web analytics

शेयर बाजार के कुछ जरुरी बात

आजु बाजार बन्द रहुवे. हर शनीचर अतवार के बन्द रहबे करेला. एकरा अलावा कुछ खास मौकन आ कुछ त्योहारो पर छुट्टी रहेला. हर हफ्ता के आखिरी बियफे का दिने साप्ताहिक ऑप्शन सीरीज के आ हर महीना के आखिरी बियफे का दिने फ्यूचर मार्केट के सलटान कइल जाला. अगर बियफे का दिने कवनो दोसरा छुट्टी का वजह से बाजार बन्द रहे वाला होखे त ई ओकरा पहिले वाला दिन के सलटावल जाला. जइसे कि अगर बियफे का दिने बाजार बन्द रहे वाला होला त बुध का दिने, अगर बुधो का दिने बाजार बन्द रहे वाला होखे त मंगल का दिने सलटावे के काम कइल जाला. सलटान के मतलब होला कि ओह दिन बाजार बन्द भइला का बाद कवनो सौदा खड़ा ना राखल जा सके. शेयर बाजार के सलटान त रोज के रोज होखल करेला. जतना शेयर खरीदनी ओतना के दाम ओही दिने कट जाई बाकिर जतना के शेयर बेचब ऊ रउरा खाता में एक भा दू दिन का बाद आई. जवन शेयर बेचब ओकरा के ओही दिने रउरा खाता से निकाल लीहल जाई बाकिर जवन खरीदब तवन एक भा दू दिन बाद रउरा खाता में आई.

एह एक भा दू दिन के अन्तर से रउरा खरीदे बेचे पर अधिका असर ना होला. काहे कि ब्रोकर रउरा के ऊ शेयर आवे से पहिलहीं बेचे के अनुमति दे देला आ जवन रुपिया आवे वाला बा ओकरा हिसाब से रउरा के मार्जिन दे देला, मतलब कि रउरा ओतना के कवनो दोसर भा उहे शेयर खरीद सकीलें ओह दाम का बराबर के.

फ्यूचर मार्केट के सौदा सलटान का दिने निपटा दीहल जाला. अगर रउरा ओह सौदा के अगिलो सीरीज में ले जाए के चाहत बानी त पिछला सीरीज में ओकरा के पूरा कर दीहल जाला आ अगिला में खरीद भा बेच लीहल जाला. बाकिर दुनु सौदा में फरक हो सकेला, होखबे करेला, आ रउरा ओह फरक के फायदा मिल जाई भा अगर कम पड़त होखी त ओकर भुगतान करे के पड़ी. बाकी दिने रोज बाजार बन्द होखे का बेरो एकर हिसाब बरोबर कइल जात रहेला जेहसे कि बाजार में कवनो संकट ना आवे.

ऑप्शन मार्केट के सौदा के हिसाब किताबो रोज के रोज क लीहल जाला. एहसे जवन कम पड़ी तवन रउरा पूरा करे के होला भा अगर अधिका होखत बा त रउऱा खाता में जोड़ दीहल जाई. अगर खरीदल ऑप्शन दिन का दौरान ना बेचले होखब त ओकर हिसाब-किताब त होखी बाकिर सौदा अगिलो दिने खड़ रही. हालांकि ऑप्शन के सौदा अगिला दिने ले खींचल खतरनाक होला काहे कि ऑप्शन के बेंवत त हर दिने ना, हर घंटा हर मिनट कम होखत जाला. मान लीं कि आजु निफ्टी 17500 पर बन्द भइल आ ओह बेरा 17500 के ऑप्शन के दाम 100 रुपिया बा. अब अगिला दिने अगर बाजार फेरु 17500 का स्तरे पर खुलल तबो ओह ऑप्शन के दाम बहुते कम हो जाई अगिला दिन. सलटान का दिने त ऑप्शन के दाम शून्य हो जाला अगर ऊ रउरा चुनल विकल्प से बाजार नीचे बन्द भइल त रउरा कॉल ऑप्शन खातिर कुछऊ ना मिली. एही तरह अगर बाजार ओकरा उपर बन्द भइल त पुट ऑप्शन के दाम शून्य हो जाई. अगर इन द मनी बन्द भइल त फरक के फायदा रउरा जरुर मिल जाई.

ई सब त मोटा मोटी तरीका भइल बाजार में सौदा करे का बारे में. हर ब्रोकर का लगे एकरा में कुछ कुछ अन्तर हो सकेला आ ओही अन्तर का हिसाब से लोग आपन ब्रोकर चुने ला.

ब्रोकर कई तरह के होलें जइसे कि फुल सर्विस ब्रोकर भा डिसकाउन्ट ब्रोकर. फुल सर्विस ब्रोकर रउरा के समगर सेवा दीहल करेला आ ओकर ब्रोकरेज दर डिसकाउन्ट ब्रोकर से अधिका होला. एघरी बहुते लोग डिसकाउन्ट ब्रोकर के पसन्द करत बा जबकि फुल सर्विस ब्रोकर हमेशा बढ़िया होला.
हमार ब्रोकर ICICIDIRECT हउवे आ हमरा ओकरा सेवा से कबहियो कवनो दिक्कत नइखे भइल. एकरा साथे सबसे बढिया बात ई होला कि बैंक खाता, डीमैट आ बाजार एके साथ जुड़ल होला. एहसे भुगतान के कवनो समस्या ना होला.

रउरा एक से अधिका ब्रोकर से आपन काम करा सकीलें. एहसे कुछ फायदो होला. जइसे अगर कवनो कारण से एगो ब्रोकर का ऑनलाइन प्लेटफार्म पर कवनो बाधा आ गइल त दोसरका ब्रोकर किहां रउरा सौदा कर सकीलें. जइसे कि हमार दोसर ब्रोकर हउवें ADITYABIRLAMONEY . ई डिसकाउन्ट ब्रोकर हवे. एहिया भुगतान पावे में एक दिन के देरी होला. बाकिर एहसे कवनो व्यावहारिक दिक्कत ना होखे. एहिजा ब्रोकरेज कुछ कम लागेला.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: