Go to ...
RSS Feed

News in Bhojpuri

टटका खबर (मंगल, 15 सितंबर 2015)

प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आ श्रीलंका के प्रधानमंत्री रानिल विक्रमसिंघे के प्रतिनिधमंडल स्तर के बातचीत के बाद दुनू देश आपसी संबंधन के अउरी आगा ले जाए आ बढ़ावे खातिर आपन प्रतिबद्धता बतवले. चिकित्सा अउर अंतरिक्ष विज्ञान में सहयोग बढ़ावे खातिर चार गो समझौतन पर दस्तखत भइल. साझा बयान में पीएम मोदी कहलन कि श्रीलंका हमनी के

टटका खबर (सोमार, 14 सितंबर 2015)

संयुक्त राष्ट्र सुरक्षा परिषद में स्थाई सदस्यता लेबे के कोशिश में लागल भारत के सोमार का दिने बड़हन सफलता मिलल जब संयुक्त राष्ट्र के करीब 200 सदस्य राष्ट्र सुरक्षा परिषद में सुधार के सवाल पर अगिला एक साल ले चरचा करे पर तईयार हो गइले. चीनो एह प्रस्ताव के समर्थन कइले बिया. श्रीलंका के प्रधानमंत्री

टटका खबर (अतवार, 13 सितंबर 2015)

जीतन राम माँझी काल्हु शनिचर का दिने जे रुसलन त आजु एह घरी ले रुसले बाड़न. भाजपा के लोग उनुका के मनावे में लागल बा बाकिर ऊ अबहीं ले लाइन पर नइखन आइल. उनकर जिद्द बा कि लोजपा का बरोबरे सीट चाहीं उनुको गोल के. कम पर ना मनीहें काहे कि ऊ अपना के कवनो

देश दुनिया के खबर (शनिचर, 12 सितंबर 2015)

शनिचर का दिने दीहल अपना फैसला मे इलाहाबाद उच्‍च न्‍यायालय यूपी के करीब पौने दू लाख शिक्षा मित्रन के सहायक शिक्षक बना के नियमित सरकारी नौकरी देबे वाला आदेश के रद्द क दिहलसि. मुख्‍य न्‍यायाधीश डी वाई चन्‍द्रचूड़ के अध्‍यक्षता वाली पूर्ण पीठ के कहना बा कि सगरी बहाली गैर कानूनी तरीका से भइल बा

देश दुनिया के खबर (शुक, 11 सितंबर 2015)

शुक का दिने प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी चंडीगढ हवाई अड्डा पर एगो नया टर्मिनल के उद्घाटन कइलन. एह टर्मिलन से घरेलू आ अंतरराष्ट्रीय दुनू तरह के उडान भरल जाई. शुक का दिने प्रधानमंत्री मोदी उत्तराखंट के ऋषकेश, पंजाब हरियाणा के चंडीगढ़ आ यूपी के सहारनपुर में जनसभा के सबोधित करत बतवलन कि साल 2022 में सगरी

छपरा बलिया से टटका खबर (11 सितंबर 2015, शुक)

राजग में भाजपा के तीनो सहयोगी गोल सीट बँटवारा पर सहमत हो गइल लउकत बाड़े. रालोसपा के उपेन्द्र कुशवाहा त लिख के दे देले बाड़न कि सीट बँटवारा में भाजपा के फैसला उनुका मंजूर होखी. जीतन राम माँझीओ अइसने बात कहले बाड़न. बाकिर उनुका गोल आ लोजपा के बीच के रस्सा कस्सी अबहीं चालू बा.

देश दुनिया के खबर (बियफे, 10 सितंबर 2015)

बियफे का दिने हिन्दी के अंतर्राष्ट्रीय सम्मेलन के संबोधित करत पीएम मोदी कहलन कि जरूरत बा कि हिन्दी के प्रौद्योगिकी में इस्तेमाल होखे जोग बनावल जाव. 32 बरीस बाद हिन्दुस्तान में होखत एह विश्व हिन्दी सम्मेलन के उद्घाटन करत पीएम के कहना रहे कि जल्दिए अंग्रेजी आ चीनी भाषा का बाद प्रौद्योगिकी में हिन्दी के

देश दुनिया के खबर (बुध, 9 सितंबर 2015)

बुध का दिने बलिया बंद करावत लोग पर मालगोदाम चौराहा पर एगो मोबाइल दुकान के मालिक आपन रिवाल्वर निकाल लिहलसि आ फायर झोंक दिहलसि. एह में दू जने के गोली लागल बा आ दुनू के हालत खराब बतावल जात बा. पूरा खबर अलग से दीहल गइल बा. बिहार विधानसभा चुनाव के सिंहा बाज गइल. बुध

देश दुनिया के खबर (मंगल, 8 सितंबर 2015)

प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी मंगल का दिने उद्योगपतियन संग बइठक क के ओह लोग से रोजगार देबे वाला बिजनेस ला निवेश करे के कहलन. कहलन कि रोजगार के मौका देबे में आर्गनाइज्ड सेक्टर बहुते सक्षम बा आ बैंक एह लोग के सहायता करे. एह मौका पर वित्त मंत्री अरुण जेटलि के कहना रहल कि अस्थिरता के

देश दुनिया के खबर (सोमार, 7 सितंबर 2015)

वाराणसी से दिल्ली आवत एयर इंडिया के हवाई जहाज में उतरत बेरा आग लाग गइल बाकिर संजोग नीमन रहल कि सगरी 153 सवारी सुरक्षित बाड़ें. हालांकि उतरे का हड़बड़ी में कुछ लोग घवाहिल जरूर हो गइल. बतावल जात बा कि शायद उतरत बेरा ब्रेक लगवला से चक्का जाम हो गइल होखी आ ओकरे चलते आग

देश दुनिया के खबर (अतवार, 6 सितंबर 2015)

आजु पीएम मोदी फरीदाबाद मेट्रो के उद्घाटन करे मेट्रोवए से फरीदाबाद चहुँपलन आ एकर उद्घाटन कइलन. अब दिल्ली फरीदाबाद का बीच मेट्रो से आवाजाही होखे लागी जवना से फरीदाबाद के विकास बहुते तेज हो जाई. इंदिरा गाँधी सरकार का दौरान सैनिकन के मिले वाला एक रैंक एक पेंशन के बंद कर दीहल गइल रहुवे आ

देश दुनिया के खबर (शनिचर, 5 सितंबर 2015)

एक रैंक खातिर एक समान पेंशन के मांग करत सैनिकन के मुराद आजु पूरा हो गइल. बाकिर पलटनो में कुछ पलटिशियन घुस गइल बाड़न स आ ऊ नइखन चाहत सँ कि एह मसला के हल आराम से निकल सको. इन्दिरा गाँधी के राज में हटावल गइल एह व्यवस्था के फेरू से शुरु ना कइल जा

देश दुनिया के खबर (शुक, 4 सितंबर 2015)

पीएम मोदी आजु खुलेआम संघ का बइठक में शामिल भइलन आ ओहिजा अपना संबोधन मे कहलन कि उनुका स्वंयसेवक होखला के गर्व बा. देश के भंड़ुआ मीडिया जवन कबो मनमोहन सिहं के सोनिया दरबार में हाजिरी पर सवाल ना उठवलसि, पोप भा बुखारी का दुआरी सोनिया के माथा टेकला के अनदेखी करत रहल पिछला तीन

देश दुनिया के खबर (बियफे, 3 सितंबर 2015)

भारत आ ऑस्ट्रेलिया का बीच रक्षा अनुसंधान आ सामान सहयोग ला मिलजुल के कार्यदल बनावे समेत अनेके नया पहल करत प्रतिरक्षा भागीदारी के मजबूत करे के फैसला भइल बा. दुनू देश हिंद महासागर क्षेत्रो में समुद्री सुरक्षा खातिर आपस में सहयोग करीहें. दुनू देश मिल जुल के वायुसेना आ नौसेना अभ्यास करे वाला बाड़े. राष्ट्रीय

देश दुनिया का साथे भोजपुरी पट्टी के खबर (31 अगस्त 2105, सोमार)

प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी अपना मन के बात कार्यक्रम में जनता के बता दिहलन कि उनकर सरकार अब भूमि अधिग्रहण अध्‍यादेश के फेरू जारी ना करवाई काहे कि एह पर विपक्ष बेमतलब के हवा बना के लोग के भरमा दिहले बावे. कहलन कि किसानन के डेरइला भा भरमइला के जरूरत नइखे काहे कि सरकार अइसन कवनो

टटका खबर (बुध, 26 अगस्त 2015)

लागत बा कि बाकायदा साजिश क के देश के शांति भंग करे के कोशिश का तहत गुजरात में पटेल समुदाय के भड़कावल गइल बा. पटेलन के अगुआई के दावा करे वाला हार्दिक पटेल आआपा के केजरीवाल के नजदीकि रहल बा आ ओकरा समर्थन में अरविन्द केजरीवाल आ नीतीश कुमार खुल के सामने आ गइल बाड़े.

टटका खबर (मंगल, 25 अगस्त 2015)

बिना बात भइले आ बीचे में कनेक्शन कटे से परेशान लोग के चिन्ता के आवाज देत प्रधानमंत्री एह पर चिंता जतावत अपना मंत्रियन से कहलन कि एह समस्या से निजात दिआवल बहुते जरूरी बा. साथही देश में डिजिटल क्रांति खातिर ढांचागत प्रगति पर धियान दीहल जाव. तीन साल का भीतर देश के हर गाँव के

टटका खबर (शुक, 21 अगस्त 2015, देश-दुनिया)

शुक का दिने पटना में बिहार सरकार के गेस्ट हाउस का लिफ्ट में भाजपा अध्यक्ष अमित शाह आ बिहार भाजपा के कुछ नेता लिफ्ट मे फँस गइले. चालीस मिनट बाद कार्यकर्ता आ सुरक्षा कर्मी लिफ्ट के तूड़ के एह लोग के बाहर निकललन. भाजपा एकरा के साजिश बतावत बिया जबकी लालू आ नीतीश एह घटना

टटका खबर (बुध, 19अगस्त 2015, बलिया-छपरा)

बलिया के दुबहड़ डिग्री कालेज आ सतीश चंद महाविद्यालय के विद्यार्थी काल्हु मंगल का दिने अपना अपना काॅलेज के भ्रष्टाचार आ मनमानी का खिलाफ कलेक्ट्रेट पर प्रदर्शन कइले. एह लोग के शिकायत बा कि दाखिला खातिर मंजूर सीट घटा दीहल गइल बा आ मनमाना तरीका से नाम लिखल जात बा. रसड़ा-कासिमाबाद सड़क पर नीबू का

टटका खबर (मंगल, 18 अगस्त 2015, देश दुनिया)

इलाहाबाद हाईकोर्ट मंगल का दिने एगो बड़हन फैसला सुना के सरकार आ ओकरा कर्मचारियन के जान सूखा दिहले बावे. आदेश दिहले बावे कि सरकार अपना सगरी नौकरशाहन आ कर्मचारियन ला जरूरी बना देव कि ओह लोग के पालित सरकारी स्कूले में पढ़ीहें आ जे प्राइवेट स्कूलन में पढ़ाई ओकरा तनखाह से स्कूल के फीस के

Older Posts›› ‹‹Newer Posts