Go to ...
RSS Feed

21वां राष्ट्रमंडल खेल

विनेश आ सुमित जीतली स्वर्ण, साक्षी के मिलल कांस्य

गोल्ड कोस्ट, 14 अप्रैल (वार्ता). भारत के विनेश फोगाट (50 किग्रा) आ सुमित (125 किग्रा) आजु गज़ब के प्रदर्शन करत 21वां राष्ट्रमंडल खेलन के दसवां दिने शनिचर के स्वर्ण पदक जीत लिहलें जबकि ओलंपिक कांस्य पदक विजेता साक्षी मलिक (62 किग्रा) आ सोमवीर (86) के कांस्य पदक से संतोष करे के पड़ल. विनेश आ सुमित

जैवलिन थ्रो में नीरज जीतलन ऐतिहासिक स्वर्ण

गोल्ड कोस्ट, 14 अप्रैल (वार्ता). भारत के नीरज चोपड़ा एह सत्र के सबले बढ़िया प्रदर्शन करत 86.47 मीटर दूर ले भाला फेंकके 21वां राष्ट्रमंडल खेलन में आजु शनिचर का दिने स्वर्ण पदक अपना नामे कर लिहलन, एह स्पर्धा में राष्ट्रमंडल खेल के स्वर्ण पदक जीते वाला पहिला भारतीय खिलाड़िओ बन गइलें नीरज. नीरज के ई

मैरीकॉम जीतिए लीहली आपन पहिला राष्ट्रमंडल स्वर्ण

गोल्ड कोस्ट, 14 अप्रैल (वार्ता). भारत के माथ महिला मुक्केबाज़ एमसी मैरीकॉम विश्व, एशिया आ ओलंपिक पदकन के जीतला का बाद अब अपना करियर के पहिलका राष्ट्रमंडल स्वर्ण पदको के कमी दूर क दिहली. 21वां राष्ट्रमंडल खेलन में आजु शनिचर का दिने मैरीकॉम अपना 45-48 किग्रा भार वर्ग के स्वर्ण पदक मुकाबला में आयरलैंड के

कुश्ती में बजरंग पूनिया के मिलल स्वर्ण पदक

गोल्ड कोस्ट, 13 अप्रैल (वार्ता). भारत के बजरंग पूनिया आजु 21वां राष्ट्रमंडल खेलन में कुश्ती में देश के स्वर्णिम अभियान के शान से आगे बढ़ावत 65 किग्रा फ्री स्टाइल वर्ग में स्वर्ण पदक जीत लिहलें जबकि मौसम खत्री (97) आ पूजा ढांडा (57) के रजत पदक मिलल आ दिव्या काकरान (68) के कांस्य पदक. कुश्ती

सीमा डिस्कस थ्रो में रजत जीतली, नवजीत कांस्य

गोल्ड कोस्ट, 12 अप्रैल (वार्ता). बियफे का दिने डिस्कस थ्रोअर सीमा पूनिया आ नवजीत ढिल्लों 21वां राष्ट्रमंडल खेलन के एथलेटिक्स मुकाबला में भारत के पदक इंतज़ार खतम करत रजत आ कांस्य पदक जीतल लोग. गोल्ड कोस्ट में एथलेटिक्स में भारत के मिले वाला ई पहिला पदक हउवें सँ. पिछला ग्लास्गो खेलन में एथलेटिक्स में भारत

सुशील आ राहुल स्वर्ण पदक जीतलें, बबीता के मिलल रजत

गोल्ड कोस्ट, 12 अप्रैल (वार्ता). 21वां राष्ट्रमंडल खेलन के कुश्ती प्रतियोगिता में बियफे का दिने भारत आपन धमाकेदार शुरूआत कइलसि आ स्टार पहलवान सुशील कुमार (74 किग्रा) अउर राहुल अवारे (57किग्रा) देश के स्वर्ण पदक दिअवलें जबकि बबीता कुमारी फोगाट (53 किग्रा) रजत पदक आ किरण (76किग्रा) कांस्य पदक जीतली. सुशील अउर राहुल के स्वर्ण

बिहार के बेटी श्रेयसी के बधाई दिहलें राज्यपाल आ मुख्यमंत्री

पटना 11 अप्रैल (वार्ता). ऑस्‍ट्रेलिया के गोल्‍ड कोस्‍ट में चलत 21वां राष्‍ट्रमंडल खेलन में बिहार के बेटी श्रेयसी सिंह के स्वर्ण पदक जीतला पर राज्यपाल सत्यपाल मलिक, मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आ उप मुख्यमंत्री सुशील कुमार मोदी आजु उनुका के बधाई दिहलें. जमुई जिला के गिद्धौर के रहे वाली निशानेबाज श्रेयसी सिंह केन्द्रीय मंत्री रह चुकल

नारी शक्ति दिअवले जात बिया पदक पर पदक

अब मनु भाकर दिअवली भारत के छठवां स्वर्ण पदक भारत के 16 बरीस के जाबांज निशानेबाज बेटी मनु भाकर शूटिंग में 240.9 अंक पा के राष्ट्रमंडल खेल के एगो नयो रिकार्डो बना दिहले बाड़ी. उनुका 10 मीटर पिस्तौल प्रतिस्पर्धा में आजु अतवार का दिने स्वर्ण पदक हासिल भइल बा. दुहरा खुशी के बाति इहो रहल

पूनम यादव भारत के दिअवली पंचवा स्वर्ण पदक

गोल्ड कोस्ट, 08 अप्रैल (वार्ता). भारत के पूनम यादव अपना लाजवाब प्रदर्शन से 21 वां राष्ट्रमंडल खेलन के भारोत्तोलन प्रतियोगिता के पंचवा दिने महिला 69 किलोग्राम वर्ग में अतवार का दिने भारत खातिर पोचवा स्वर्ण पदक हासिल कर लिहली. पूनम ई पदक अपना नजदीकी प्रतिद्वंद्वी इंग्लैंड के सराह डेविस के हराके जीतल बाड़ी. पूनम के

एगो अउर स्वर्ण पदक : वेंकट राहुल रगाला जीतले भारत खातिर चउथा स्वर्ण

गोल्ड कोस्ट,07 अप्रैल (वार्ता). आजु के दिन भारत ला गोल्डन डे रहल. आजु भारत के भारोत्तोलक वेंकट राहुल रगाला शानदार प्रदर्शन करत 21वां राष्ट्रमंडल खेलन के भारोत्तोलन प्रतियोगिता में स्वर्ण पदक जीत के भारत के स्वर्ण पदकन के गिनिती चार कर दिहलें. पिछला बेर ग्लास्गो राष्ट्रमंडल खेलन में भारत के तीने गो स्वर्ण पदक मिलल

सतीश दिअवलन भारत के तिसरका स्वर्ण पदक

गोल्ड कोस्ट 07 अप्रैल (वार्ता). 21वां राष्ट्रमंडल खेलन में वजन उठावे का खेल में भारोत्तोलक खिलाड़ियन से मिल रहल पदकन में इजाफा करत आजु सतीश कुमार शिवालिंगम भारत के तिसरका स्वर्ण पदक दिआ दिहलन. 77 किलोग्राम वर्ग में कुल 317 किलोग्राम वजन उठाके स्वर्ण पदक जीते वाला सतीश शिवालिंगम स्नैच में 144 किलोग्राम आ क्लिन

संजीता दिअवली दुसरा स्वर्ण पदक, दीपक जीतलन कांसा

गोल्ड कोस्ट, 06 अप्रैल (वार्ता) मीराबाई चानू की बाद 21वां राष्ट्रमंडल खेलन का दुसरका दिने शुको के भारतीय महिला भारोत्तोलकन के स्वर्ण अभियान जारी रहल आ अबकी 53 किग्रा वर्ग में खुमुकचाम संजीता चानू गोल्ड कोस्ट में तिरंगा फहरा दिहली आ दीपक लाथर पुरूषन के 69 किग्रा वर्ग में कांस्य पदक जीतलन. भारत के गोल्ड