Go to ...
RSS Feed

हिन्दू

बिहार के माथ नवा दिहलन नीतीश

काल्हु जब देश एगो नया इतिहास बनावत रहुवे ओह समय बिहार के कुशासन बाबू नीतीश कुमार के गोल देशहित का खिलाफ जा के कश्मीर बिल का खिलाफ वोट दिहलसि. सुशील मोदी जइसन चाटुकार का सहारे नीतीश बाबू के भरम हो गइल बा कि भाजपा उनुका पिछाड़ का नीचे उचकुन लगावे के मजबूर बिया. उनुकरो भरम

सुप्रीम कोर्ट के कहना बा कि अनुच्छेद 370 हटावल ना जा सके

श्रीनगर 04 अप्रैल. जम्मू-कश्मीर के मुख्यमंत्री महबूबा मुफ्ती आजु बहुते खुश हो गइली जब सुनली कि सु्प्रीम कोर्ट कह दिहलसि कि जम्मू-कश्मीर के अलगा दर्जा देबा वाला अनुच्छेद 370 के अब हटावल ना जा सके. उनुकर कहना बा कि अनुच्छेद 370 कश्मीर के मजहबी, सांस्कृतिक आ भाषाई अखंडता सुरक्षित राखे में अहम भूमिका निभावेला. आ

टटका खबर, 29 सितम्बर 2017, शुक

आजादी का कई युग का बाद हिन्दू के मान सम्मान के काम सरकारो का स्तर प होखे लागल बा. आजु देश में कई राज्यन के मुख्यमंत्री कन्यापूजन आ कन्याभोज के परंपरा निभवलें. ना त अबहीं ले बस इफ्तार प एह तरह के सरकारी आयोजन देखे के मिलत रहल. मर्यादा पुरुषोत्तम भगवान श्रीराम के नगरी अयोध्या

टटका खबर, 11 फरवरी 2017, शनिचर

सोशल मीडिया पर प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के आपत्तिजनक फोटो पोस्ट करे वाला मोबाइल दूकानदार के गाजीपुर पुलिस गिरफ्तार क के जेल भेज दिहलसि. कासिमाबाद में मोबाइल के दुकान चलावे वाला सोनबरसा गांव के बरक्कत राईनी अपना मोबाइल से सोशल मीडिया पर प्रधानमंत्री के आपत्तिजनक तस्वीर पोस्ट कइले रहल. एकरा खिलाफ संघ के ब्रजभूषण सिंह आ

जाति का नाँव पर ऊंच नीच के भावना आ छुआछूत समाज के कोढ ह

गोरखपुर में काल्हु ब्रह्मलीन महंत दिग्विजयनाथ के सात दिना पुण्यतिथि समारोह में बोलत महन्त नारायण गिरी कहनी कि दुनिया के सबले श्रेष्ठ संस्कृति हिन्दू संस्कृति आ सामाजिक व्यवस्था में जाति के आधार पर ऊंचनीच के भावना आ छुआछूत एगो कोढ जइसन बावे. कहलन कि ब्रह्मलीन महन्त दिग्विजयनाथ एह बारे में बड़हन जनजागरण अभियान चलवले रहीं