web analytics

टटका खबर (सोमार, 17 अगस्त 2015, देश-दुनिया)

भारत आ संयुक्त अरब अमारात का बीच रक्षा आ सुरक्षा के क्षेत्र में रणनीतिक भागीदारी बढ़ावे के फैसला हो गइल बा. भारत में संयुक्त अरब अमारात बड़हन निवेश करे ला तइयार हो गइल बा. भारत आ संयुक्त अरब अमारात के तरफ से जारी साझा बयान में कहल गइल बा कि आतंकवाद के कवनो सूरत में … Read more

 146 total views

टटका खबर (सोमार, 17 अगस्त 2015, बलिया-छपरा)

पुरी से लवटत घरी झारखण्ड के सरायकेला में भइल सड़क हादसा में सिवान के 14 गो कांवड़ियन के मौत पर बिहार सरकार सभका परिवार वालन के चार चार लाख रुपिया अनुग्रह अनुदान देबे के एलान कइले बिया. रेल राज्यमंत्री मनोज सिन्हा आजु सोमार का दिने गाजीपुर सिटी टीसन पर बोलावल एगो समारोह में छपरा-बलिया-गाजीपुर-वाराणसी-इलाहाबाद रेलखंड … Read more

 197 total views

टटका खबर (अतवार, 16 अगस्त 2015, देश दुनिया)

यूएई के दौरा पर चहुँपल प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अतवार का दिने अबू धाबी में बनल दुनिया के सबले बड़हन आ शानदार शेख जायद मस्जिद चहुँपले त ओहिजा हजारन हजार लोग के भीड़ उनका स्वागत में मौजूद रहुवे. पीएम मोदी पहिला बेर कवनो मस्जिद में चहुँपल रहले आजु. यूएई सरकारो उनका स्वागत में कवनो कोर कसर … Read more

 210 total views

टटका खबर (अतवार, 16 अगस्त 2015)

आजादी के 68वाँ सालगिरह पर लालकिला पर झंडा फहरवला का बाद देश के संबोधित करत प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी कहलन कि अपना पन्द्रह महीना के अबले के शासन काल में ऊ भ्रष्टाचार प अतना कड़ाई क दिहले बाड़न कि एको पइसा के भ्रष्टाचार के आरोप उनका सरकार पर नइखे लागल. कहलन त ना बाकिर उनकर इशारा … Read more

 142 total views

टटका खबर (शनिचर, 15 अगस्त 2015)

आजु आजादी के 68वां सालगिरह का मौका पर लाल किला से देश के संबोधित करत प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी कहनी कि तय समय का भितरे परियोजना आ काम पूरा करावे के नया संस्कृति के शुुरूआत हो गइल बा उनका सरकार से. एक रैंक एक पेंशन पर बोलत कहनी कि जल्दिए एकर सही रूप सोझा आ जाई. … Read more

 106 total views

टटका खबर (शुक, 14 अगस्त 2015, बलिया-छपरा)

सिवान जिला के दरौंदा थाना के हड़सर गाँव से तीन दिन से लापता पांच बरीस के लड़िका के लाश पुअरा में लुकावल मिलल. केहू ओकर हत्या क के पुअरा में दबा दिहले रहुवे. काल्हु बदबू होखे लागल तब लाश निकालल गइल. 18 अगस्त का दिने पीएम मोदी पटना बक्सर फोर लेन सड़क के शिलान्यास करीहें … Read more

 395 total views

टटका खबर (बियफे, 13 अगस्त 2015, देश-दुनिया)

संसद के मानसून सत्र कांग्रेस के महतारी बेटा का चलते जीएसटी के पास करवला बिना खतम हो गइल बाकिर सरकार के कहना बा कि हर हाल में अप्रेल 2016 से जीएसटी लागू करा दीहल जाई. वित्त मंत्री अरुण जेटली आजु कहलन कि कांग्रेस के बस एके गो मकसद रहुवे कि जीएसटी बिल पास मत होखो … Read more

 136 total views

टटका खबर (बियफे, 13 अगस्त 2015, बलिया-छपरा)

काल्हु लोकसभा में कांग्रेस के सांसद अतना तिलमिला गइले कि सोनिया तक ले सदन का वेल में आ गइली. हो हल्ला का बीच कवनो सांसद सोनिया पर कुछ कमेंट कर दिहलसि जवना से सोनिया गाँधी तिलमिला गइली आ अपना गोल के सांसदन संगे वेल में उतर गइली. एह तरह के बेजा हरकत अमूमन बड़का नेता … Read more

 133 total views

टटका खबर (बुध, 12 अगस्त 2015)

भाजपा के परिवर्तन रथ के आजु बुध का दिने सोनपुर के हरिहरनाथ मंदिर में पुजा अर्चना कइके गृहमंत्री राजनाथ सिंह रवाना करइहें. नयागाँव टीसन पर उनकर एगो सभो होखे वाला बा आजु. सारण जिला के 27 गो निजी अस्पतालन में राष्ट्रीय स्वास्थ्य बीमा योजना के तहत मुफ्त इलाज के सुविधा देबे वाला करीब दू लाख … Read more

 347 total views

टटका खबर (मंगल, 11 अगस्त 2015, बलिया-छपरा)

बिहार के बक्सर जिला के सिकरौल इलाका में जमीन के झगड़ा का चलते मंगल का दिने एगो महतारी बेटी के गोली मार के हत्या क दीहल गइल. सब छँवड़ी झुमर पाड़े त लंगड़ी कहे हमहु वाला अन्दाज में आआपा गोल बिहार चुनाव में आपन दाँव आजमावल चाहत बिया आ ओकर चेहरा बन के बिहारी बाबू … Read more

 322 total views

टटका खबर : सोमार, 10 अगस्त 2015 (बलिया-छपरा)

देवघर बाबाधाम का लगे एगो बेलाबागान का मंदिर में नियरा आजु सोमार के सबेर में मचल भगदड़ से नाहियो त एक दर्जन लोग के मौत हो गइल आ पचास जने घवाहिल हो गइले. प्रशासन के कहना बा कि घवाहिलन के गिनिती अबहीं अउर बढ़ सकेला. प्रशासन लाठी चार्ज का चलते भगदड़ होखे के बातो नकारत … Read more

 201 total views

टटका खबर : अतवार, 9 अगस्त 2015 (बलिया-छपरा)

भाजपा के एगो बड़ नेता आ सांसद रहल रामनाथ कोविंद के बिहार के राज्यपाल आ शिक्षाविद आचार्य देवव्रत के हिमाचल प्रदेश के राज्‍यपाल बनावल गइल बा. पेशा से वकील रहल 69 साल के रामनाथ कोविंद उत्तर प्रदेश के कानपुर से हउवें आ भाजपा के अनुसूचित जाति मोरचा के प्रमुखो रहल बाड़े. बिहार के नयका राज्यपाल … Read more

 171 total views

टटका खबर : शनिचर, 8 अगस्त 2015 (बलिया-छपरा)

सिवान जिला के नौतन इलाका के मुरारपट्टी में एगो नवही के हत्या बियफे का रात गरदन दबा के कर दीहल गइल. भोर में ओकर लास गाँव का बधार में मिलल. कुछ दिन पहिलहीं ऊ विदेश से कमाई क के लवटल रहुवे. गोरेयाकोठी से सिवान आवत एगो टेम्पो सिवान-तरवारा मेन रोड पर नथनपुरा गांव का नियरा … Read more

 789 total views

टटका खबर : शुक, 7 अगस्त 2015

अगिला महीना पाकिस्तान में होखे जात कॉमनवेल्थ पार्लियामेंट्री एसोसिएशन के सम्मेलन खातिर जम्मू कश्मीर विधानसभा स्पीकर के नेवता ना मिलला का विरोध में भारत एह सम्मेलन के वहिष्कार करे के फैसला लिहले बा. 30 सितंबर से होखे वाला एह सम्मेलन खातिर लोकसभा अध्यक्ष आ हिन्दुस्तान के सगरी विधानसभा के स्पीकर लोग के नेवता भेजले बावे … Read more

 205 total views

टटका खबर : शुक, 7 अगस्त 2015 (छपरा-बलिया)

शनिचर का दिन से दीघा रेल पुल पर इंजन दउड़े लागी. एकर उद्घाटन करे खातिर रेल राज्यमंत्री मनोज सिन्हा पटना अइहें आ ओही दिने पाटलिपुत्र टीसनो के उद्घाटन कर दीहें. एकरा अलावे एहीजे से 132 किमी लमहर मानपुर-तिलैया-बख्तियारपुर रेल खंड के बनावल शुरु करे खातिर शिलान्यासो करीहें, पटना जंक्शन पर बनल रेलवे सुपर स्पेशिलियटी हास्पीटल … Read more

 442 total views

टटका खबर : बियफे, 6 अगस्त 2015

लोकसभा में सुषमा स्वराज ललित मोदी प्रकरण में आपन सफाई देत कहली कि लोग बतावे त सही कि ऊ अइसन का कइली जे लोग उनुका पीछे पड़ल बा आ उनकर जबाबो सुनल नइखे चाहत. कहली कि ऊ कबो ललित मोदी के यात्रा दस्तावे देबे के पैरवी नइखे कइली. ऊ त बस इंगलैंड सरकार के अतने … Read more

 139 total views

टटका खबर : बियफे, 6 अगस्त 2015 (छपरा-बलिया)

भोजपुरी के संविधान के 8वीं अनुसूची में शामिल करावे के मांग ले के आजु दिल्ली में भोजपुरी के अनेके संगठन एक दिन के धरना देत बाड़ें. एह लोग के कहना बा कि मोदी सरकार भोजपुरी के मान्यता देबे में कोताही करत बिया आ आपने दीहल चुनावी वादा भुला गइल बिया. बलिया जिला के बिल्थरारोड में … Read more

 130 total views

टटका खबर : बुध, 5 अगस्त 2015

नर्मदा बचाओ आंदोलन के एगो कार्यकर्ता के कहना बा कि समय से पहिले इंदिरा सागर बांध के अधिका भरइला का चलते पानी नर्मदा नदी के पानी लवट आइल आ माचक नदी के अफना दिहलसि जवना चलते काल्हु रात वाला दू गो ट्रेन हादसा भइल आ 28 आदमी मर गइलें. बात के घुमा फिरा के नरेन्द्र … Read more

 340 total views

टटका खबर : बुध, 5 अगस्त 2015 (बलिया-छपरा)

मध्य प्रदेश के हरदा में काल्हु रात माचक नदी पर बनल पुल पर दूगो रेलगाड़ी पटरी से उतर गइली सँ जवना से 27 जने के मौत हो गइल आ बहुते लोग घवाहिल हो गइल बा. मरे वालन के गिनिती बढ़े के अनेसा बा काहे कि बचाव के काम अबहीं चलत बा. एह रेलगाड़ियन में मुंबई … Read more

 408 total views

टटका खबर : मंगल, 4 अगस्त 2015

पोर्न के शौकीनन आ कांग्रेस के चालबाजी का सोझा दण्डवत क दिहलसि केन्द्र सरकार. एक त केन्द्रीय वित्त मंत्री अरुण जेटली से मोदी भक्त अतना खफा बाड़न कि जेटली के बढ़ा के जय इटली कर दिहलन. दोसरे भूमि अधिग्रहण बिल पर राबर्ट वाड्रा के सास सोनिया के पार्टी के जिद्द का आगे भाजपा हार मान … Read more

 169 total views