Go to ...
RSS Feed

सूखाग्रस्त

यूपी के सूखाग्रस्त इलाकन ला 1304 करोड़ दिहलसि केन्द्र सरकार

केन्द्र सरकार उत्तर प्रदेश के सूखाग्रस्त इलाकन खातिर राष्ट्रीय आपदा राहत कोष से एक हजार तीन सौ चार करोड़ रूपिया राहत के काम ला देबे के मंजूरी दे दिहले बिया. राज्य सरकार से कहल गइल बा कि ई राशि किसानन के बैंक खातन में एक हप्ता का भितरे चहुँप जाए क चाहीं. ई फैसला काल्हु

बलिया गाजीपुर के सूखाग्रस्त घोषित कइलसि यूपी सरकार

यूपी सरकार राज्य के पचास गो जिला के सूखाग्रस्त घोषित कइले बिया जवना में बलिया, गाजीपुर, जौनपुर, मऊ, मिर्जपाुर, भदोही, चंदौली आ सोनभद्र के नाम शामिल बा. सूखाग्रस्त घोषित भइला का बाद अब एह जिलन में राजस्व वसूली रोक दीहल गइल बा. राजस्व विभाग के प्रस्ताव के काल्हु कैबिनेट से मंजूरी मिल गइल.

बिहार के 38 मे से 33 गो जिलन के सूखाग्रस्त घोषित

मुख्यमंत्री नीतीश कुमार का अध्यक्षता मे कैबिनेट के काल्हु भइल विशेष बैठक मे 33 गो जिलन के सूखाग्रस्त घोषित करे के प्रस्ताव के मंजूरी दिहल गइल. एह जिलन में अब किसानन से पटवन आ बिजली शुल्क ना वसूलाई. (वार्ता)