web analytics

आई आम भा जाई लबेदा

बियफे 8 सितम्बर 2022 का दिने शेयर बाजार कइसन रही एक बैर के बाति ह जब बस स्टैण्ड पर हम अपना बस के इंतजार करत रहीं. देखनी कि एगो गाहक ढाबा का दोसरा कोना से एगो गाहक काउन्टर को सोझा चहुपले रहल तब ले पीछे से आबाज आइल – खाया पिया कुछ नहीं, गिलास फोड़ा … Read more

Loading

सिरफल पाकल त कउवा के बाप के का ?

बुध 7 सितम्बर 2022 का दिने शेयर बाजार कइसन रही सिरफल पाकल त ओहसे कउवा के बाप के का ? इहे कहाउत आजु मंगल का दिने सही हो गइल. हम तो समझे थे कि बरसात में बरसेगी शराब, आई बरसात तो बरसात ने दिल तोड़ दिया. आजु का बारे में हम सोचले रहीं कि – … Read more

Loading

मंगल 6 सितम्बर 2022 के शेयर बाजार कइसन रही

आजु सबेरे जब बाजार खुलल त शुक का बंद भाव से उपर खुलल आ तुरते बढ़त के राहि ध लिहलसि. कैण्डल के पोंछ बहुते छोट रहुवे आ पुट खरीदे के कवनो जगहा ना रहल. दुपहरिया बारह बजे ले निफ्टी-50 आजु के उपरी सिरा 17680 ले चहुँपल बाकिर ओकरा बाद थथम गइल. बाकिर निचहूं गिरे में … Read more

Loading

सोमार 5 सितम्बर 2022 के बाजार कइसन रहे वाला बा

शुक का दिने निफ्टी-50 पिछलका दिन (बियफे) बनल हाई आ लो का बीचे मँड़रात रहि गइल. खुलत बेरा पुरान रुकावट, बान्ह भा अवरोध रेखा के पार त कइलसि बाकिर ओहिजा से नीचे आवे में देर ना लागल. बाद में उपरी बेरा फेरु एक बेर ओह अवरोध रेखा के पार करे के कोशिश कइलसि बाकिर पार … Read more

Loading

शेयर बाजार – नगद उधार भा वायदा कारोबार

छुट्टी के दिन के इस्तेमाल कुछ जाने भा सीखे में कइल आगा चलि के फायदेमंद होला. हालही पिछला कुछ दिन से टटका खबर के राजनीतिक, सामाजिक, अपराध,घटना के जानकारी दीहल छोड़ि शेयर बाजार के चरचा कइले बानी. पता ना पाठकन के कइसन लागत बा. रोज निहोरा कइला का बावजूद केहू कुछ कहत-लिखत नइखे. बाकिर अब … Read more

Loading

शुक 2 सितम्बर 2022 का दिने शेयर बाजार कइसन रही

पता ना. बाकिर सभका तरह अटकर लगवला में हमरा कवनो नुकसान नइखे लउकत. ई सगरी पोस्ट हम अपना ट्रेडिंग का बारे में लिपिबद्ध करे खातिर करत बानी. कहल जाला कि हर ट्रेडर के अपना ट्रेडिंग के विवरण दर्ज क के राखे के चाहीं. बाजार खुलल रहला का समय के त ना बाकिर जब बाजार बन्द … Read more

Loading

टेकनिकल चार्ट के पाठ – 1

आजु बाजार बन्द बा त सोचनी काहे ना टेकनिकल चार्ट सीखल जाव. कुछ दिन पहिले बतवले रहीं कि बाजार के खिलाड़ी दू तरह के होला. एक तरह के लोग कंपना के अध्ययन करेला त दोसरो लोग बाजार के चाल के. पहिला तरह के लोग सोचेला कि कंपनी के फंडा जानल सबसे जरुरी होला त दोसरा … Read more

Loading

बियफे 1 सितम्बर 2022 के बाजार कइसन रही

एह पर बाति करे से पहिले याद कइल जरुरी बा कि पिछलका पोस्ट में हम मंगल 30 अगस्त 2022 के बाजार का बारे में का प्लान बनवले रहीं. काल्हु हम लिखले रहीं – 1) निफ्टी50 जबले 17275 आ 17380 का बीचे रही तबले कवनो सौदा ना करब. 2) अगर निफ्टी50 17380 के नीचे से पार … Read more

Loading

अटकर पचीसी : मंगल 30 अगस्त 2022 के शेयर बाजार कइसन रही

अब एहसे पहिले कि काल्हु के शेयर बाजार के बाति कइल जाव, आजु के बाजारी चाल के लेखा-जोखा ले लीहल सही रही. काल्हु हम लिखले रहीं – 1) निफ्टी50 जबले 17630 आ 17570 का बीचे रही तबले कवनो सौदा ना करब. 2) अगर निफ्टी 17650 पार कइलस त तेजड़िया बन जाएब, माने कि कॉल खरीदब. … Read more

Loading

सोमार, 29 अगस्त 2022 का दिने बाजार के ऊंट कवना करवट बइठी

कवनो माई के लाल दावा से ना बता सकसु कि बाजार के ऊंट कवना करवट बइठी. आ एही अनिश्चितता के माहौल में ट्रेडिंग करे वाला आपन आपन दाँव खेले के कोशिश करेलें. कुछ लोग के तुक्का सही बइठ जाला त कुछ लोग के बेहिसाब गलत. हमरा कहला से ई त सोचीं कि ट्रेडिंग #share_trading करे … Read more

Loading

गनीमत कहीं कि आजु शेयर बाजार बन्द रहुवे

आजु अमेरिका के जैक्सन होल मीटिंग का डरे काल्हु अमेरिका के शेयर बाजार तीन फीसदी ढिमला गइल. डाउ जोन्स में एक हजार अंक से अधिका के गिरावट देखे के मिलल. हमनिओ के बाजार जब दू दिन बाद सोमार का दिने खुली त ओह समय डाउ जोन्स के हालात आ सिंगापुर बाजार में निफ्टी के वायदा … Read more

Loading

एनडीटीवी के मालिकाना हक हासिल करे में कवनो बाधा नइखे

तीन दिन पहिले के खबर से पुरान खबर पर कबो केहू के धैयाान ना गइल रहुवे जब बारह बरीसन से अधिका समय से रिलायंस समूह से जुड़ल एगो कंपनी एनडीटीवी के पाले पोसे के काम करत रहुवे. आ ई तब से चलल आवत रहुवे जब देश में कांग्रेसी सरकार रहल रहुवे. जब ले बाति तोपाइल … Read more

Loading

आईं आपन कमाई लुटावल जाव

रउरो कहब कि ई कवन बाति भइल. भला रुपिया लुटावे भा गँवावे ला केहू से सीखला के का जरुरत. रोजे अपना अगल बगल देखेनी कि लोग आपन त कम, अपना बाप दादा के कमाई तरह-तरह के व्यसन पर लुटावत रहेला. गाँव जवार में कवनो परिवार का बारे में सुनलहूँ होखब कि फलवना के पुरखा रसगुल्ला … Read more

Loading

जीवनबीमा निगम LIC के IPO मिलल कि ना

लमहर जद्दोजहद का बाद भारत सरकार जीवन बीमा निगम मे अपना हिस्सेदारी के एगो छोटहन हिस्सा आम निवेशक के सीधै बेचे के फैसला कइलसि. खराब बाजार का दौरान आइल ई देश के अबले के सबले बड़हन IPO में निवेशक भरपूर रुचि देखवलन जबकि सोशल मीडिया पर बहुते ‘सलाहकार’ LIC IPO के हवा बिगाड़े के भरपूर … Read more

Loading

टटका खबर, वैशाख अँजोरिया अष्टमी 2079 विक्रमी, सोमार

बिहार के मशहूर होम्योपैथ डॉक्टर बी. भट्टाचार्य के काल्हु अतवार का दिने 98 बरीस का उमिर में निधन हो गइल. ऊ अपनहीं ह्रदय रोग से पीड़ित रहलन बाकिर तबहियों आखिरी समय ले मरीजन के इलाज करत रह गइलन. श्रद्धांजलि. बिहार लोक सेवा आयोग के 67वीं संयुक्त प्रारंभिक परीक्षा के प्रश्न-पत्र लीक होखे के खबर सही … Read more

Loading

टटका खबर, वैशाख अँजोरिया सप्तमी 2079 विक्रमी, अतवार (अपडेट)

राहुल गाँधी के भक्त अइसहीं भाजपा के स्टार प्रचारक ना कहेलें. आजु एगो ट्वीट क के राहुल गाँधी बता दिहलन कि उनुका महतारी का निर्देशन मे चले बाला मनमोहन सरकार का दौरान साल 2015 में 1237 रुपिया दाम वाला रसोई गैस आजु आठ बरीस बाद 999 रुपिया में पड़त बा. सबसिडी के चरचा त अइसे … Read more

Loading

टटका खबर, वैशाख अँजोरिया सप्तमी 2079 विक्रमी, अतवार

जम्मू-कश्मीर के कुलगाम जिला में आजु अतवार का फजीरहीं से आतंकवादियन का साथे सुरक्षा बलन के मुठभेड़ हो रहल बा. खुफिया जानकारी मिलला का बाद इलाका के घेराबंदी क के सुरक्षा बल तलाशी अभियान शुरु कइलन त आतंकियन का तरफ से गोलीबारी होखे लागल. एह मुठभेड़ में मुस्लिम आतंकी संगठन लश्करे तोएबा के एगो पाकिस्तानी … Read more

Loading

तिलक चढ़ा के लवटत घरी भइल हादसा में आधा दर्जन लोग के मौत

उत्तरप्रदेश के देवरिया जिला में काल्हु रात भइल एगो सड़क हादसा में आधा दर्जन लोग के मौत हो गइल आ पाँच जने गंभिराहे घवाहिल हो गइलें. घवाहिल लोग में से तीन जने का हालत बहुते खराब रहे के खबर बा. मरे वालन में से एगो नवही के चिन्हल नइखे जा सकल. हादसा गौरीबाजार रुद्रपुर सड़क … Read more

Loading

झारखंड, गुजरात, अउर जेएनयू में रामनवमी पर हिंसा आ बवाल

(चइत अँजोरिया नवमी, 2079 विक्रमी संवत, शनीचर) सभकर साथ, सभकर विकास, अउर सभकर विश्वास के खयाली पुलाव पकावत मोदी आ भाजपा के सरकारन के लाख कोशिश का बादो हिन्दुवन के शान्ति से आपन पूजा आ शोभायात्रा निकाले नइखे दीहल जात. आजु रामनवमी का मौका पर निकलल शोभायात्रा पर झारखंड के लोहरदग्गा के एगो गाँव में … Read more

Loading

उत्तर प्रदेश सरकार के मंत्रिमंडल में विभागन के बँटवारा हो गइल

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ : गृह, आवास अउऱ शहरी नियोजन, राज्य संपत्ति समेत 34 विभाग उप मुख्यमंत्री केशव प्रसाद मौर्य : ग्राम विकास विभाग, ग्रामीण अभियंत्रण, मनोरंजन कर समेत कुल 6 विभागब्रजेश पाठक : चिकित्सा शिक्षा अउऱ चिकित्सा स्वास्थ्य समेत कुल 3 विभाग. कैबिनेट मंत्री सुरेश कुमार खन्ना : वित्त आ संसदीय कार्यसूर्य प्रताप शाही : … Read more

Loading