web analytics

टटका खबर, वैशाख अँजोरिया अष्टमी 2079 विक्रमी, सोमार

बिहार के मशहूर होम्योपैथ डॉक्टर बी. भट्टाचार्य के काल्हु अतवार का दिने 98 बरीस का उमिर में निधन हो गइल. ऊ अपनहीं ह्रदय रोग से पीड़ित रहलन बाकिर तबहियों आखिरी समय ले मरीजन के इलाज करत रह गइलन. श्रद्धांजलि. बिहार लोक सेवा आयोग के 67वीं संयुक्त प्रारंभिक परीक्षा के प्रश्न-पत्र लीक होखे के खबर सही … Read more

Loading

कोरोना कहर में कमी देखत आजु से बिहार खोल दिहलें नीतीश कुमार

(टटका खबर, बियफे, भादो अन्हरिया चउथ, 2078 विक्रमी) केरल में कोरोना के कहर बरकरार रहला का बावजूद बाकी देश में कोरोना में कमी आइल बा. बिहारो में कोरोना अब काबू में आ गइल तउकत बा आ ई देखि के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आजु 26 अशस्त से एक महीना ले, माने कि 25 सितम्बर तक लागू … Read more

Loading

भाजपा के भगतन के निराशा हाथे लागल

(टटका खबर, शुक, सावन अन्हरिया त्रयोदशी, 2078 विक्रमी) एक जमाना से देश में हर समुदाय खातिर एकही कानून बनवावे के बात करे वाली भाजपा अब अपना वादा से मुकर गइल बिया, लोकसभा में कानून मंत्री किरण रिजिजू साफ कह दिहलन कि केंद्र सरकार अबहीं देश में समान नागरिक संहिता लागू करे नइखे जात. कब ले … Read more

Loading

कोरोना के भार केरल अकेले सम्हरले बा

(टटका खबर, बियफे, सावन अन्हरिया द्वादशी, 2078 विक्रमी) देश के लिबरल मीडिया के चहेता आ बँवारा सरकार वाला इकलौता राज्य केरल आजुकाल्हु अकेलहीं अतना कोरोना मरीज रोज खोज निकालत बा जवना के मुकाबला पूरा देश मिल के नइखे कर सकत. काल्हु केरल में कोरोना के 23 हजार 676 मरीज मिललें जबकि देश के बाकी राज्य … Read more

Loading

नेपाल में अदालती आदेश से सरकार बदली

(टटका खबर, मंगल, आषाढ़ अँजोरिया तृतीया, 2078 विक्रमी) नेपाली सुप्रीम कोर्ट अपना राष्ट्रपति के आदेश दिहलसि कि ऊ शेर बहादुर देउबा के नेपाल के प्रधानमंत्री बना दीहल जाव. बाद में देउबा नेपाल के प्रतिनिधि सभा में आपन बहुमत 30 दिन का भीतर साबित क के देखइहें. जान जाईं कि मौजूदा प्रधानमंत्री के पी शर्मा ओली … Read more

Loading

आपन थूकल चाटी कि ओकर थूकल चटवाई

(टटका खबर, मंगल, आषाढ़ अन्हरिया द्वादशी, 2078 विक्रमी) भाजपा आपन थूकल चाटी कि शिवसेना से ओकर थूकल चटवाई एह पर तरह तरह के चरचा शुरु भइला के अगिले दिन काल्हु एक दर्जन भाजपा विधायकन के विधानसभा से साल भर ला निकाल बाहर कर दीहल गइल. एह लोग पर विधानसभा में बवाल काटे के आरोप बा. … Read more

Loading

बिहारो में बने जा रहल बा जनसंख्या नियन्त्रण कानून

(टटका खबर, शनीचर, आषाढ़ अन्हरिया नवमी, 2078 विक्रमी) पश्चिम बंगाल विधान सभा चुनाव का बाद होखत पहिलका सत्र के शुरुआत बवाल से भइल. चुनाव बाद हो रहल लगातार हिंसा का विरोध में भाजपा के विधायक जय श्रीराम के नारा लगावत बइठक से बाहर आ गइलें. बाकिर ओहमें भाजपा विधायक का तौर पर मुकुल राय शामिल … Read more

Loading

तबादला करे के मौका ना मिलला से परेशान मंत्री के इस्तीफा

(टटका खबर,, शुक, आषाढ़ अन्हरिया अष्टमी, 2078 विक्रमी) बिहार सरकार में समाज कल्याण मंत्री मदन सहनी काल्हु इस्तीफा देबे के आपन ट्वीट में कहलन कि जदयू विधायक राज्य के अधिकारियन के मनमानी से परेशान बाड़ें. मंत्री का स्तर से होखे वाला तबादला पोस्टिंग अधिकारिए स्तर पर हो रहल बा. एह हालात में मंत्री बनल रहला … Read more

Loading

सपा धिरवलसि कि अब यूपी में खेला होई

(टटका खबर, सोमार, आषाढ़ अन्हरिया चउथ, 2078 विक्रमी) यूपी में अगिला साल होखे वाला विधानसभा चुनाव का तइयारी में कारसेवकन पर गोली चलवावे वाली, काँवड़ यात्रा रोकवावे वाली, मंदिरन पर से लाउडस्पीकर उतरवावे वाली सपा अपना विरोधी वोटरन के धिरावल शुरु कर दिहले बिया कि अब यूपी में खेला होई. ओकर इशारा बंगाल का तरफ … Read more

Loading

बिहार पंचायत चुनाव के उमीदवारी आ यूपी के इण्टरमीडिएट परीक्षाफल

(टटका खबर, सोमार, जेठ अँजोरिया एकादशी, 2078 विक्रमी) उत्तर प्रदेश माध्यमिक शिक्षा परिषद कोरोना महामारी का चलते रद्द कइल गइल परीक्षन के परिणाम जारी करे वाला सिद्धान्त तय कर लिहले बावे. एह सिद्धान्त के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के मंजूरी मिल गइल बा. अब परिणान जल्दिए जारी हो जाए के उमीद बा. एह सिद्धान्त का हिसाब … Read more

Loading

टटका खबर, बुध, वैशाख अँजोरिया प्रतिपदा, 2078 विक्रमी

जन अधिकार पार्टी के अध्यक्ष सांसद रह चुकल राजेश रंजन उर्फ पप्पू यादव के काल्हु मंगल का दिने पुलिस लॉकडाउन के नियम ना माने का आरोप में गिरफ्चार कर लिहलसि. एकर जानकारी ऊ खुद ट्वीट क के दिहलें. बाकिर पुलिस के कहना बा कि अबहीं उनुका के रोकल गइल बा गिरफ्तारी नइखे भइल. अब खबर … Read more

Loading

टटका खबर, बियफे, 1 अप्रैल 2021

सतरह बरीस लागल बाकिर अहमदाबाद के विशेष सीबीआई अदालत फैसला सुना दिहलसि कि इशरत जहाँ आतंकवादी रहुवे आ ओकरा के मार गिरावल कवनो तरह से अपराध ना मानल जा सके. एह मामिला में आरोपी बनावल गइल तीनो पुलिस अधिकारियन के अदालत निर्दोष मान लिहलसि, जान जाईं कि जून 2014 में गुजरात के तब मुख्यमंत्री रहल … Read more

Loading

टटका खबर, मंगल, 30 मार्च 2021

काल्हु देश में होली के त्योहार खुशी खुशी मना लीहल गइल. कतहीं से कवनो अइसन खराब खबर नइखे जवन होली के उल्लास कम करे वाला होखो. पश्चिम बंगाल विधानसभा चुनाव के धुरी बनल नंदीग्राम में तृणमूल के ममता बनर्जी आ भाजपा के शुवेन्दु अधिकारी का बीच काँटा के टक्कर चल रहल बा. एही चलते ममता … Read more

Loading

टटका खबर, 29 मार्च 2021, सोमार

रउरा सभे के फगुआ के शुभकामना. पश्चिम बंगाल विधानसभा चुनाव में का होखे जा रहल बा ओकर आभास होखे लागल बा. अशोकनगर विधानसभा सीट से तृणमूल उम्मीदवार नारायण गोस्वामी ला रोड शो के साटा पर आइल तृणमूल सांसद नुसरत जहाँ रोड शो में एक घंटा से अधिका समय लागत देखि बीचे में निकल गइली. सोशल … Read more

Loading

नीतीश कुमार आजु सतवां बेर मुख्यमंत्री पद के किरिया धरीहें

मोदी सरकार में मंत्री ना बनावल गइला पर छिरियाइल यशवन्त सिन्हा के कहना बा कि नीतीश कुमार नामे भर के मुख्यमंत्री रहीहन बिहार के. भाजपा उनुका के तबले निचोड़ी जब ले ऊ बजान परान के नइखन हो जात. आजु थोड़ही देर बाद नीतीश कुमार मुख्यमंत्री पद के किरिया लेबे जात बाडन. आजु होखे वाला किरिया … Read more

Loading

बिहार का साथही देशभर के उपचुनाव में केसरिया लहर

बिहार में भाजपा गठबन्हन के जीत आ पूरा देश में भइल उपचुनाव में भाजपा के मिलल शानदार सफलता का खबर का बीच शेयर बाजार के बड़हन आ ऐतिहासिक उछाल के खबर दबा गइल. काल्हु देश के शेयर बाजार एगो नया इतिहास बनावत अबले के सबले ऊँच निशाना लगा दिहलसि. बीएसई सेंसेक्स पहिला बेत 43277 अंक … Read more

Loading

बिहार विधानसभा के आधिकारिक चुनाव परिणाम भा रुझान

कुल्हि 243 सीटन के परिणामराजग 125 राजद 110 बाकी के 8 भाजपा 74जदयू 43विइंपा 4हिअपा 4 राजद 75कांग्रेस 19बँवारा 16 लोजपा 1अउरी गोल 7

Loading

जनमत के धड़कन जाने वाला रामविलास पासवान के निधन

पचासो से अधिका साल राजनीति में धुरंधर रहल आ छह गो प्रधानमंत्रियन के सरकार में मंत्री रहल रामविलास पासवान के काल्हु बियफे का दिने हृदय रोग से निधन हो गइल. अबहीं पिछला शनिचर के उनुका हृदय पर शल्यक्रिया कइल गइल रहुवे बाकिर ऊ एह बीमारी से छुटकारा ना पा सकलें. अपना पापा के मौत के … Read more

Loading

कहवाँ के वोट कहिया आ नालायक नीमन अनेरिया ना

बिहार विधानसभा चुनाव के एलान होखला का साथही चुनावी बेंगन के टरटराइल शुरु हो गइल बा. तरह-तरह के आकलन आवे लागल बा बाकिर एह टरटराहट में जवन एक बाति साझा लउकत बा ऊ ई कि अबकी के चुनाव भाजपा के अगुअई वाला राजग का पक्ष में तय बा. लोग नीतीश से नाराजो बा बाकिर अतना … Read more

Loading

कोरोना काल में पहिलका चुनाव बहुते कुछ पहिला बेर

कोरोना महामारी के पसार का बीचे पड़ल बिहार विधानसभा चुनाव 2020 के टारल ना गइल आ कुछ राजनीतिक गोल के माँग नकारत चुनाव आयोग चुनाव के तारीख के एलान कर दिहलसि. काल्हु के एलान का साथही बिहार में आचार संहिता लागू हो गइल बा. मुख्य चुनाव आयुक्त सुनील अरोड़ा नयी दिल्ली में पत्रकारन का सोझा … Read more

Loading