Go to ...
RSS Feed

सेंसेक्स

शेयर मार्केट में बिकवाली के दौर नउवों दिने जारी

पिछला आठ सत्र से बिकवाली के दौर झेलत देश के शेयर बाजार सोमारो का दिने जारी रहल. बाजार बन्द होखे का बारे जोरदार गिरावट देखे के मिलल आ सेंसेक्स 372 अंक का गिरावट का साथे 37091 पर आ निफ्टी 131 अंक के गिरावट का साथ 11148 पर बन्द भइल. जानकारन के कहना बा कि चुनावी

सेंसेक्स भइल 37 हजारी, निफ्टिओ रिकॉर्ड स्तर पर

मुंबई 26 जुलाई (वार्ता). अर्थव्यस्था का बारे में निवेशकन में बनल सकारात्मक धारणा का चलते बैंकिंग, वित्त आ पावर समूह में भइल लिवाली का दम पर सेंसेक्स आजु पहिला बेर 37 हजार अंक के पार पहुँचे में कामयाब रहल आ आखिर में 126.41 अंक के बढ़त लेत 36,984.64 अंक के रिकॉर्ड स्तर पर बंद भइल.

काल्हु के गिरल बाजार आजु उछाह में आइल

सेंसेक्स 578 अंक त निफ्टी 197 अंक उछलल. मुम्बई 05 अप्रैल (वार्ता). अमेरिका चीन के व्यापारिक तनातनी कम होखे के खबर, विदेशी बाजारन से मिलन बढ़िया संकेत का साथही रिजर्व बैंक के नीतिगत दर में कवनो बदलाव ना भइला से आजु देश के शेयर बाजार खुशी से झूम उठल. एह सबसे उछाह में आइल लिवाल

हप्ता के ऊँचाई पर चहुँपल शेयर बाजार

मुंबई 23 फरवरी (वार्ता) कच्चा तेल का दाम में गिरावट आ निमना वैश्विक इशारा का दम पर देश के शेयर बाजार में आजु चौतरफा लिवाली रहल आ बाजार हप्ता के सबले ऊँचाई पर चहुँप गइल. घरेलू शेयर बाजार लगातार दूसरा दिने मजबूत रहल. बीएसई के सेंसेक्स 0.95 फीसदी 322.65 अंक चढ़ि के 34,142.15 अंक पर