Breaking News in Bhojpuri
उत्तर प्रदेश सरकार के आदेश से अब हर महीना के तिसरका बुध का दिने जिलाधिकारी लोग ‘किसान दिवस’ के आयोजन कराई जवना में किसानन के समस्या सुनल जाई आ ओकर समाधान के रास्ता निकालल बतावल जाई. सपा में आवे ला बेचैन अमर सिंह के राह रोकले आजम खाँ अपना पत्नी के मिलल राज्यसभा टिकट से
बियफे का भोर मे उगत आदित्य के अर्घ देके चार दिन चलेवाला महापर्व छठ के समापन हो गइल. बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम माँझी के पत्नी छठ मईया से अपना पति के कुर्सी बनवले राखे के मनता मँगली. उत्तर प्रदेश परिवहन आयुक्त के आदेश का बाद राज्य भर में हर वाहन पर चमके वाला टेप
छठ महापर्व का तिसरा दिने आजु व्रती लोग नदी तालाब पोखरा समुद्र का किनारे पानी में खड़ा होके डूबत सूरज के अर्घ दिहल. काल्हु सबेरे उगत सूरज के अर्घ दिहला का साथे चार दिन चले वाला ई महापर्व पूरा हो जाई. इलाहाबाद के फाफामऊ में आजु बुध का दिने एगो कार आ टैंकर के टक्कर
भारत में जर्मनी के राजदूत माइकल स्टेनर मंगलवार को पटना में बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी से मुलाकात की। इस बैठक में जर्मनी एवं भारत के संबंधों की चर्चा की गई। बैठक में जर्मनी ने बिहार को कृषि के क्षेत्र में सहयोग देने का आश्वासन दिया। लोक आस्था के महापर्व छठ के चार दिन
वियतनाम के प्रधानमंत्री नुएन तन जुंग सोमार का दिने बोधगया जा के महाबोधि मंदिर में विशेष प्रार्थना कइलन. ऊ बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी का साथ कुछ मुद्दन पर बातचीत कइलन. उत्तर प्रदेश लेखपाल संघ के गोहार पर आजु राज्य के लेखपाल बेमियादी हड़ताल पर चल गइले. बस्ती जिला के महुअर गाँव का लगे
छठ पर्व देखत निर्वाचन आयोग झारखंड विधानसभा चुनाव के पहिला दौर के अधिसूचना 28 अक्टूबर के जारी करी. पहिले एकर तारीख 29 अक्टूबर बतावल गइल रहे. अउरी कवनो तारीख में बदलाव नइखे भइल. दर्जा मिलल मंत्रियन के बर्खास्तगी के बाद अब यूपी सरकार के गाज ओकरा वकीलन प गिर सकेला जे लोग जिरह का दौरान
गड़बड़ी ना पसारे के चेतावनी देत उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव आजु राज्यमंत्री के दर्जा मिलल सगरी 80 गो मंत्रियन के बर्खास्त कर दिहलन. पिछला दिने यूपी सरकार के राज्य मंत्री दरजा मिलल एगो नेता के बाप बागपत में पुलिसवालन के हड़का के गोकशी का मामिला में दू गो अपराधियन के गिरफ्तार करे से
आजमगढ के आलापुर पुलिस एगो आदमी के गिरफ्तार क लिहलसि जे अपने अपहरण के नाटक रचले रहल. सासाराम नगर थाना के चवरतकिया मुहल्ला में काल्हु रात पटाखा छोड़त भाई-बहिन के पड़ोसी गोली मार दिहलसि. गोली आंख में लागल बा. दुनू के आस्पताल में भरती करावल गइल बा. सारण जिला के अमनौर प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्र पर
छपरा, समस्तीपुर, आ पूर्णिया में नया मेडिकल काॅलेज खोले खातिर बिहार सरकार केन्द्र का संगे समझौता पर दस्तखत करी. एह मेडिकल काॅलेजन खातिर तीन चौथाई धन केन्द्र दी आ बाकी एक चौथाई राज्य सरकार. छठ पूजा का दौरान कवनो तरह के हादसा से निपटे ला केन्द्र से राष्ट्रीय आपदा राहत फोर्स के नौ गो टुकड़ी
गोपालगंज जिला के बरौली थाना के पेटबिरौचा गांव में आजु जमीन का झगड़ा में एगो आदमी के गोली मार के हत्या क दिहल गइल. भदोही के एगो कालीन कारखाना में छापा मार के दू दर्जन बंधुआ बाल मजदूरन के आजाद करावल गइल. अखिलेश सिंह यादव के चाचा आ सपा के महासचिव रामगोपाल यादव सकरलन कि
पटना में बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी आज पटना के संस्कृत महाविद्यालय के नाम डा॰ श्रीकृष्ण सिंह के नाम पर करे के आ बिहार विश्वविद्यालय में उनकर आदमकद प्रतिमा लगावे के एलान कइलन त दिल्ली में नीतीश कुमार श्रीकृष्ण बाबू के भारत रत्न देबे के माँग कर दिहले. भाजपा अध्यक्ष अमित शाह मंगल का
यूपी सरकार दिवाली का मौका पर राज्य के सगरी शहरन के बिना कटौती बिजली देबे के फैसला कइलसि. एह बीच रोजाना एक करोड़ यूनिट बिजली खरीद के सप्लाई कइल जाई. उत्तर प्रदेश के राज्यपाल राम नाइक आजु सोमार का दिने कहलन कि पिछला तीन महीना के अपना कार्यकाल में उनुका एके गो बढिया काम लउकल
यूपी राज्यपाल काल्हु सोमार का दिने आपन तीन महीना के कार्यकाल के रिपोर्टकार्ड पेश कर के एगो नया परंपरा के शुरूआत करीहें. बिहार के स्वास्थ्य मंत्री रामधनी सिंह राजद के नेता रघुवंश प्रसाद सिंह के भेड़ बकरी जस बतावत कहलन कि कवनो भेड़ बकरी का कहला प इस्तीफा ना दीहें. आजमगढ के जहानागंज इलाका से
उत्तर प्रदेश के लोक निर्माण मंत्री शिवपाल सिंह यादव गाजीपुर-आजमगढ रोड के तुरते मरम्मत करावे के निर्देश दिहले आ कहले कि सैदपुर जमांनियां पुल के निर्माण तेजी से करावल जाए आ रौजा बि्रज के दिसम्बर ले हर हाल में पूरा बना के उद्घाटन करा लिहल जाव. यूपी सरकार राज्य के सात गो जिला में लड़िकियन
दिवाली आ छठ के भीड़ देखत रेलवे हावडा से नौतनवां का चलावत जात विशेष जनसाधारण साप्ताहिक गाड़ी के फेरा पाँच ट्रिप के कर दिहलसि. उत्तर प्रदेश के चीनी मिल मालिक प्रदेश सरकार का खिलाफ इलाहाबाद उच्च न्यायायलय में गोहार लगवले बाड़न कि गन्ना के दाम तय होखे से पहिले मिल मालिकन के पेराई के काम
बिहार में रोहतास जिला के काराकाट इलाका के मोहनपुर गांव में कुछ दबंग लोग मामूली झगड़ा में एगो दलित के जिंदा जरा दिहल. बिहार के मुख्यमंत्री रहल नीतीश कुमार दुर्गावती जलाशय परियोजना के उदघाटन पर खुशी जतावत कहलन कि रोहतास आ कैमूर जिला के किसानन के एगो पुरान सपना पूरा हो गइल. भारतीय कम्युनिस्ट पार्टी
नेशनल डेयरी डेवलपमेंट बोर्ड के अध्यक्ष टी नंद कुमार कहलन कि दूध उत्पादन का मामिला में बिहार के बेंवत दुगुना तिगुना हो सकेला आ जल्दिए बिहार देश में दूध उत्पादन करे वालन में तिसरका जगहा आ जाई. अन्तर्राष्ट्रीय बाजार में कच्च तेल के कीमत में आइल गिरावट फायदा आम जनता के देत आजु रात से
बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी कहलन कि अगिला विधानसभा में जदयू के नेता उहे रहीहे आ अगर गठबन्हन के लोग उनका के नेता चुन ली त मुख्यमंत्रिओ उहे बनीहें. साथही कहल ना भुलइलन कि जदयू के सर्वमान्य नेता नीतीश कुमार हउवें. बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी आजु कहलनकि लइकियन के शादी के उमिर
इलाहाबाद टीसन पर सीआरपीएफ के एगो सिपाही ट्रेन का आगा कूद के जान दिहलसि. नीतीश कुमार कहलन कि भरप पसारे वाला गद्दी पर आ गइले आ जनता के नीक दिन आइल चाहे ना झाड़ू के नीमनका दिन जरूरे आ गइल. प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के वाराणसी दौरा हुदहुद का चलते रद्द क दिहल गइल. काशी हिन्दू
फर्स्ट क्लास में मैट्रिक पास करे वाला मुसलमान विेद्यार्थियन के बिहार सरकार का तरफ से दस हजार के वजीफा दिहल जाई. हिन्दू विद्यार्थियन के मिली सेकूलरिज्म के ठेंगा! संविदा पर बहाल हजारो आयुष चिकित्सक आजु पटना में प्रदर्शन क के एलोपैथिक डाक्टरन का बराबरे मानदेय के माँग कइले. लोकनायक जेपी के जयन्ती आजु बिहार सरकार
Older Posts››