web analytics

देश के विरोधी गोल अब गिरोह बना के लड़ीहें

बंगाल में ममता आ तमिलनाडु में स्टालिन के जितवावे के श्रेय लेबे वाला प्रशांत किशोर का इशारा पर नाचे ला तइयार देश के विरोधी गोलन के चुनिंदा लोगन के एगो बइठक आजु मंगल का दिने दिल्ली में बोलावल गइल बा.एह बइठक के बोलावा भाजपा से निकल के तृणमूलिया बन गइल यशवंत सिन्हा के राष्ट्र मंच … Read more

 97 total views

बबुआ से थाकल गोल अब बबुनी का गोड़ पर

तीसन बरीस से युपी में अपना खड़ा होखे क जमीन तलाशत कांग्रेसी गोल अब परिवार के बबुनी का गोड़ पर आ गिरल बा. राहुल गाँधी के आजमा के देख चुकल गोल के नयका रणनीतिकार प्रशान्त के योजना का हिसाब से अबकी का यूपी चुनाव में कांग्रेस के नाय पार करावे के जिम्मा अबकी प्रियंका गाँधी … Read more

 192 total views

जमानत पर छुटल अछरंगीयन के पेशी से छूट

नेशनल हेराल्ड केस में जमानत ले चुकल सोनिया आ राहुल के आजु सुप्रीम कोर्ट निचला अदालत में तारीख पर हाजिर रहे से छूट दे दिहलसि। कहलसि कि ई नामी लोग ह आ एह लोग के तारीख पर हाजिर रहला से बेजरुरत के समस्या पैदा होखी। बाकिर एह लोग के सगरी मेहनत बेकार रहल जब अदालत … Read more

 291 total views

सोनिया आ राहुल के सलमान खान से सिखला के जरूरत

नेशनल हेराल्ड के हजारन करोड़ के संपति महज पाँच लाख रुपिया लगा के हड़प लेबे वाला सोनिया गाँधी आ राहुल गाँधी के चाहीं कि सलमान खान से सीखो लोग जे आजु तेरह बरीस के मुकदमा झेलत बरी हो गइलन. सलमान खान ना त एकरा ला राजनैतिक भा व्यावसायिक बदला लेबे के आरोप लगवलन ना देश … Read more

 372 total views

नेशनल हेराल्ड मामिला में अझुराइल सोनिया राहुल खातिर आगे अइलें कांग्रेसी सांसद

नेशनल हेराल्ड के करोड़ो के संपति गलत तरीका से हथियावे का फेर में सोनिया गाँधी आ राहुल गाँधी कानून का फेरा में पड़ गइल बा लोग. मामिला के सुनवाई करत निचली अदालत कहलस कि ओकरा लागत बा कि एह मामिला के जाँच होखे के चाहीं त सोनिया आ राहुल दिल्ली हाई कोर्ट में गोहार लगावल … Read more

 404 total views

नरेन्द्र मोदी के विहिप के उपज बतवले अशोक सिंघल

जयपुर.25 अक्टूबर (वार्ता) विश्व हिन्दू परिषद के संरक्षक अशोक सिंघल कांग्रेस के लूटेरन के पार्टी बतावत कहले कि भाजपा का ओर से प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार नरेन्द्र मोदी विहिपे के उपज हउवें. अशोक सिंघल कहले कि पिछला पैंसठ साल से कांग्रेस देश के लूटत आइल बिया आ अब भगवान देश में छत्रपति शिवाजी आ अर्जुन … Read more

 307 total views