Go to ...
RSS Feed

Online Bhojpuri Newspaper

टटका खबर (सोमार, 24 अगस्त 2015)

चीन आपन मुद्रा युआन के भाव का गिरवलसि कि दुनियाभर के शेयर बाजारन में हाहाकार मच गइल बा. ग्रीस के संकट से अबहीं बाजार उबरियो ना पवले रहुवे तबले सामने आ गइल चीन के बुलबुला. चीनी सामान के त गारंटी पहिलहूं ना रहुवे बाकिर अब लागत बा कि चीनो के गारंटी नइखे रहि गइल. दुनिया

टटका खबर (अतवार, 23 अगस्त 2015)

सुरक्षा सलाहकारन का बीच के बातचीत पाकिस्तान का तरफ से रद्द भइला पर निराशा जतावत गृहमंत्री राजनाथ सिंह कहलन कि अगर पाकिस्तान के काश्मीर मुद्दा उठावे के शौक रहुवे त ऊफा में काहे ना उठवलसि. राजनाथ सिंह इहो कहलन कि आगे के बातचीत अब पाकिस्तान का उपर बा कि ऊ बतियावल चाहत बा कि ना.

टटका खबर (शनिचर, 22 अगस्त 2015, देश दुनिया)

पाकिस्तान जानत बा कि ओकर एनएसए सरताज भारत के एनएसए के मुकाबले टिक ना पइहें आ बढ़िया रही कि पाकिस्तान एह बातचीत के रद्द कर देव. अबहीं भारत का लगे पाकिस्तानी आतंकवाद के जियत जागत सबूत नवेद मौजूद बा आ कराची में रहत भारत में आतंकी हमला के आरोपी दाउद के मौजूदगी के ढेरे सबूत

टटका खबर (बियफे, 20 अगस्त 2015, देश दुनिया)

भारत आ प्रशांत द्वीप समूह के देशन के मंच के दुसरका शिखर सम्मेलन शुक का दिने जयपुर में होखे जा रहल बा जवना में 14 देशन के राष्ट्राध्यक्ष आ बड़का अधिकारी शामिल होखीहें. प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी शुक का दिने एह सम्मेलन के संबोधित करीहें. चोर चोरी से जाई बाकिर तुम्बाफेरी से ना. पाकिस्‍तान कह दिहलसि

टटका खबर (बुध, 19 अगस्त 2015, देश दुनिया)

राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी के पत्नी के अंतिम संस्कार में शामिल होखे चहुँपल बांगलादेश के प्रधानमंत्री शेख हसीना बुध का दिने प्रधानमंत्री मोदी से भेंटो करे अइली. एह मुलाकात का समय दुनू देश के अधिकारियो मौजूद रहलन. दिल्ली के बहुते चर्चित रहल उपहार सिनेमा में आग लागे वाला घटना के मुकदमा में सिनेमा हाल के मालिक

टटका खबर : 18 जुलाई 2015 (सबेर)

17 जुलाई के अबेर संस्करण से आगे ओडिशा के पुरी में भगवान श्री जगन्‍नाथ जी के रथ यात्रा आजु हो रहल बा. एह शताब्‍दी के पहिलका नव कलेवर रथ यात्रा में शामिल होखे खातिर लाखों के संख्या में श्रद्धालु पुरी चहुँपल बाड़े. देश के बाकियो हिस्सा में कई जगहा से रथ यात्रा निकाले के खबर

टटका खबर : सुबह सबेरे (बुध, 15 जुलाई 2015)

बलिया में मंगल का दिने विकास का नाम पर बोलावल बइठक में भाजपा सांसद भरत सिंह आ सपा के राज्यसभा सांसद नीरज शेखर का बीच हाथापाई के नौबत आ गइल जब एगो सवाल पर भरत सिंह नीरज शेखर के कह दिहलन कि रउरा जाईं, रेव पार्टी करीं. बाकिर सलेमपुर से भाजपा सांसद रवीन्द्र कुशवाहा आ

सगरी खबर भोजपुरी में (सोमार, 13 जुलाई 2015)

पाकिस्‍तान नइखे चाहत कि भारत का साथे ओकर संबंध सुधरो. पहिले त ओकर विदेश मंत्री कहलन कि कश्मीर का बिना भारत से बाते ना कइल जाई. आ फेरू पाकिस्तान सरकार का ओर से कहल गइल कि साल 2008 के मुंबई आतंकी हमला का बारे में अउरी आ पुख्ता सबूतन के जरुरत बा. भारत का तरफ

सगरी खबर भोजपुरी में (अतवार, 12 जुलाई 2015)

प्रधानमंत्री रूस आ मध्य एशिया के पांच देशन के यात्रा का आखिरी दौर में ताजिकिस्तान चहुँप गइल बाड़न आ ओहिजा के प्रधानमंत्री कोखिर रासुलज़ोदा हवाई अड्डा पर उनुकर स्वागत कइलन. कवनो भारतीय प्रधानमंत्री पहिला बेर तजिकिस्तान के यात्रा पर गइल बाड़े. मोदी से पहिले साल 2003 में बाजपेयी जी आइल रहलें. हमेशा का तरह फेरू

सगरी खबर भोजपुरी में (शनिचर, 11 जुलाई 2015)

समाजवादी पार्टी के मुखिया मुलायम सिंह यादव पर यूपी के एगो आईएएस अधिकारी के हड़कावे के आरोप आईएएस अमिताभ ठाकुर के पत्नी लगवले बाड़ी. अपना आरोप के बरियार करत ऊ एगो आडियो क्लिपो जारी कइले बाड़ी जवना में मुलायम सिंह जइसन आवाज में अमिताभ ठाकुर के एगो नेताजी हड़कावत बाड़न. आडियो क्लिप मीडिया में सुनल

सगरी खबर भोजपुरी में (शुक, 10 जुलाई 2015)

प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी आ पाकिस्‍तान के प्रधानमंत्री नवाज शरीफ आजु ऊफा में आपस में बतियवलें. नवाज शरीफ अगिला साल पाकिस्तान में होखे जा रहल सार्क शिखर सम्मेलन खातिर मोदी के नेवता दिहलन जवना के मोदी सकार लिहलन. अब अगिला साल पीएम मोदी पाकिस्तान के यात्रा करे ला तइयार हो गइल बाड़न. आजु के बातचीत के

सगरी खबर भोजपुरी में (बियफे, 11 जून 2015)

केजरीवाल सरकार के कानून मंत्री रहते गिरफ्तार भइल जितेन्द्र सिंह तोमर के फर्जीवाड़ा के परत दर परत खुलत जात बा आ उनुका पर घेरा कसात चल जात बा. अदालतो से उनकर जमानत अर्जी खारिज हो गइला का बाद उनकर समस्या अउरी गंभीर हो गइल बा. पाकिस्तान का तरफ से जारी एगो आधिकारिक बयान में भारत