web analytics

टटका खबर (शुक, 9 अक्टूबर 2015)

बेहूदा बदबुजानी के मास्टर लालू अब प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी के ब्रह्मपिशाच बतवले बाड़न. काल्हु एगो सभा में पीएम मोदी लालू पर शैतान आवे के बात पर कुछ तंज कसलन त लालू अब उनुका के ब्रह्मपिशाच कहत बाड़न. प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आज शुक का दिने बिहार में दू गो चुनावी सभा करीहें. ई सभा दुपहरिया में … Read more

 150 total views

टटका खबर (बियफे, 8 अक्टूबर 2015)

प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी बियफे से शुक का बीच बिहार में छह गो चुनावी सभा के संबोधित करीहें. बियफे के दिन पीएम मोदी सबेरे दस बजे मुंगेर में, साढ़े एगारह बजे बेगूसराय में, दुपहरिया में एक बजे समस्तीपुर में, आ दुपहरिया दू बजे नवादा में चुनाव सभा करीहें. जान जाईं कि पीएम मोदी बिहार में चुनाव … Read more

 152 total views

टटका खबर (बुध, 7 अक्टूबर 2015)

अपना गोमांस वाला बयान से फेरा में पड़ल लालू मंगल का दिने कहलन कि कुकुर पोसे वाला लोग गाय पाले वाला लोग के उपदेश मत देव. बिहार विधान सभा के चुनाव जस जस नियरात बा तस तस नेता लोग, खास क के लालू प्रसाद बदजुबानी बढ़ल जात बा. गाय के मांस खाए का बारे में … Read more

 120 total views

टटका खबर (मंगल, 6 अक्टूबर 2015)

दिल्ली आइल जर्मनी के चांसलर एंजेला मर्केल आ भारत के पीेएम नरेंद्र मोदी का बीच बातचीत का बाद दुनू देश का बीच 18 गो सहमति पत्र पत दस्तखत भइल. 10वीं सदी के एगो दुर्गा मूर्ति जवन जर्मनी चल गइल रहुवे ओकरा के सोमार का दिने जर्मन चांसलर एंजेला मर्केल भारत के वापस सँउप दिहली जवना … Read more

 136 total views

टटका खबर (सोमार, 5 अक्टूबर 2015)

एनआरएचएम घोटाला के जाँच करत सीबीआई टीम मायावती से कइल पूछताछ से संतुष्ट नइखे आ उनुका से दुबारा पूछताछ करे वाला बा. केंद्रीय वित्त मंत्री अरुण जेटली के कहना बा कि जे लोग आपन करिया धन का बारे में खुलासा कर चुकल बा से अब चैन के नींद सूत सकेला बाकिर जे लोग अबहियों लुकाइल … Read more

 117 total views,  4 views today

टटका खबर (अतवार, 4 अक्टूबर 2015)

दिल्ली से सटले दादरी इलाका के बिसाडा गांव में मराइल मुसलमान आदमी के परिवार के अब यूपी सरकार बीस लाख रुपिया के आर्थिक सहायता देबे के एलान कइले बिया. सरकार के मरजी जेकरा के जतना चाहे ओतना सहायता दे देव बाकिर एकर कवनो एगो नियम आ तरीका होखे के चाहीं आ हर समुदाय के आदमी … Read more

 133 total views

टटका खबर (शनिचर, 3 अक्टूबर 2015)

सारण जिला के गड़खा इलाका के बाजितपुर गांव में मंदिर पर बाजत लाउडस्पीकर बंद करावे खातिर दोसरा समुदाय के कुछ लोग मंदिर के पुजारी से मारपीट क दीहल. घवाहिल पुजारी के गड़खा पीएचसी पर भरती करावल गइल बा. उनुका बयान पर गांवे के चार गो मुसलमान पर मुकदमा लिखला का बावजूद पुलिस तहकीकात करे में … Read more

 134 total views

टटका खबर (शुक, 2 अक्टूबर 2015)

देश आजु लाल बहादुर शास्त्री आ राष्‍ट्रपिता महात्‍मा गांधी के जयंती मनावत बा. बाकिर हमेशा का तरह अबकियो बेर गांधी के नाम का आगे शास्त्री के नाम दब जात बा. नेहरु खानदान कबो दोसरा के नाम आगे आवही ना दीहल. आजु प्रधानोमंत्री लाल बहादुर शास्त्री के समाधि पर ना गइलन. काहे कि सरकार नीति बना … Read more

 112 total views

टटका खबर (बुध, 30 सितंबर 2015)

लालू यादव पर जातिवादी भाषण देबे ला आ सुशील मोदी पर वोटरन के लालच देबे का आरोप में मुकदमा दर्ज करवले बावे प्रशासन. एह लोग के भाषण के वीडियो टेप मंगा के चुनाव आयोग जाँच शुरू कर दिहले बावे. लालू प्रसाद पर राघोपुर में खुलेआम जातिवादी भाषण देबे के आरोप बा त सुशील मोदी पर … Read more

 119 total views,  3 views today

टटका खबर (मंगल, 29 सितंबर 2015)

सिलिकन वैली के सफल यात्रा का बाद न्‍यूयॉर्क पहुंच के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अमेरिका के राष्‍ट्रपति बराक ओबामा से मुलाकात कइलन. एह लोग के ई साल भितरे तिसरका भेंट रहल. एक घंटा के एह मुलाकात में दुनू देश आतंकवाद आ उग्रवाद के मुकाबला करे में आपसी सहयोग अउर बढ़ावे पर सहमत भइले. पीएम मोदी कहलन … Read more

 125 total views,  2 views today

टटका खबर (सोमार, 28 सितंबर 2015)

पीएम नरेन्द्र मोदी के एगो कठोर कवच का भीतर नरम दिल वाला आम मनई वाला रुप काल्हु तब सभका सोझा आ गइल जब फेसबुक के कार्यालय में लोग से बतियावत मोदी से मार्क जुकरबर्ग महतारी के जिक्र चला दिहलन. अपना माई का बारे में बतियावत मोदी के गरदन बाझ गइल आ रो दिहलन. मोदी के … Read more

 130 total views

टटका खबर (अतवार, 27 सितंबर 2015)

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी संयुक्त राष्ट्र में सुधार के जोरदार गोहार लगावत जी-4 शिखर सम्मेलन के संबोधित करत कहलन कि सुरक्षा परिषद के विस्तार तय समय सीमा में करा लीहल जावल जी-4 समुह में भारत, जर्मनी, ब्राजील आ जापान शामिल बाड़े आ ई चारो देश सुरक्षा परिषद के स्थायी सदस्यता खातिर कोशिश करे में लागल बाड़ें. … Read more

 127 total views

टटका खबर (शनिचर, 26 सितंबर 2015)

संयुक्त राष्ट्र के 70वां सालगिरह पर आमसभा के संबोधित करत प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी सुरक्षा परिषद में सुधार आ एकर प्रतिनिधित्व व्यापक करे के जोरदार वकालत करत कहलन नि एकर विश्वसनीयता आ औचित्य बनवले राखे ला अइसन कइल जरूरी हो गइल बा. कहलन कि गरीबी मुक्त विश्व बनावल पर्यावरण के बचवले राखलो से बेसी जरूरी बा. … Read more

 121 total views

टटका खबर (शुक, 25 सितंबर 2015)

हज करे सऊदी अरब गइल दुनिया के अनेक देश के लोग के दू गो झुण्ड शैतान के पहिले ढेला मारे के रस्म पूरा करे का आपाधापी में एक दुसरा के कचारत बढ़े लागल. एह चलते भइल भगदड़ में 717 गो हाजियन के मौत हो गइल आ 860 से अधिका लोग घवाहिल हो गइल. एहमें भारतो … Read more

 254 total views

टटका खबर (बियफे, 24 सितंबर 2015)

बिहार विधानसभा चुनाव खातिर महागठबन्हन के पूरा सूची बुध का दिने जारी क दीहल गइल आ एकरा संगही जदयू आ राजद में बगावत के सुर तेज हो गइल. लालू अपना दुनू बेटन के टिकट दिहले बाड़न आ राजद पर अपना परिवार के कब्जा बनवले राखे के जिद हमेशा बतावत रहेलें. पहिला चरण के चुनाव खातिर … Read more

 136 total views

टटका खबर (बुध, 23 सितंबर 2015)

मुख्‍य निर्वाचन आयुक्‍त नसीम जैदी के नेतृत्‍व में आयोग के एगो टीम बिहार विधानसभा चुनाव के पहिला, दुसरा आ तिसरका दौर के तइयारी देखे समुझे खातिर 27 सितंबर के बिहार दौरा करे वाला बा. एहिजा अबले पहिला दौर खातिर 248 उम्मीदवार आपन परचा दाखिल कइले बाड़े. परचा दाखिल करे के आखिरी दिन बुध 23 सितंबर … Read more

 105 total views

टटका खबर (शनिचर, 19 सितंबर 2015)

बिहार विधानसभा चुनाव में जदयू-राजद-कांग्रेस महागठबंधन के कवन गोल कवान सीट से चुनाव लड़ी एकर फैसला शनिचर का दिने हो गइल आ एकरा साथही बगावत के आवाज उठल शुरु हो गइल. काहे कि जदयू के सीटिंग विधायक वाला कुछ सीट राजद का बखरा में पड़ गइल बा. पहिले के बँटवारा में छोड़ल तीन गो सीटो … Read more

 213 total views

टटका खबर (शुक, 18 सितंबर 2015)

यूपी के पौने दू लाख शिक्षा मित्रन के तोस देत पीएम मोदी के कहना बा कि एह मसला पर हाई कोर्ट के फैसला आवे दीहल जाव आ ओकरा बाद रास्ता निकाल लीहल जाई. घबड़ाए जिन लोग. शुक का दिने वाराणसी के यात्रा पर आइल पीएम मोदी अपना संसदीय क्षेत्र वाराणसी के पूरा बदल देबे के … Read more

 103 total views

टटका खबर (बियफे, 17 सितंबर 2015)

लइकाईं में एगो किस्सा सुनत रहीं जा कि एगो रहे सेमर, तवना में रहे तीन गो काँट. दू गो टूटले टाटल, एगो रहबे ना कइल. जवन रहबे ना कइल तवना में रहल तीन गो गड़हा. दू गो सूखले साखल, एगो में पानिए ना रहे. जवना में पानिए ना रहे तवना में रहलें तीन गो कोहार. … Read more

 119 total views

टटका खबर (बुध, 16 सितंबर 2015)

केन्‍द्र सरकार का तरफ से आजु कैबिनेट फैसला कइलसि कि गँवई इलाकन के बदलाव ले आ के ओहिजा के आर्थिक-सामाजिक रूप से विकसित कइल जाव. एह काम ला बनावल श्‍यामा प्रसाद मुखर्जी ग्रामीण शहरी मिशन नाम के योजना ला पांच हजार करोड़ रुपिया से अधिका के मंजूरी दीहल गइल बा. एह बात के जानकारी संचार … Read more

 205 total views