Go to ...
RSS Feed

हुसैनगंज

रसोई गैस सिलेंडर फटला से तीन लोग झँउसल

सिवान 21 फरवरी (वार्ता). सिवान जिला के हुसैनगंज इलाका के हुसैनबाजार में रसोई गैस सिलेंडर में विस्फोट होखला से तीन आदमी झउँस गइलें. पुलिस बतवलसि कि हुसैनगंज बाजार में मोबाइल टावर के केबिन में खाना बनावल घरी रसोई गैस सिलेंडर में रिसाव का चलते विस्फोट हो गइल आ एह हादसा में रमेश सिंह, बुलेट सिंह

कुतुब छपरा गाँव में डकैती

सिवान जिला के हुसैनगंज इलाका के कुतुब छपरा गांव में सोमार का रात दू गो घर में डकैती डाल के 18 लाख रुपिया से अधिका के संपति लूट लीहल गइल. एहमें साढ़े तीन लाख रुपिया नगदो शामिल बा. बतावल जात बा कि डकैतन के एह गिरोह में पन्द्रह गो से अधिका डकैत शामिल रहलन स

सिवान के घनखर में पोखरा में पाँच गो नवही डूबले

काल्हु बियफे का दिने सिवान जिला के हुसैनगंज इलाका के घनखर गांव के लगे एगो पोखरा में नहाए गइल नवहियन में पाँच गो गहिरा पानी में चल गइले आ डूबला से मौत हो गइल ओह लोग के. बाद में गाँव वालन के सहायता से लाश पानी से बाहर निकालल गइल. (वार्ता)