web analytics

निफ्टी के पिछला साल भर के चाल-चलन : जानकारी सभ पर भारी

10 सितम्बर 2021 से 9 सितम्बर 2022 का बीच 248 दिन बाजार खुलल रहल.
एहमें से 91 दिन बाजार पिछला दिन के बंदी से नीचे खुलल आ 157 दिन उपर. 0 अंक के बढ़त भा गिरावटो एही में शामिल बा. एहमें 1 अंक से 514 अंक तक के गिरावत शामिल बा.

गिरावट का दिनन के जानकारी – 1 दिन बाजार पाँच सौ अंक से अधिका से गैप डाउन खुलल, 5 दिन के गैप डाउन 300 अंक से अधिका रहल, 25 दिन ई गैप 200 अंक से अधिका के रहल, 28 दिन 100 से अधिका अंक से गैप डाउन आ 28 दिन 50 अंक से अधिका के गैप डाउन रहुवे. 26 दिन ई गिरावत 50 अंक से कम के रहुवे.

गिरावट से खुले वाला दिनन में 300 अंक से अधिका के गैप डाउन से खुलल बाजार बंदी बेरा चढ़ के खुलली सँ. 200 अंक से अधिका के गैप डाउन वाला दिनन में 3 दिन अउरी नीचे गिर के बंद भइल त 3 दिन सुधर के. 100 अंक से अधिका के गैप डाउन वाला 25 दिन में से 13 दिन सुधर के त 12 दिन अउरी नीचे गिर के बंद भइल. 50 अंक से अधिका के गैप डाउन खुलल बाजार 10 दिन सुधर के त 18 दिन अउरी गिरावट का साथे बंद भइल. 50 अंक से कम गिरावट से खुलल दिनन में से 12 दिन सुधर के त 14 दिन अउऱी कमजोरी का साथे बंद भइल बाजार.

कुल मिला के 91 दिन गिरावट से खुले वाला बाजार 44 दिन सुधर के त 47 दिन अउरी गिरावट ले के बंद भइल.

बाकी के 157 दिन बढ़त से खुले वाला बाजार 82 दिन अउरी बढ़त ले के त 75 दिन गिरावट का साथे बंद भइल. एह 157 दिन में 1 दिन 400 अंक से अधिका के गैप अप खुलल, 6 दिन 200 अंक से अधिका के गैप अप लेत, 48 दिन 100 अंक से अधिका के गैप अप, त 49 दिन 50 अंक से अधिका से.
100 अंक से उपर के गैप अप लेत खुले वाला बाजार 55 दिन में से 21 दिन अउऱी बढ़त ले के त 34 दिन गिरावट का साथे बंद भइल. 50 अंक भा ओकरा से कम के बढ़त का साथे बाजार 102 दिन खुलल आ एहमें से 61 दिने अउरी तेजी लेत बंद भइल त 41 दिन गिरावट का साथे.

उपर दीहल एह आंकड़ा से अतना त साफ हो गइल कि बाजार खुलला आ बंद भइला का बीच कवनो तालमेल ना रहे. तेजी से खुलल बाजार मंदी लेत त मंदी से खुलल बाजार तेजी लेत बंद होत रहेला.

रउरा कहब त एहमें कवन खास बाति बा जवना ले हम अतना दिमाग खपवनी. त आगे बतावत बानी.

कुल 248 दिन खुलल बाजार 25 दिन 200 अँक से अधिका के कमजोरी देखावत बंद भइल, आ 17 दिन 200 अंक से अधिका के तेजी का साथे.
38 दिन 100 अंक से ले के 200 अंक तक के गिरावट का साथे बंद भइल त 34 दिन अतने के तेजी देखावत.
31 दिन 50 अंक से अधिका के कमजोरी का साथे त देखावत बंद भइल त 39 दिन अइसने तेजी देखावत.
64 दिने बाजार सपाट मानल जा सकेला काहे कि एह सभ दिने तेजी भा गिरावट 50 अंक का भितरे रहल.

ऑप्शन ट्रेडर एह जानकारी से बहुते बढ़िया इस्तेमाल कर सकेलें अगर उनका अंदाजा लाग सके कि कब तेजी मिले वाला बा आ कब मदी. एके दिन बाजार अकस्ररहां दुतरफा चाल चलेला. अगर कवनो संकेतक अइसन मिले जवन बता सके कि पहिले बढ़त मिले जा रहल बा कि गिरावट आ एही हिसाब से तब ऊ आराम से तय कर सकीहें कि कब कवन ऑप्शन खरीदल जाव.

एहिजा ई बतावल बहुते जरुरी बा कि ऑप्शन ट्रेडर के तीन गो बरियार दुश्मन होखेलें. समय, लालच आ डर. समय त हमेशा ओकरा खिलाफ रहेला जवना चलते कमाई के मौका ऑप्शन सेलर के साथ अधिका देला ऑप्शन खरीदे वाला का मुकाबले. काहे कि बाजार अगर सबेरे से साँझ ले सपाटे रहि जाव त खरीददार हमेशा नुकसान में रही आ बिकवाल फायदा में. बिकवाल चैन से इँचजार कर सकेला जबकि खरीददार का लगे चैन ना रहे के चाहीं. खरीददार के चाहीं कि खरीदला का साथे मुनाफा ले के निकल जाए के कोशिश करे. आ एहिजे ओकर दू गो दुश्मन संघतिया बन के घात कर देले सँ. लालच कॉल आ पुट खरीदेवाला दुनु से कहेला कि तनी अउरी रुक जा, त डर मौका रहतो ओकरा के डेरवले राखेला. कॉल लेबे वाला के लागेला कि बाजार अब बस गिरहीं जा रहल बा त पुट लेबे वाला डेराइल रहेला कि बाजार अब बढ़हीं वाला बा.

आजु के पोस्ट तनी बढ़हन जरुर हो गइल बा. रउऱो सोचीं कि कवन अइसन तरीका बा जे सही समय पर बता सके कि कब कॉल खरीदे के बा आ कब पुट. हमहूं खोजे के कोशिश करब आ जइसहीं मिला रउरा के बतवला से ना चूकब. एकरा से हमरो फायदा होखी आ रउरो काहे कि भीड़ बाजार के चाल बदल सकेला. अगर कवनो मौका पर बाजार के अधिका लोग खरीदे पर जुट जाव त बिकवालन के नुकसान लउके लागी. बस संकेतक अइसन चाहीं जे सफलता का साथे ई संकेत दे सको.

इहो दोहरावल गलत ना होखी कि बाजार जबसे शुरु भइल तबे से लोग अइसना संकेतक के खोज में लागल बाड़ें. एही चलते हजारन संकेतक आ सैकड़ा में रणनीति बनल बाड़ी सँ. हर संकेतक आ हर रणनीति का साथे नुकसान के संभावना बनल रहेला आ ट्रेडर को कोशिश बस अतने रहे के चाहीं कि नुकसान कम से कम पर रोक दीहल जाव आ मुनाफा हिसाबे भर के लेके निकल लीहल जाव. ना त कोना पर बइठल तीन तशिया रउरा के तबले उठे ना दीहें जबले राउर पॉकिट खाली नइखे हो जात.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: