web analytics

कार आ ट्रक में टक्कर से एगो बाराती मरल

आरा 28 मार्च (वार्ता). भोजपुर जिला के बिहिंया इलाका के खरौनी गांव का लगे एगो कार आ ट्रक के बीच भइल टक्कर में एगो बाराती के मौत हो गइल आ पांच जने घवाहिल हो गइलें. पुलिस सूत्र बतावत बाड़ें कि कार पर सवार लोग उत्तर प्रदेश के दिलदार नगर में एगो बारात में शामिल होखला … Read more

 64 total views,  1 views today

टटका खबर, 30 जनवरी 2017, सोमार

टाइम्स नाऊ टीवी प आजु देखावल गइल ओपिनियन पोल में कहल गइल बा कि यूपी विधानसभा चुनाव के परिणाम एकतरफा बीजेपी के पक्ष में जात लउकत बा. कुल 403 सीट में से बीजेपी के अकेले 202 सीट मिलत लागत बा जबकि बसपा आ सपा-कांग्रेस गठबंधन के बड़हन हार मिलत लइकत बा. बसपा 47 सीट लेके … Read more

 77 total views

भदोही में स्कूली बस के ट्रेन से धक्का लगला से 10 गो बचवन के मौत

आजु भदोही में एगो स्कूली वाहन के टक्कर ट्रेन से हो गइल जवना चलते वाहन दूर ले फेंका गइल आ ओहपर सवार 19 गो बचवन में से 10 गो के मौत हो गइल। आजु सोमार के सबेरे टेंडरहार्ट इंग्लिश स्कूल के मिनी बस बचवन के लेके स्कुल जात रहुवे आ एगो बिना पहरेदार वाला रेलवे … Read more

 206 total views,  5 views today

नाच देखत भीड़ के कचारत निकल भागल कार, 6 जने के मौत

देवरिया के गौरी बाजार इलाका के पननहा गांव में पूजा कार्यक्रम के दौरान होखत नाच देखे लोग के भीड़ जुटल रहे. कुछ लो9 सड़क का किनारे बइठल नाच देखत रहुवे तबले अचके में एगो कार सनसनात आइल आ एह लोग के कचारत भाग निकलल. एह हादसा से छह लोग के मौत हो गइल आ करीब … Read more

 212 total views

भोजपुरी पट्टी से हादसा के खबर

बिहार में भइल हादसन में पिछला एक दिन में नाहियो त एक दर्जन लोग के मौत हो गइल. आठ जने घवाहिल हो गइलें. रोहतास जिला के डेहरी-ऑन-सोन में टीसन जात घरी एगो ट्रक से कचरा के पुलिस इंस्पेक्टर सियाकांत पांडेय के मौत ठाँवे पर हो गइल. रोहतासे जिला के विक्रमगंज इलाका में तेंदुली चौक का … Read more

 170 total views

हादसा से मौत

उत्तर रेलवे के वाराणसी-जंघई रेलखण्ड पर भदोही जिला के मोढ़ टीसन का लगे आजु सबेरे एगो मालगाड़ी के एक दर्जन डिब्बा पटरी से उतर गइला का चलते एह रूट पर आवाजाही बन्द हो गइल बा. मिर्जापुर जिला के पड़री इलाका के भोजपुर पहाड़ी गांव के दू गो नवहियन के मौत एगो रेलगाड़ी से कटा के … Read more

 186 total views

गाजीपुर में ट्रक आ ट्रेन के टक्कर

गाजीपुर जिला में सहेड़ी क्रासिंग पर काल्हु एगो ट्रक शनिचर का भोर में स्वतंत्रता सेनानी से टकरा गइल. एह हादसा में ट्रक नेस्तनाबूद हो गइल. बतावल जात बा कि गिट्टी लदले इ ट्रक तेज रफ्तार से आके रेल फाटक के तूड़त लाईन पर आ गइल. लाईन पर रेल गाड़ी आवत देख ड्राइवर आ खलासी कूद … Read more

 152 total views

सड़क हादसा में ससुरारी आइल दामाद के मौत

सारण (छपरा) जिला के टोटका गाँव से गोपालगंज के मड़वा गाँव आइल एगो आदमी के सड़क हादसा में मौत हो गइल. शनिचर रात जब ई दिशा मैदान ला निकलल रहलें त सड़क पार करत में एगो बाइक धक्का मार दिहलसि. 45 बरीस उमिर के घवाहिल राजकुमार के अस्पताल ले जाए का राह में मौत हो … Read more

 180 total views

रेलगाड़ी से कटा के एगो नवही के मौत

शनिचर का दिने छपरा-बलिया रेल खंड पर गौतम स्थान टीसन पर सबेरे सात बजे एगो नवही ट्रेन से कटा के मर गइल. ओकरा लगे से बलिया से छपरा तक के टिकट आ एगो मोबाइल मिलल बा. मोबाइल का सहारे ओकर पहचान कइल जात बा. बतावल जात बा कि ऊ उत्सर्ग एक्सप्रेस से छपरा जात रहुवे … Read more

 132 total views

बनकटा टीसन पर तीन गो लड़िकन के दर्दनाक मौत

आजु सबेरे देवरिया जिला के बनकटा टीसन पर रेलगाड़ी से कटा के तीन गो लड़िकन के मौत हो गइल. बसनहिया, जगदीशपुर, आ बनकटा तीन गो अलगा अलगा जगहा के ई लड़िका कोचिंग करे भाटपार रानी जाए खातिर टीसन पर आइल रहलें. एक नंबर प्लेटफार्म पर गोरखपुर जाए वाली सवारी गाड़ी खड़ा रहुवे आ तीन नंबर … Read more

 145 total views

छपरा में सड़क हादसा में दू जने के मौत

काल्हु शनिचर के दुपहरिया छपरा भगवान बाजार इलाका के गुदरी मेन रोड पर एगो बेकाबू ट्रक एगो मोटरसाइकिल सवार के कचार दिहलसि जवना से ओकर मौत ओहिजे हो गइल. मरे वाला आदमी नैनी गांव के रहुवे. हादसा का बाद ट्रक ड्राइवर गाड़ी ले के भाग निकलल. बाद में खिसियाइल लोग रास्ता से गुजरत दर्जनो ट्रक … Read more

 180 total views

इस्लामी आतंकी रुस के हवाई जहाज गिरावे के दावा कइले

इस्लामिक स्टेट नाम के इस्लामी आतंकी संगठन काल्हु दावा कइलसि कि मिस्र के पहाड़ियन में हादसा के शिकार बतावल जात रुसी विमान के ऊहे मार गिरवलसि. ई विमान शर्म अल शेख से सेंट पीटर्सबर्ग खातिर शनिचर के भोर में उड़ान भरलसि आ बीच रास्ता में सिनाई प्रायदाप में एकर मलबा मिलल. एह इलाका में इस्लामिक … Read more

 164 total views

हादसा, दुर्घटना, आ मौत

सारण जिला के छपरा में जगलाल चौधरी कॉलेज का नियरा बियफे का दिने एगो नर्सिंग होम मालिक के लाश बरामद भइल बा. जमीन का झगड़ा में पश्चिम चम्पारण जिला के पिपरासी इलाका के बलजोरा गांव में एगो आदमी के जान चल गइलआ नौ जने घवाहिल हो गइले. गोपालगंज जिला के कुचायकोट इलाका में सासामुसा बाजार … Read more

 205 total views

गाना सुने का फेर में जान चल गइल

वाराणसी 10 जनवरी (वार्ता) आजु सबेरे लोहता इलाके मे भट्टी गांव का लगे एगो नवही कामायनी एक्सप्रेस से कटा गइल. पुलिस बतावत बिया कि बीस बरीस के रमेश यादव अपना कान में ईयर फोन लगवले गाना सुनत रेल लाइन पार करत रहुवे. ओही घरी कामायनी ट्रेन आ गइल बाकि ओकरा कुछ सुनाइल ना आ उ … Read more

 155 total views

ट्रेन से कटा के महतारी बेटी के मौत

गोण्डा 05 जनवरी (वार्ता) सरयू टीसन का नियरा अतवार के भोर में घन कुहासा का बीच लाइन पार करत घरी एगो औरत आ ओकर बेटी ट्रेन से कटा के मर गइली. जीआरपी के कहना ब कि कर्नलगंज कोतवाली इलाका के अलीपुर गोकला के रहेवाली सुमन अपना बेटी कोइली के लेके गोण्डा.लखनऊ रेल खंड पर सरयू … Read more

 137 total views

मिड डे मील हादसा में अर्जुन राय के झूठ पकडाइल

छपरा 13 नवम्बर (वार्ता) सारण जिला के मशरख के गंडामन गांव के प्राथमिक विद्यालय मे जहर वाला मिड डे मील खा के तेइस बचवन के मौत के आरोपी ओह घरी के प्रधानाध्यापिका मीना देवी के बचावे ला मीना देवी के पति अर्जुन राय के झूठ पकड़ा गइल. पुलिस अधीक्षक वरूण कुमार बतवले कि अर्जुन राय … Read more

 203 total views,  5 views today

सड़क दुर्घटना मे एक जने के मौत

डेहरी.आन.सोन 05 नवम्बर (वार्ता) रोहतास जिला के डेहरी इलाका में सुभाषनगर मोड़ का नियरा एगो ट्रक आ कार के टक्कर मे एक आदमी के जान चल गइल आ एक आदमी घवाहिल हो गइल. पुलिस बतवलस कि कार आ ट्रक के आमने.सामने टक्कर से कार में सवार ध्रुव नारायण सिंह के ठाँवे प मौत हो गइल … Read more

 161 total views,  10 views today

बाइक टकरइला से दू जने के मौत दू जने घवाहिल

जौनपुर जिला के खेतासराय इलाका में मांनी हाल्ट का लगे काल्हु देर रात दू गो बाइक आमने सामने टकरा गइली सँ. एह हादसा में दू गो नवहियन के मौत ठाँवे पर हो गइल आ दू जने घवाहिल हालत में अस्पताल भेजल गइल बाड़ें. पुलिस बतवलसि कि खेतासराय के मांनी गांव के राजू साहू आ कमरुद्दीन … Read more

 178 total views,  5 views today

गोरखपुर के खोराबार में सड़क हादसा – एगो औरत के मौत – दस जने घवाहिल

गोरखपुर जिला के खोराबार इलाका में करमहिया गाँव का लगे काल्हु शुक का दिने एगो टेम्पों आ टैंकर के बीच भइल टक्कर मे एगो औरत के मौत हो गइल आ दस जने घवाहिल हो गइलें. टेंपो पर सवार लोग सत्संग खातिर जात रहुवे जब ई हादसा भइल. घवाहिल लोग के अस्पताल में भरती करावल गइल … Read more

 191 total views

सडक हादसे मे दू जने के मौत. एक आदमी घवाहिल

गाजीपुर जिला के नोनहरा में आजु एगो सड़क हादसा में दू आदमी के मौत हो गइल आ एक आदमी घवाहिल हो गइल. हादसा शाहबाजकुली गांव का लगे हाईवे पर भइल जवना में राधेश्याम आ मनोज के मौत हो गइल. लाश पोस्टमार्टम ला भेज दिहल गइल बा. (वार्ता)  176 total views,  10 views today

 176 total views,  10 views today