सरकार के दू गो मंत्रियन – फरहाद हकीम आ सुब्रत बनर्जी – का साथही कोलकाता के मेयर रहल सोवन चटर्जी आ विधायक मदन मित्रा के नारदा मामिला में गिरफ्तार क लिहलसि. गिरफ्तारी के खबर सुनते टृणमूलिया निजाम पैलेस में सीबीआई मुख्यालय पर धावा … Read more

 142 total views

हिन्दू विरोधी साजिश नाकाम हो गइल

अयोध्या में श्रीराम मन्दिर तूड़ के बनावल बाबरी मस्जिद के ढाँचा गिरावल गइला का बाद तब के कांग्रेसी सरकार हिन्दू संगठनन के प्रभावशाली लोगन पर साजिशन मुकदमा लाद दिहले रहुवे.सुनल सुनावल बात आ हवाई सबूतन का नाम पर 28 बरीस से एह लोग के परेशान कइल जात रहुवे.अब काल्हु एह मामिला पर सुनावाई ला बनावल … Read more

 124 total views,  1 views today

टटका खबर, 25 अप्रैल 2017, मंगल

आजु यूपी कैबिननेट का मीटिंग में कई गो फैसला लीहल गइल जवना में सबले खास रहल भूमाफियन का खिलाफ टास्क फोर्स बनावे आ महापुरुषन का नाम प मिले वाली छुट्टयन के रद्द कइल. बइठक के अध्यक्षता यौगी आदित्यनाथ कइलन. बइठक का बाद राज्य के ऊर्जा मंत्री श्रीकांत शर्मा पत्रकारन के बतवलन कि भूमाफियन का खिलाफ … Read more

 93 total views

टटका खबर : 9 सितंबर 2014

टटका बिहार सिवान जिला के बड़हरिया में अतवार का दिने निकलल महाबीरी जुलूस के कुछ लोग चैन छपरा गाँव के मस्जिद का लगे से ना निकले दिहल जवना का बाद इलाका में तनाव पसर गइल बा. भारी पुलिस बंदोबस्त लगावल गइल बा कि हालात बिगड़े मत. इलाका में सोमारो का दिने कुछेक जगहा आगजनी, पथराव … Read more

 455 total views

न्यायमूर्ति अंसारी पटना उच्च न्यायालय के न्यायाधीश पद के किरिया लिहलन

पटना 11 नवम्बर (वार्ता) न्यायमूर्ति इकबाल अहमद अंसारी आजु सोमार का दिने पटना उच्च न्यायालय के न्यायाधीश पद के किरिया लिहले. उनुका के किरिया दिआवे के काम पटना उच्च न्यायालय के मुख्य न्यायाधीश रेखा एम दोशित कइली. न्यायमूर्ति अंसारी गुवाहाटी उच्च न्यायालय से स्थानांतरित हो के आइल बानी. इहें के सीबीआई के गठन के असंवैधानिक … Read more

 313 total views

मायावती का खिलाफ मामिला बंद कर दी सीबीआई

सीबीआई के सूत्र बतावत बाड़े कि जाँच एजेन्सी जल्दिए उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री रहल आ बसपा सुप्रीमो मायावती का खिलाफ आमदनी से अधिका के सम्पत्ति होखे के मामिला बंद कर दी. कुछ समय पहिलही सीबीआई सपा मुखिया मुलायम सिंह यादवो का खिलाफ अइसने मुकदमा बंद कर दीहले रहे. सपा आ बसपा केन्द्र में यूपीए सरकार … Read more

 380 total views

नीतीशो के मामिला में सीबीआई के दुरूपयोग के अनेसा जतवलसि भाजपा

चारा घोटाला मे आरोपन के सामना करत बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार का बारे मे अदालत में दाखिल होखे वाला सीबीआई के हलफनामा पर भाजपा के अनेसा बा कि कहीं एकरो हाल उहे मत हो जाव जवन कोयला मामिला मे उच्चतम न्यायालय मे प्रधानमंत्री के बारे मे दाखिला हलफनामा जइसन मत हो जाव. झारखंड उच्च … Read more

 352 total views,  5 views today

सतर्कता आयोग सीबीआई से सफाई मंगलसि

केद्रीय सतर्कता सीबीआई से सपा प्रमुख मुलायम सिंह यादव आ रेल मंत्री रहल पवन बंसल के क्लीनचिट दिहला का बारे में सफाई मंगले बावे. पूछले बा कि का सीबीआई कवनो दबाव में आ के एह दुनु जने के क्लीनचिट दिहले बावे. सतर्कता आयोग एगो गैर सरकारी संगठन “रेजुवेनेटिंग इंडिया” के शिकायत पर सीबीआई से ई … Read more

 380 total views

मुलायम का खिलाफ मामिला बंद कइलसि सीबीआई

केन्द्र के संप्रग. सरकार के बाहर से र्समथन देत समाजवादी पार्टी के अध्यक्ष मुलायम सिंह यादव आ उनुका परिवार का खिलाफ जायज आमदनी से अधिका के संपति होखे के मुकदमा सीबीआई.अब बंद कर दी काहे कि ओकर कहना बा कि एह लोग का खिलाफ ओकरा लगे सुबूत नइखे. उच्चतम न्यायालय पिछला साल व्यवस्था दिहले रहे … Read more

 396 total views

लालू के गोहार पर कोर्ट आपन फैसला बचा के राख लिहलसि

सीबीआई अदालत के जज बदलवावे के लालू प्रसाद के अरजी पर सुनवाई पूरा कर के सुप्रीम कोर्ट आपन फैसला बिना सुनवले राख लिहले बिया. चारा घोटाला मामिला में जवना अदालत में लालू का खिलाफ मुकदमा चलत बा तवना के जज बिहार सरकार के शिक्षा मंत्री पीके शाही के रिश्तेदार हउवें आ एही बिना पर लालू … Read more

 336 total views

ब्रह्मेश्वर मुखिया के हत्या के जाँच सीबीआई से करावल जाई

बिहार सरकार आखिरकार एह बात ला तइयार हो गइल कि रणवीर सेना के प्रमुख रहल ब्रह्मेश्वर मुखिया के हत्या के जाँच सीबीआई से करावल जाई. अनेके राजनीतिक दल एकर माँग करत रहलें आ पहिले सरकार के कहना रहल कि बिहार पुलिस एकर जाँच करे में पूरा सक्षम बिया. सरकार के एह फैसला के भाकपा माले … Read more

 361 total views