सोनपुर
NEET आ JEE(Main) परीक्षा टारे खातिर हो रहल लगातार नेतागिरी का बावजूद परीक्षा अबहीं टरल नइखे. केन्द्र सरकार नइखे चाहत कि विद्यार्थियन के एक साल बरबाद हो जाव. काल्हु नीट परीक्षा में शामिल होखे जात करीब सात लाख परीक्षार्थी पहिले दिने आपन एडमिट कार्ड नेट से उतारि लिहलें. जी (मेन) परीक्षा कें करीब साढ़े सात
पटना, 26 अप्रैल. नयी दिल्ली से जयनगर जात स्वतंत्रता सेनानी एक्सप्रेस का बोगी में सोनपुर हाजीपुर का बीचे डकैती पड़ल. बतावल जात बा कि कुछ हथिारबंद लुटेरा सेनानी एक्सप्रेस का बोगी में सोनपुर हाजीपुर का बीचे सवारियन से जम के लूटपाट कइलें आ जे विरोध कइल ओकरा से मारो पीट क के घवाहिल कर दिहले
दरियापुर, अमनौर, इसुआपुर, परसा, जलालपुर समेत कई जगहा भइल अगलगी के हादसन में लाखौं के फसल, घर आ संपति राख होखे के खबर बा. हरदिया चँवर के आग बुतावे में पाँच गो दमकल लगली सँ तब जा के आगि पर काबू पावल जा सकल. अमनौर के मनौरपुर कानू टोला में कई गो मड़ईयन के राख
भारत का नाराजगी जाहिर कइला का बाद फिलस्तीन पाकिस्तान में अपना राजदूत वालिद अबू अली के ओहिजा से वापिस बोला लिहलसि आ खेद जतवले बा कि अनजाने में राजदूत ई गलती क दीहलन. लखनऊ के सआदतगंज इलाका के यासीनगंज में एगो मदरसा में बन्न क के राखल 52 गो नाबालिग लइकियन के पुलिस छोड़ा लिहलसि
सारण जिला के सोनपुर इलाका के बाकरपुर गांव में मंगल का रात दू गो घर में डकैती डाल के लाखों रुपिया के गहना आ नकजी लूट ले गइले सँ डकैत आ हल्ला कइला पर घर के दू गो सवांग के जान ला लिहले सँ. मरे वाला ससुर पतोह रहलें. सास आ मरदो के घवाहिल कर
महागठबन्हन का राज में सोनपुर मेला के पुलिस व्यवस्था के ठेंगा देखावत थोड़िके दूर पर पहलेजा घाट चौकी इलाका के गोविंदचक में अतवार के साँझ बाइक से आइल दू गो लुटेरा पेट्रोल पंप से करीब दस लाख रुपिया लूट ले गइलें. घटना के जानकारी मिलला का बाद पुलिस चहुँपल बाकिर कुछ सुराग ना मिल सकल
पैसेंजर ट्रेन के इंजन घुमावे में आवे वाला दिक्कत देखत अब छपरा सोनपुर का बीच डीएमयू चलावल शुरु हो गइल बा. शनिचर का दिन से शुरू भइल एह सेवा से अब ट्रेन समय पर चल पाई. बतावल जात बा कि गंगा नदी पर बनल दीघा-पहलेजा रेल पुल पर अगिला महीना से ट्रेन चले लागी. उमेद
जीतन राम माँझी के पेंच फँसवला का चलते शनिचर का दिने राजग के सीट बँटवारा के एलान ना हो सकल. माँझी के जिद्द बा कि उनुका रामविलास पासवान के लोजपा का बराबरे सीट दीहल जाव काहे कि उनुका साथे तेरह गो विधायक बाड़ें जबकि लोजपा में एको ना. एह पेंच के सझुरावे में राजग के
बनियापुर इलाका के पिपरा गाँव में उमेश कुमार माँझी अपना मेहरारू के गरदन दबा के मुआ दिहलसि. बतावल जात बा कि भउजाई के प्यार में आन्हर उमेश के आएदिन अपना मेहरारू ललिता से झगड़ा होखत रहे. कई बेर एहीला मारोपिटाई करत रहुवे उमेश. शनिचर का दिने ओकरा प अपना मेहरारू ललिता के गला दबा के
झाड़ू डंडा ले के अवैध शराब के धंधा के खिलाफ प्रदर्शन दाउदपुर (सारण) दाउदपुर थाना के दुधैला गांव में बियफे का दिने अवैध शराब के धंधा पर अंकुशा लगावे के माँग ले के एहिजा के औरत सब हाथ में झाड़ू-डंडा लेके सड़क प प्रदर्शन कइली साथ में कुछ मरद आ लड़िको रहले सँ. आरा पुल
सारण जिला के सोनपुर इलाका के छित्तरचक दियारा मे बियफे के देर रात दू गो अपराधी गिरोह अपने में भिड़ गइले. दुनु का बीच भइल गोलीबारी से दू गो अपराधियन के मौत हो गइल. पुलिस के कहना बा कि छित्तरचक दियारा मे बालू ठेकेदारन से रंगदारी वसूली ले के दू गो गिरोहन में पहिले से