Go to ...
RSS Feed

हत्या

बउराह बेटा महतारी के खुरपी से मार दिहलसि

जौनपुर जिला के चन्दवक इलाका के कोपा गाँव के एगो नवही रोहित आजु भोर में अपना महतारी के खुरपी से मार डललसि आ अपना बड़ भाई के घवाहिल कर दिहलसि. बड़ भाई सूतल रहले जब बउराह सोनू उनका पर हथौड़ी से हमला कर दिहलसि. एह बउराह लड़िका के गिरफ्तार क लिहले बिया पुलिस. (वार्ता)

फंल व्यवसायी के बेटा के गोली मार के हत्या

काल्हु देर रात वाराणसी का लंका इलाका में कुछ लोग भेलुपुर इलाका के सराय नन्दन निवासी फल व्यवसायी झन्नालाल सोनकर के बेटा सुनील सोनकर के गोली मार के हत्या कर दीहल गइल. पुलिस बतावत बिया कि सुनील रात करीब दस बहे कवनो काम से मोटरसाइकिल से कौशलेश नगर कालोनी गइल रहल जब कुछ लोग ओकरा

गाजीपुर में बीडीसी सदस्य के गोली मार के हत्या

गाजीपुर जिला के सैदपुर कोतवाली के मिर्जापुर गाँव के रहेवाला बीडीसी सदस्य कैलाश यादव के कुछ बदमाश गोली मार के हत्या कर दिहले. पुलिस बतावत बिया कि हमलावर कवन रहले से पता नइखे चलल. गोली कैलाश यादव के माथा पर मारल गइल रहे आ उनकर मौत ओहिजे हो गइल. ठाँव पर से खाली खोखा मिलल

छपरा जिला में ईंटा से कूँच के एगो किसान के हत्या

सारण जिला के गड़खा इलाका के फेरुसा गांव मे काल्हु देर रात आपसी झगड़ा का चलते एगो संपन्न किसान के ईंटा से कूँच के हत्या कर दिहल गइल. पुलिस से मिलल जानकारी बतावत बा कि फेरुसा गाँव के पैंतालिस साल के शैलेश कुमार सिंह के कुछ दिन पहिले गाँवही के कुछ लोग से भइल रहुवे.

गाजीपुर टीसन पर ट्रेन से औरत के लाश उतारल गइल

बिहार से अमृतसर जात 15933 अप डिब्रूगढ अमृतसर एक्सप्रेस के एस वन बोगी का शौचालय में एगो औरत के लाश मिलल. ओकर गरदन कवनो तेज धारदार हथियार से रेतल रहुवे. लाश के उत्तर प्रदेश मे गाजीपुर रेलवे टीसन पर उतार लिहल गइल. राजकीय रेलवे पुलिस बतवलसि कि डिब्रूगढ से बिहार होत अमृतसर जाए वाली 15933

एक आदमी के गोलीमार के हत्या, हत्यारा के दुकान फुंकाइल

जौनपुर जिला के खेतासराय इलाका का सोगर गांव मे जमीन लेके भइल झगड़ा में कुछ लोग एक आदमी के गोली मार दिहल, बाद में खिसियाइल लोग हमलावर का घर पर धावा बोल दिहलें आ ओकर बाइक,. ट्रैक्टर, स्कूटर, आ दुकान जरा दिहलें. पुलिस के मुताबिक बत्तीस बरीस के हमजा के हत्या का मामिला में पाँच

लेनदेन के विवाद मे एक आदमी के खून

मिर्जापुर जिला के कटरा इलाका में बुध का रात कुछ लोग एगो आदमी के गोली मार के हत्या कर दिहल. पुलिस के कहना बा कि हकोटी गाँव के चिन्टू उर्फ मनीष कुमार सिंह के हत्या धीरज सिंह समेत छह लोग नवीन तिराहा का लगे गोली मार के कर दिहल. एह हत्या का पीछे लेन देन

कोतवाल के गिरफ्तारी के बात गलत बतवले आईजी मीणा

पहिले बतावल गइल रहे कि विधायक रह चुकल आ बसपा नेता सीपू सिंह के हत्या का मामिला में कोतवाल के निलंबित कर के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा. बाकिर जोनल आईजी जी एल मीणा कहलन कि कोतवाल के पूछताछ खातिर हिरासत में लिहल गइल रहे बाकिर गिरफ्तार नइखे कइल गइल. अब हिरासत में लिहला आ

ग्राम प्रधान के गोली मार के हत्या

भदोही के नई बाजार इलाका के रैमलपुर गाँव के प्रधान अच्छेलाल मौर्य के शुक का दिने कुछ अपराधी गोली मार के हत्या कर दिहलें. बतावल जात बा कि उनका संगही मोटरसाइकिल पर ग्राम रोजगार सेवक प्रमोद कुमार मौर्यो सवार रहले. प्रधान के लाश शनिचर का दिने सुरइन इलाका सड़क किनारे मिलल. पुलिस अब प्रमोद कुमार

आरा में राजद नेता के बेटा के गोली मार दिहल गइल

भोजपुर जिला के आरा नगर थाना इलाका में राजद जिला इकाई के सचिव मोहम्मद एकराम के बेटा के सोमार के रात गोली मार के मुआ दिहल गइल. मोहम्मद आफताब आलम एगो निकाह में शामिल होखे जात रहल जब धरहरा मठ के नियरा पहिले से घात लगा के बइठल कुछ बदमाश उनुका के गोली मार दिहलन.

देवरिया पुलिस एकमा से छह जने के गिरफ्तार कइलसि

सोमार के देवरिया पुलिस एकमा के हरपुर गाँव आ सिवान जिला के सिसवन नोनिया पट्टी से कुल मिला के छह लोग के पकड़ ले गइल. एह लोग पर देवरिया के एगो लड़िका के अपहरण आ फिरौती वसूलला का बादो हत्या कर देबे के आरोप बा. गिरफ्तार लोग में अंजन तिवारी देवरिया के रामगुलाम टोला के

मोहनिया इलाका में किसान के हत्या

कैमूर हिला के मोहनिया इलाका के भरखर गाँव में सोमार के देर साँझ एगो किसान के गोली मार के हत्या कर दिहल गइल. गाँव में तनाव देखत पुलिस अधिकारी ओहिजा कैम्प करत बाड़ें.

लालू यादव के साला के साला के हत्या

बिहार के मुख्यमंत्री रहल लालू यादव के साला सुभाष यादव के साला पंकज कुमार यादव के लाश आजु मंगल का सबेरे दीघा इलाका में एगो मैदान से बरामद भइल. बाद में पुलिस जब पंकज के डेरा चहुँपल त ओहिजा पंकज के नौकर के लाश मिलल. डेरा पर इहे दु जने रहत रहुवे. एह दुनु के

‹‹Newer Posts