web analytics

कपटी, कामचोर, भठियारा, मुनाफाखोरन के अरमान पर पानी पड़ल

टटका खबर, मंगल, जेठ अन्हरिया त्रयोदशी, 2078 विक्रमी कपटी, कामचोर, भठियारा, मुनाफाखोरन के अरमान पर पानी फेरत केन्द्र सरकार एलान कर दिहलसि कि अब देश के 18 बरीस से उपर के सगरी नागरिकन के केन्द्र का खरचा पर कोरोना वैक्सिन लगावल जाई. कोरोना वैक्सिन बनावे वाली कंपनियन के 75 प्रतिशत उत्पाद केन्द्र सरकार खरीद ली … Read more

Loading

टटका खबर, शनीचर, जेठ अन्हरिया दशमी, 2078 विक्रमी

मारीशस के राष्ट्रपति आ प्रधानोमंत्री रह चुकल अनिरुध जगनाथ के 91 बरीस का उमिर में 3 जून, बियफे का दिने गंगा लाभ हो गइल. उनुका सम्मान में भारत सरकार आजु शनीचर का दिने एक दिन के राष्ट्रीय शोक मनावे के एलान कइले बिया आ एह चलते राष्ट्रध्वज आधा झुका के फहरावल जाई. साथही देश भर … Read more

Loading

टटका खबर, बुध, वैशाख पूर्णिमा, 2078 विक्रमी

1985 बैच के भारतीय पुलिस सेवा के अधिकारी सुबोध कुमार जायसवाल के काल्हु केंद्रीय जांच ब्यूरो के निदेशक बना दीहल गइल. कुछ दिन पहिले प्रधानमंत्री, मुख्य न्यायाधीश, आ प्रमुख विरोधी दल के नेता से बनल चयन समिति तीन गो नाम सुझवले रहुवे जवना में जायसवाल के नाम शामिल रहुवे. ओकरा बाद कार्मिक, जन शिकायत अउर … Read more

Loading

टटका खबर, अतवार, वैशाख अँजोरिया द्वादशी, 2078 विक्रमी

शनीचर का दिने भइल अंतर्राष्ट्रीय हॉकी महासंघ अध्यक्ष के चुनाव में भारत के डॉ नरेंद्र ध्रुव बत्रा बेल्जियम के अपना प्रतिद्वंद्वी मार्क काउड्रोन के दू वोट से हरावत दुबारा अध्यक्ष बन गइलें. 47 बरीस में पहिला बेर अइसन भइल बा कि कवनो भारतीय दुबारा अध्यक्ष बनल बाड़ें. अब डॉ बत्रा साल 2024 तक ले अंतर्राष्ट्रीय … Read more

Loading

टटका टटका, अतवार, 13 सितम्बर 2020

प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी आजु बिहार में पेट्रोलियम क्षेत्र के तीन गो परियोजना राष्ट्र के समर्पित कइलें. एहमें पारादीप-हल्दिया-दुर्गापुर पाइपलाइन के विस्‍तार करत दुर्गापुर-बांका खंड अउर पूर्वी चंपारण आ बांका में रसोई गैस सिलेंडर भरे वाला दू गो एलपीजी संयत्र शामिल बाड़ी स. नौ सौ करोड़ रूपिया के एह योजनन से ढेरे लोगन के रोजगार मिली … Read more

Loading

टटका खबर, 1 सितम्बर 2020, मंगल के

गोरखपुर के बाल चिकित्सक डॉ कफील खान के इलाहाबाद उच्च न्यायालय रिहा कर दिहलसि. अदालत के कहना बा कि अलीगढ़ मुस्लिम निश्वविद्यालत का सामने जवना भाषण का चलते कफील पर रासुका लगावल गइल ऊ भाषण त एकता आ सद्भाव फैलावे वाला रहुवे. ओह भाषण का चलते खान पर रासुका लगावल गलत रहुवे.बाद में मंगल बुध … Read more

Loading

टटका खबर, बुध 26 अगस्त 2020 के

NEET आ JEE(Main) परीक्षा टारे खातिर हो रहल लगातार नेतागिरी का बावजूद परीक्षा अबहीं टरल नइखे. केन्द्र सरकार नइखे चाहत कि विद्यार्थियन के एक साल बरबाद हो जाव. काल्हु नीट परीक्षा में शामिल होखे जात करीब सात लाख परीक्षार्थी पहिले दिने आपन एडमिट कार्ड नेट से उतारि लिहलें. जी (मेन) परीक्षा कें करीब साढ़े सात … Read more

Loading

टटका खबर, सोमार 24 अगस्त 2020 के

सात घंटा ले चलल नौटंकी का बाद सोनिया गाँधी तय क लिहली कि ऊ आपन इस्तीफा ना सकरीहें आ तब ले कांग्रेस के अध्यक्ष बनल रहीहें जब ले कांग्रेस आपन नया अध्यक्ष नइखे चुन लेत. बाकिर इहो साफ हो गइल कि अब सोनिया गाँधी में अतना बेंवत नइखे रहि गइल कि कि ऊ पूरा पार्टी … Read more

Loading

मटुक छपरा के दु जने के उमिर कैद के सजा मिलल

सीवान जिला के पचरुखी थाना के मटुक छपरा गाँव के रघुवीर मिश्रा आ अरविंद कुमार मिश्रा के उमिर कैद के सजा सुनावल गइल बा. एह लोग के अपने गाँव के श्रीराम मिश्रा के हत्या करे के दोषी पवलसि कोर्ट आ उमिर कैद दे दिहलसि. दुनु जने पर पचीस पचीस हजार रुपिया के जुरमानो लगावल गइल … Read more

Loading