web analytics

टटका खबर, वैशाख अँजोरिया अष्टमी 2079 विक्रमी, सोमार

बिहार के मशहूर होम्योपैथ डॉक्टर बी. भट्टाचार्य के काल्हु अतवार का दिने 98 बरीस का उमिर में निधन हो गइल. ऊ अपनहीं ह्रदय रोग से पीड़ित रहलन बाकिर तबहियों आखिरी समय ले मरीजन के इलाज करत रह गइलन. श्रद्धांजलि. बिहार लोक सेवा आयोग के 67वीं संयुक्त प्रारंभिक परीक्षा के प्रश्न-पत्र लीक होखे के खबर सही … Read more

Loading

तिलक चढ़ा के लवटत घरी भइल हादसा में आधा दर्जन लोग के मौत

उत्तरप्रदेश के देवरिया जिला में काल्हु रात भइल एगो सड़क हादसा में आधा दर्जन लोग के मौत हो गइल आ पाँच जने गंभिराहे घवाहिल हो गइलें. घवाहिल लोग में से तीन जने का हालत बहुते खराब रहे के खबर बा. मरे वालन में से एगो नवही के चिन्हल नइखे जा सकल. हादसा गौरीबाजार रुद्रपुर सड़क … Read more

Loading

योगी सरकार में मुस्लिम चेहरा बलिया के दानिश आजाद अंसारी

भाजपा के मुसीबत होला कि ओकरा मुसलमानन के वोट अंगुरिए पर गिने लायक मिलेला, इहां ले कि योगी के गोरखोपुर में उनुका इलाका के कई मुस्लिम बहुल बूथन पर दस दसो गो वोट नइखे मिलल. जबकि सरकार के दीहल सुविधा जम के बाँचल गइल बा मुसलमानन के. खैरात में सुविधा लीहल लीहल हराम ना होखे … Read more

Loading

बिहार मुखिया सरपंच चुनाव 2021 के जीतल

कैमूर के कुदरा प्रखंड के खरहना पंचायत से अशोक चौरसिया मुखिया चुनइले। रोहतास के दावथ के जमशोना पंचायत के पुरनके मुखिया फेरु जीतले। संझौली के चांदी से मिथिलेश कुमार यादव मुखिया बनले। औरंगाबाद के पडरावां पंचायत से अनिल पासवान मुखिया बनले। औरंगाबाद के खैराबिंद पंचायत से मुखिया सुजीत कुमार सिंह फेरु चुनइले। कुमार पंचायत से … Read more

Loading

बलिया में तेल भंडार होखे के खबर गलत

( टटका खबर, सोमार, भादो अन्हरिया अष्टमी 2078 विक्रमी) बलिया शहर के हैबतपुर में जमीन का नीचे कच्चा तेल के भंडार मिले के खबर के झूठियावत ओएनजीसी साफ कहले बा कि अइसनका मीडियो रिपोर्ट एकदम वाहियात बा आ अइसनका कवनो खोज के खबर से ओएनजीसी के कवनो नाता नइखे. जान जाईं कि दू दिन पहिले … Read more

Loading

टटका खबर, बियफे, सावन अँजोरिया चउथ, 2078 विक्रमी

सुप्रीम कोर्ट के वकील अश्विनी उपाध्याय, जे संजोग से भाजपो के नेता हउवें, के काल्हु दिल्ली के अदालत से जमानत मिल गइल. दिल्ली पुलिस के वकील कवनो सबूत ना पेश कर सकलें उनुका खिलाफ. जान जाईं कि मौलाना साद, अमानुल्लाह खान, जामा मस्जिद के इमाम, किसान आन्दोलन का टेंट में बलात्कारियन के, आ शाहीन बाग … Read more

Loading

ईमाम का हुड़की से हड़क गइल एनडीटीवी

(टटका खबर, सोमार, सावन अँजोरिया एकम, 2078 विक्रमी) अपना के एगो दमदार चैनल बतावे वाला एनडीटीवी चैनल एगो शरजील उस्मानी का धमकी से अतना डेरा गइल कि आपन ट्वीट हटा लिहलसि. एनडीटीवी के ट्वीट में एगो मुसलमान के कोरोना टेस्ट करावत देखावल गइल रहुवे जवना का बाद अनेके शांतिदूत ओकरा के हीक भर गरियवले आ … Read more

Loading

बीसन हजार ट्वीट #राजीव_गांधी_पनौती_था

(टटका खबर, अतवार, सावन अमावस, 2078 विक्रमी) ढेर दिन से एगो महिला पत्रकार के पनौती बतावत सोशल मीडिया गुलजार रहत रहुवे. अब पनौती होखे के ई सम्मान राजीव गाँधी के मिल गइल बा. काल्हु नीरज चोपड़ा के टौक्यो ओलंपिक में भाला फेंके के प्रतियौगिता में स्वर्ण पदक मिलते सोशल मीडिया पर हजारन लोग ई कहत … Read more

Loading

गाँवे-गाँव सचिवालय आ जिले-जिला मेडिकल कॉलेज

(टटका खबर, शुक, आषाढ़ अँजोरिया चतुर्दशी, 2078 विक्रमी) उत्तर प्रदेश के देश के नंबर वन प्रदेश बनावे में लागल मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के सरकार हर गाँव में पंचायत सचिवालय बनावे आ हर जिला में मेडिकल कॉलेज खोले के फैसला कइले बिया. हर पंचायत सचिवालय में दू आदमी के रोजगारो दीहल जाई. एक आदमी पंचायत सहायक … Read more

Loading

संसद में काम ना होखे देबे के विपक्षी जिद

(टटका खबर, बुध, आषाढ़ अँजोरिया द्वादशी, 2078 विक्रमी) संसद में काम ना होखे देबे वाला विपक्षी जिद का दौरान प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी काल्हु मंगल का दिने कोविड-19 के मौजूदा हालात पर एगो सर्वदलीय बइठक कइलन जवना में कांग्रेस, माकपा, राजद, शिअद, आआपा वगैरह कुछ गोल शामिल ना भइलें. हालांकि बइठक में राकांपा, द्रमुक, बीजू जनता … Read more

Loading

पूर्वांचली मूल के कृपाशँकर सिंह आजु भाजपा में शामिल होइहें

(टटका खबर, बुध, आषाढ़ अन्हरिया त्रयोदशी, 2078 विक्रमी) महाराष्ट्र के गृह राज्यमंत्री रहल आ मुंबई कांग्रेस के अध्यक्ष रह चुकल कृपाशंकर सिंह आजु भाजपा में शामिल होखे वाला बाड़ें. कश्मीर में अनुच्छेद 370 हटावे के विरोध करे वाली कांग्रेस से ऊ तबे इस्तीफा दे दिहले रहलें बाकिर अबहीं ले कवनो दोसरा गोल में शामिल ना … Read more

Loading

आपन थूकल चाटी कि ओकर थूकल चटवाई

(टटका खबर, मंगल, आषाढ़ अन्हरिया द्वादशी, 2078 विक्रमी) भाजपा आपन थूकल चाटी कि शिवसेना से ओकर थूकल चटवाई एह पर तरह तरह के चरचा शुरु भइला के अगिले दिन काल्हु एक दर्जन भाजपा विधायकन के विधानसभा से साल भर ला निकाल बाहर कर दीहल गइल. एह लोग पर विधानसभा में बवाल काटे के आरोप बा. … Read more

Loading

बिहार पंचायत चुनाव के उमीदवारी आ यूपी के इण्टरमीडिएट परीक्षाफल

(टटका खबर, सोमार, जेठ अँजोरिया एकादशी, 2078 विक्रमी) उत्तर प्रदेश माध्यमिक शिक्षा परिषद कोरोना महामारी का चलते रद्द कइल गइल परीक्षन के परिणाम जारी करे वाला सिद्धान्त तय कर लिहले बावे. एह सिद्धान्त के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के मंजूरी मिल गइल बा. अब परिणान जल्दिए जारी हो जाए के उमीद बा. एह सिद्धान्त का हिसाब … Read more

Loading

अरविंद शर्मा यूपी भाजपा के उपाध्यक्ष बनावल गइलें

(टटका खबर, अतवार, जेठ अँजोरिया दशमी, 2078 विक्रमी) काल्हु शनीचर का दिने यूपी भाजपा के संगठन में कुछ बदलाव करत अवकाश पा चुकल आईएएस आफिसर रहल आ अब विधानपरिषद में भाजपा के पार्षद अरविंद कुमार शर्मा के प्रदेश भाजपा के उपाध्यक्ष बनावे के एलान कइल गइल. जान जाईं कि अगिला साल विधानसभा चुनाव होखे वाला … Read more

Loading

जिनिगी के दौड़ थथम गइल पद्मश्री मिल्खा सिंह के

(टटका खबर, शनीचर, जेठ अँजोरिया नवमी, 2078 विक्रमी) आखिरकार काल्हु शुक का दिने कोरोना से लड़ाई हार गइलन चार बेर एशियन गेम्स के स्वर्ण पदक विजेता रहल पद्मश्री मिल्खा सिंह. कुछ दिन पहिलहीं उनुकर पत्नी निर्मल कौर (85) के कोरोने से निधन हो गइल रहुवे आ अब परिवार पर एगो अउर दुख के पहाड़ आ … Read more

Loading

गद्दारन के गिरोह बन गइल बिया कांग्रेस

टटका खबर, अतवार, जेठ अँजोरिया तृतिया, 2078 विक्रमी गद्दारन के गिरोह बन गइल बिया कांग्रेस. ई कहना बा भारतीय जनता पार्टी के. शनीचर का दिने भाजपा के बोलतुआ संबित पात्रा कहलन कि कांग्रेस पार्टी देशद्रोहियन के ‘क्लब’ हवे जवन ‘टूल किट’ के पालन करत हमेशा से देश के खोंखड़ करे में लागल बिया. मुंबई हमला … Read more

Loading

जान बचावे खातिर माँद में वापिस लवटे लगलें घासफूसिया

टटका खबर, शनीचर, जेठ अँजोरिया दूज, 2078 विक्रमी पश्चिम बंगाल विधानसभा चुनाव में भाजपा के बयार बहत देखि बहुते तृणमूलिया उधियात भाजपा में शामिल होखे आवत गइलें आ भाजपा सभका के सकारत चलि गइल. बाकिर चुनाव बाद जब फेरु ममता के निर्ममता वाली सरकार बनि गइल आ साफ हो गइल कि भाजपा में बेंवत नइखे … Read more

Loading

कोरोना से एकदिन में छह हजार से अधिका मौत

(शुक, जेठ अँजोरिया एकम, 2078 विक्रमी) एने कुछ दिन से कोरोना के कहर में कमी देखत कई एक राज्यन में लॉकडाउन में ढील देबे के शुरुआत हो गइल रहुवे. एही बीच बियफे का दिन के कोरोना के आंकड़ा जान साँसत में डाल देबे वाला आइल बा. बियफे का दिने अब तक ले के सबले बेसी … Read more

Loading

संविधान के माया, कतहीं धूप कतहीं छाया

टटका खबर, बुध, जेढ चतुर्दशी, 2078 विक्रमी पहिला खबर जानीं कि दिल्ली हाई कोर्ट दिल्ली दंगन के आरोपी आसिफ इकबाल तन्हा के जमानत दे दिहलसि काहे कि ओकरा बीए के परीक्षा में आपन छूटल पेपर के परीक्षा देबे के बा. अब दोसर खबर जानीं कि सुप्रीम कोर्ट एगो बूढ़ हिन्दू प्रवाचक आसाराम बापू के जमानत … Read more

Loading

कपटी, कामचोर, भठियारा, मुनाफाखोरन के अरमान पर पानी पड़ल

टटका खबर, मंगल, जेठ अन्हरिया त्रयोदशी, 2078 विक्रमी कपटी, कामचोर, भठियारा, मुनाफाखोरन के अरमान पर पानी फेरत केन्द्र सरकार एलान कर दिहलसि कि अब देश के 18 बरीस से उपर के सगरी नागरिकन के केन्द्र का खरचा पर कोरोना वैक्सिन लगावल जाई. कोरोना वैक्सिन बनावे वाली कंपनियन के 75 प्रतिशत उत्पाद केन्द्र सरकार खरीद ली … Read more

Loading