Go to ...
RSS Feed

हिंदू आतंकवाद

कांग्रेसी मंत्री फेरू हिन्दूवन के रिगवले

कांग्रेस के जयपुर मे भइल चिंतन शिविर में गृहमंत्री सुशील कुमार शिंदे हिंदू आतंकवाद के चरचा छेड़ले रहुवन आ भाजपा आ संघ पर आरोप लगवले रहुवन कि एह लोग के शिविर में आतंकी प्रशिक्षण दिहल जाला. एह बयान का बाद भाजपा गरमाइल रहुवे आ लागत रहे कि संसद सत्र पर एह बात के असर पड़ी.

दिल्ली में भाजपा के नेता लोग गिरफ्तार कर के फेर छोड़ल गइल

हिंदू आतंकवाद के बाति कहे वाला गृह मंत्री शिंदे का खिलाफ आजु भाजपा के बड़का नेता दिल्ली में प्रदर्शन कइलें. ओह लोग के कहना बा कि आजादी का बाद से आजु ले आतंकवाद खातिर कबो कवनो मजहब के नाम ना लिहल गइल बाकिर शिंदे बिना कवनो सुबूत हिंदू आतंकवाद के नाम लेके संघ, भाजपा आ