Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

RSS Feed

सुखपुरा

मुगलसराय अब दीनदयाल

यूपी के चंदौली जिला में स्थित मुगलसराय टीसन के नाम जनसंघ के अध्यक्ष रहल स्व. दीनदयाल उपाध्याय का नाम प राखे के प्रस्ताव के केन्द्र सरकार मंजूरी दे दिहलसि. हालांकि ‘मुगल’ सराय में रहे वाला विपक्ष एकरा विरोध में बा. मोतिहारी में एगो समारोह में राज्य के परयटन मंत्री प्रमोद कुमार कहलन कि बिहार के

ससुरारी आइल दामाद के गोली लगला से मौत

बलिया जिला के मनियर इलाका के छितौनी गाँव के कृष्णा सिंह लड़की के घरवालन के मर्जी के खिलाफ सुखपुरा के एगो सजाते लड़की से शादी कइले रहलन. हाल में एक दिन कवनो बात पर दुनू बेकत में झगड़ा हो गइल जवना का बाद लड़की के घरवाले ओकरा के ले के नईहर चल गइले. ओकरा के

जहरीला शराब मामिला में एसओ आ चौकी इंचार्ज ससपेंड

बलिया जिला के सुखपुरा इलाका के धरहरा गाँव में पिछला दिन जहरीला शराब पियला से तीन लोग के मौत आ कई लोग के आँख खराब होखे का मामिला में लापरवाही बरते का चलते एसओ सुखपुरा, हनुमानगंज चौकी इंचार्ज आ धरहरा बीट के सिपाही के सस्पेंड कर दीहल गइल बा. पिछला बुध का दिने परधानी के

सताइस बरीस के नवही फाँसी पर झूलत मिलल

बलिया के सुखपुरा इलाका के जीराबस्ती नई बस्ती में अपना रिश्तेदारी में रहत एगो नवही के लाश बियफे के दुपहरिया में फाँसी पर लटकत मिलल. सिकन्दरपुर के सिवानकलां के ई नवही काहे फाँसी लगवलसि भा ओकर मौत कइसे भइल एह गुत्थी के सझुरावे में पुलिस लागल बिया.

बलिया के बसंतपुर में शराब चुआवे के धंधा

शनिचर का दिने आबकारी पुलिस सुखपुरा इलाका के बसंतपुर गांव में छापा मार के दू हजार लीटर अधबनल कच्चा शराब आ सौ लीटर बनल कच्चा शराब पकड़लसि. बाकिर कवनो आदमी ना पकड़ा पाइल. शराब के ओहिजे गिरा दिहल गइल आ शराब चुआवे वाली पन्द्रह गो भट्ठियन के धँसा दिहल गइल.

जहरखुरान के फेर मे पड़ के मर गइल शेरवा कलां के एगो नवही

दिल्ली से कमा के सद्बावना एक्सप्रेस से बलिया लवटत सुखपुरा थाना के शेरवाकलां के एकइस साल के राधेश्याम प्रजापति के बीचे राह में कुछ जहरखुरान कोल्ड ड्रिंक में जहर मिला के पीया दिहलें जवना से ऊ अर्धबेहोशी का हालत में आ गइल. एह बीच ओकर सगरी सामान, मोबाइल वगैरह ले के उतर गइलें. राधेश्याम ओही