web analytics

बिहार पंचायत चुनाव के उमीदवारी आ यूपी के इण्टरमीडिएट परीक्षाफल

(टटका खबर, सोमार, जेठ अँजोरिया एकादशी, 2078 विक्रमी) उत्तर प्रदेश माध्यमिक शिक्षा परिषद कोरोना महामारी का चलते रद्द कइल गइल परीक्षन के परिणाम जारी करे वाला सिद्धान्त तय कर लिहले बावे. एह सिद्धान्त के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के मंजूरी मिल गइल बा. अब परिणान जल्दिए जारी हो जाए के उमीद बा. एह सिद्धान्त का हिसाब … Read more

 19 total views

अरविंद शर्मा यूपी भाजपा के उपाध्यक्ष बनावल गइलें

(टटका खबर, अतवार, जेठ अँजोरिया दशमी, 2078 विक्रमी) काल्हु शनीचर का दिने यूपी भाजपा के संगठन में कुछ बदलाव करत अवकाश पा चुकल आईएएस आफिसर रहल आ अब विधानपरिषद में भाजपा के पार्षद अरविंद कुमार शर्मा के प्रदेश भाजपा के उपाध्यक्ष बनावे के एलान कइल गइल. जान जाईं कि अगिला साल विधानसभा चुनाव होखे वाला … Read more

 19 total views

जिनिगी के दौड़ थथम गइल पद्मश्री मिल्खा सिंह के

(टटका खबर, शनीचर, जेठ अँजोरिया नवमी, 2078 विक्रमी) आखिरकार काल्हु शुक का दिने कोरोना से लड़ाई हार गइलन चार बेर एशियन गेम्स के स्वर्ण पदक विजेता रहल पद्मश्री मिल्खा सिंह. कुछ दिन पहिलहीं उनुकर पत्नी निर्मल कौर (85) के कोरोने से निधन हो गइल रहुवे आ अब परिवार पर एगो अउर दुख के पहाड़ आ … Read more

 12 total views

कोरोना से एकदिन में छह हजार से अधिका मौत

(शुक, जेठ अँजोरिया एकम, 2078 विक्रमी) एने कुछ दिन से कोरोना के कहर में कमी देखत कई एक राज्यन में लॉकडाउन में ढील देबे के शुरुआत हो गइल रहुवे. एही बीच बियफे का दिन के कोरोना के आंकड़ा जान साँसत में डाल देबे वाला आइल बा. बियफे का दिने अब तक ले के सबले बेसी … Read more

 18 total views,  1 views today

टटका खबर, मंगल, जेठ अन्हरिया षष्ठी, 2078 विक्रमी

देश के विरोधी गोलन के केन्द्र बिन्दु बने का चाहत में पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी अब देश में भाजपा विरोधी सरकारन के एकजुट होखे के गोहार लगवले बाड़ी. डायलॉग मरले बाड़ी शोले वाला कि जो डर गया समझो मर गया, काश उऩुका एह डायलॉग के बंगाल के विरोधी गोल के समर्थको इशारा समुझतन … Read more

 12 total views,  1 views today

टटका खबर, सोमार, जेठ अन्हरिया पंचमी, 2078 विक्रमी

देश में कोरोना का कहर में कमी लउके लागल बा. रोज मिले वाला नया कोरोना के मरीजन के संख्या 7 मई का दिने 4 लाख 14 हजार से बेसी रहुवे बाकिर काल्हु ई संख्या घट के 1 लाख 65 हजार 553 पर आ गइल. रोज ठीक होखे वाला मरीतन के संख्या नया मरीजन से अधिका … Read more

 16 total views,  1 views today

टटका खबर, शुक, जेठ अन्हरिया दूज, 2078 विक्रमी

छह बेर विश्व चैम्पियन रहल भारत के एमसी मैरीकोम दुबई में होखत 2021 एएसबीसी एशियाई महिला अउर पुरुष मुक्केबाजी चैंपियनशिप के फाइनल में पहुंच गइल बाड़ी. अब मैराकोम के एशियाई चैम्पियनशिप में सतवां बेर पदक मिलल तट हो गइल बा. मैराकोम 2008 में रजत पदक जीतला का अलावे 2003, 2005, 2010, 2012, अउर 2017 में … Read more

 17 total views

टटका खबर, मंगल, वैशाख अँजोरिया चतुर्दशी, 2078 विक्रमी

चक्रवात यास से निपटे का काम में राष्ट्रीय आपदा मोचन बल के नाहिय त एक सौ टुकड़ी तूफान से प्रभावित होखे वाला पाँच गो राज्यन आ एगो केन्द्र शासित क्षेत्र में तैनात क दीहल गइल बा. उड़ीसा, पश्चिम बंगाल, आन्ध्र प्रदेश, तमिलनाडु, झारखण्ड, आ अंडमान निकोबार द्वीप समूह एह तूफान से प्रभावित होखे के अनेसा … Read more

 12 total views

टटका खबर, सोमार, वैशाख अँजोरिया त्रयोदशी, 2078 विक्रमी

देश के पुरवारा किनारे आवत समुद्री चक्रवाती तूफान यास से निपटे खातिर राष्ट्रीय आपदा मोचन बल का साथही सेना के तीनो अंग के तइयार राखल गइल बा राहत के काम खातिर. प्रभावित होखे वाला इलाका से लोगन के सुरक्षित इलाका में भेजे के काम लगातार जारी बा. मछुआरन के काल्हुए से मना कर दीहल गइल … Read more

 9 total views

टटका खबर, शुक, वैशाख अंजोरिया नवमी-दशमी, 2078 विक्रमी

काल्हु मुस्लिम पर्सनल लॉ बोर्ड के सचिव जफरयाब जिलानी के दिमाग के नस फाट गइल आ ब्रेन हैमरेज हो गइल. बेहोश जिलानी के मेदान्ता अस्पताल में भरती करावल गइल बा. रामजन्मभूमि विवाद में वरिष्ठ अधिवक्ता जफरयाब जिलानी मुस्लिम पक्ष का ओर से पैरवी करत रहलें. देश के कोरोना प्रभावित जिलन के जिलाधिकारियन से ऑनलाइन बइठक … Read more

 17 total views,  1 views today

टटका खबर, बुध, वैशाख अँजोरिया सप्तमी, 2078 विक्रमी

तीन गो निर्दोष साधुवन के बेदर्दी से हत्या कइला के पाप से शापित महाराष्ट्र के पालघर जिला में चक्रवाती तूफान ताउते साढ़े तीन सौ मकानन के नुकसान चहुँपवलसि आ तीन जने के जान ले लिहलसि. जब जब पालघर के नाम सुने के मिलेला तब तब ओह साधुवन के मौत के दृश्य आँखिन को सोझा दहकावे … Read more

 12 total views

टटका खबर, सोमार, वैशाख अँजोरिया पंचमी, 2078 विक्रमी

घोटालाबाजी का मुकदमा में जेकर पूरा परिवार आ ऊ खुद जमानत पर चलत बा ऊ राहुल गाँधी काल्हु मोदी सरकार से माँग कइलन कि मोदी का खिलाफ पोस्टर सटवावे का आरोप में उनुको के गिरफ्तार कर लीहल जाव. अलग बाति बा कि आआपा दावा कइले बा कि पोस्टर ऊ सटववलसि आ चुनौती दिहलसि कि पइसा … Read more

 13 total views

टटका खबर, शनीचर, वैशाख अँजोरिया चतुर्थी, 2078 विक्रमी

काल्हु चित्रकूट जिला जेल में तीन गो कुख्यात अपराधियन के मराए के बढ़िया खबर मिलल. मुख्तार का गैंग मे रहल भा जुड़ल मुकीम काला आ मेराजुद्दीन के एगो तीसर अपराधी सीतापुर के शार्प शूटर अंशुल दीक्षित गोली मार दिहलसि. दुनु के मौत हो गइल. बाद में अंशुलो के जेल प्रशासन मार गिरवलसि. एकही घटना में … Read more

 17 total views,  1 views today

टटका खबर, सोमार, वैशाख अन्हरिया चतुर्दशी, 2078 विक्रमी

भारतीय जनता पार्टी के अड़ियल हिन्दू नेता हिमंत बिस्व सरमा आजु असम के मुख्यमंत्री के पद के किरिया धरीहें. एह मौका पर देश के गृह मंत्री अमित शाह आ पूर्वोत्तर क्षेत्र के राज्यन के कुछ मुख्यमंत्रियन के उपस्थित रहे के उमेद बा. निवर्तमान मुख्यमंत्री सर्बानंद सोनोवाल के अब केन्द्र सरकार में मंत्री बनावल जाए के … Read more

 14 total views,  2 views today

टटका खबर, शनीचर, वैशाख अन्हरिया द्वादशी, 2078 विक्रमी

पश्चिम बंगाल विधानसभा चुनाव के परिणाम अइला का बाद से जारी हिंसा में नाहियो त 16 लोग के मारल जाए के खबर बा बाकिर राज्य सरकार एह बारे में हर जाँच आ कार्रवाई रोके पर आमादा बिया. अब एगो अधिवक्ता अनिंद्य सुन्दर दास का गोहार पर सुनवाई करत कोलकाता हाई कोर्ट के पाँच गो न्यायमूर्तियन … Read more

 13 total views,  1 views today

टटका खबर, मंगल, चईत पूर्णिमा, 2078 विक्रमी

रउरा सभे के हनुमान जयंती पर हार्दिक शुभकामना. रउरा सभका आशीर्वाद से भोजपुरी के पहिलका वेबसाइट अँजोरिया के विश्वव्यापी रैंक आजु अबहीं 3 लाख 30 हजार 877 आ देश में रैंक 23 हजार 746 के बा. पश्चिम बंगाल विधानसभा के सतवां डेग के मतदान काल्हु सोमार का दिने छोटमोट हिंसा का साथे करा लीहल गइल. … Read more

 11 total views

टटका खबर, शुक, 9 अप्रैल 2021

वाराणसी के काशी विश्वनाथ परिसर में बनल ज्ञानवापी मस्जिद के पुरातात्विक सर्वेक्षण करावे के आदेश सिविल जज (सीनियर डिवीजन फास्टट्रैक) आशुतोष तिवारी दे दिहलन. ई पुरातात्विक सर्वेक्षण करवावे के गोहार वादमित्र विजय शंकर रस्तोगी कऩले रहलें जवना के अदालत सकार लिहलसि. अब विश्वनाथ मंदिरो के मुगल अत्यातार से मुक्ति के राह मिले के उमेद हो … Read more

 14 total views

टटका खबर, 29 मार्च 2021, सोमार

रउरा सभे के फगुआ के शुभकामना. पश्चिम बंगाल विधानसभा चुनाव में का होखे जा रहल बा ओकर आभास होखे लागल बा. अशोकनगर विधानसभा सीट से तृणमूल उम्मीदवार नारायण गोस्वामी ला रोड शो के साटा पर आइल तृणमूल सांसद नुसरत जहाँ रोड शो में एक घंटा से अधिका समय लागत देखि बीचे में निकल गइली. सोशल … Read more

 15 total views

टटका टटका, अतवार, 13 सितम्बर 2020

प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी आजु बिहार में पेट्रोलियम क्षेत्र के तीन गो परियोजना राष्ट्र के समर्पित कइलें. एहमें पारादीप-हल्दिया-दुर्गापुर पाइपलाइन के विस्‍तार करत दुर्गापुर-बांका खंड अउर पूर्वी चंपारण आ बांका में रसोई गैस सिलेंडर भरे वाला दू गो एलपीजी संयत्र शामिल बाड़ी स. नौ सौ करोड़ रूपिया के एह योजनन से ढेरे लोगन के रोजगार मिली … Read more

 9 total views

टटका खबर, सोमार, 7 सितम्बर 2020

यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ जी सोमार का दिने गोरखपुर के बाबा राघवदास मेडिकल कॉलेज अस्पताल में कई नया निर्माण के उद्घाटन कइलें. एह में प्रदेश के पहिलका बायोसेफ्टी लैब, तीन सौ बेड के नया लेवल थ्री अस्पताल, गेस्ट हाउस, आ सौ बेड के पीजी हॉस्टल शामिल बा. पहिले के लेवल थ्री अस्पताल के क्षमता … Read more

 12 total views