Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

RSS Feed

सड़क हादसा

टटका खबर, शुक, 5 जनवरी 2018

मध्यप्रदेश का इंदौर शहर के कनाड़िया इलाका के बिचौली मर्दाना बाईपास पर शुक का दिने एगो नामी प्राईवेट स्कूल के बस के जोरदार टक्कर सामने से आवत एगो च्रक से हो गइल. एह हादसा में पाँच गो विद्यार्थियन आ ड्राइवर के मौत हो गइल आ दर्जनो घवाहिल हो गइलें. प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी शुक का दिने

गोरखपुर के नामी पत्रकार योगेश्वर जी के निधन

सड़क हादसा में पिछला 16 तारीख के घवाहिल भइल पत्रकार आ अमर उजाला के उप संपादक योगेश्वर सिंह के निधन काल्हु बियफे का दिने सहारा अस्पताल में हो गइल। 16 तारीख के राति ड्यूटी के के घरे ला निकलल योगेश्वर जी के माउंट लिट्रा जी स्कूल का नियरा कवनो गाडी धक्का मार के भाग निकलल

कैदी ले के जात दू गो सिपाहियन के मौत

गोरखपुर के बेलीपार इलाका में भइल एगो सड़क हादसा में तेज रफ्तार पुलिस वाहन पलटी मार दिहलसि. एह हादसा में दू गो सिपाहियन के आ एगो कैदी के जान ठाँवे पर चल गइल. दुनू सिपाही गोरखपुर जेल से ओह कैदी के लेके बांसगांव के अदालत में पेशी करा के लवटत रहलें जब ऊ हादसा हो

दुर्घटना में मौत भइला पर अधिका मुआवजा दीहल जाव

एगो सड़क हादसा में भइल मौत के दू गो ट्रक ड्राइवरन के साझा गलती मानत हाई कोर्ट बीमा कंपनी से मिले वाला मुआवजा आधा क दिहले रहुवे. बाकिर एगो ड्राइवर के पत्नी के गोहार सुनत सुप्रीमकोर्ट हाईकोर्ट के कटौती रद क दिहलसि आ बीमा कंपनी के पूरा मुआवजा देबे के आदेश दे दिहलसि. एह हादसा

सडक हादसा में महतारी बाप समेत दू गो बेटन के मौत

आजमगढ 05 जनवरी (वार्ता) देवगांव कोतवाली के आजमगढ वाराणसी राजमार्ग पर काल्हु रात एगो ट्रक आ कार के टक्कर में एके परिवार के चार लोग के मौत हो गइल. बतावल जात बा कि गंभीरपुर इलाका के रामपुर गाँव के पैंसठ साल के सहदेव यादव के इलाज बनारस से करा के परिवार अपना घरे लवटत रहुवे

सड़का हादसन मे अध्यापक समेत दू जने के मौत

आजमगढ 04 जनवरी (वार्ता) आजमगढ जिला मे अलग अलग हादसा में एगो अध्यापक समेत दू जने के मौत हो गइल. पुलिस के मुताबिक तरवां इलाका के सिंहपुर सरैया गांव मे स्कूल में माटी लदाइल ट्रैक्टर ट्राली पलटला से ओहिजा खड़ा एगो अध्यापक अड़तीस साल के सुरेन्द्र यादव.दबा के मर गइले. दोसर घटना वरदह इलाका के

सडक पार करत में लड़िका मरल

गाजीपुर 03 नवम्बर (वार्ता) गाजीपुर के जमानियां इलाका में दिवाली के सामान खरीदे जात मलसा गाँव के छह साल के लड़िका प्रियांशु के मौत बोलेरो से टकरइला से हो गइल. पुलिस बतवलसि कि मलसा गांव के जनप्रकाश के बेटा प्रियांशु अपना भाई साथे बाजार गइल रहे आ सड़क पार करत घरी एहो तेज बोलेरो से

Older Posts››