Go to ...
RSS Feed

News in Bhojpuri

खबर भोजपुरी में (शुक, 7 नवंबर 2014)

आजु शुक का दिने जब प्रधानमंत्री नरेनन्द्र मोदी वाराणसी दौरा पर अइलन त बाबतपुर हवाईअड्डा पर राज्यपाल राम नाईक आ मुख्यमंत्री अखिलेश यादव उनकर अगवानी कइले. मोदी दू दिन ले वाराणसी में रहीहें. व्यापार केन्द्र आ हस्तशिल्प कला संग्रहालय के शिलान्यास करत कहलें कि यूपी सरकार जमीन ना दिहलसि त शहर के बाहर बनावल जात

खबर भोजपुरी में (बियफे, 6 नवंबर 2014)

उत्तर प्रदेश के सगरी जिलाधिकारियन के अपना जिला के दू दू गो पिछड़ा गाँवन के गोद लेबे के कहलसि सरकार. ई काम 15 नवंबर ले कर लेबे के निर्देश. सेना में बहाली खातिर 17 नवम्बर से वाराणसी में भर्ती रैली शुरू होखी जवना में सात गो जिला, सोनभद्र, चंदौली, मऊ, संत रविदास नगर, आजमगढ़, देवरिया

खबर भोजपुरी में (बुध, 5 नवंबर 2014)

गोवा के मुख्यमंत्री मनोहर पार्रिकर के भारत सरकार के रक्षा मंत्री बनावल जा सकेला. आजु एह बात के जमके चरचा रहल. अतवार का दिने कैबिनेट के विस्तार के उमेद जतावल जात बा. अबकी बेर बिहार से अश्विनी कुमार चौबे आ गिरिराज सिंह के मंत्री बनावल जा सकेला. दिल्ली विधानसभा चुनाव के मद्दे नजर साल 84

खबर भोजपुरी में (मंगल, 4 नवंबर 2014)

उत्तर प्रदेश से राज्यसभा चुनाव खातिर आपन एगो उम्मीदवार भाजपा अब ले नइखे चुनले आ संकेत मिलत बा कि कवनो बाहरी आदमी के टिकट दिहल जाई. सपा का तरफ से छह जने आपन परचा दाखिल क चुकल बाड़े. कांग्रेस एगो सीट पर पी एल पुनिया के उमीदवार बनवले बिया जिनका के सपा आपन फालतू वोट

खबर भोजपुरी में (सोमार, 3 नवंबर 2014)

जापान सरकार भारत के प्रधानमंत्री रहल मनमोहन सिंह के आपन माथ सम्मान से सम्मानित करी. राष्ट्रीय एथलेटिक्स : कर्नाटक की धाविका एम. आर. पुवम्मा एथेलेटिक्स के 400 मीटर स्पर्धा में स्वर्ण पदक जीतली. 800 मीटर स्पर्धा में टिंटू लुका के स्वर्ण पदक मिलल. 100 मीटर स्पर्धा में रेलवे के पदक जीतले. एलआईसी के एथलीट अंकित

खबर भोजपुरी में (अतवार, 2 नवंबर 2014)

पीएम बनला का बाद दुसरका बेर अतवार का दिने नरेन्द्र मोदी जनता से अपना ‘मन के बात’ बतवलन. कहलन कि लोग अपना प्रधान सेवक पर भरोसा राखे, करिया धन के एक एक पाई वापिस ले अइहें. स्वच्छ भारत अभियान में आम जनता के जुड़े के स्वागत करत कहलन कि एह मिशन के लाभ गरीबन ले

खबर भोजपुरी में (शनिचर, 1 नवंबर 2014)

अंबानी परिवार शनिचर का दिने मुकेश अंबानी के पत्नी नीता अंबानी के 51 वाँ जनमदिन का मौका पर वाराणसी के विश्वनाथ मंदिर में माथा टेकलसि. एह खातिर पूरा परिवार आ बाकी लोग अपना हवाई जहाजन से वाराणसी पहुँचल. माले का तरफ से लखनऊ में एगो किताब जारी क के कहल गइल कि राज्य में भाजपा

‹‹Newer Posts