web analytics

सिरफल पाकल त कउवा के बाप के का ?

बुध 7 सितम्बर 2022 का दिने शेयर बाजार कइसन रही सिरफल पाकल त ओहसे कउवा के बाप के का ? इहे कहाउत आजु मंगल का दिने सही हो गइल. हम तो समझे थे कि बरसात में बरसेगी शराब, आई बरसात तो बरसात ने दिल तोड़ दिया. आजु का बारे में हम सोचले रहीं कि – … Read more

Loading

मंगल 6 सितम्बर 2022 के शेयर बाजार कइसन रही

आजु सबेरे जब बाजार खुलल त शुक का बंद भाव से उपर खुलल आ तुरते बढ़त के राहि ध लिहलसि. कैण्डल के पोंछ बहुते छोट रहुवे आ पुट खरीदे के कवनो जगहा ना रहल. दुपहरिया बारह बजे ले निफ्टी-50 आजु के उपरी सिरा 17680 ले चहुँपल बाकिर ओकरा बाद थथम गइल. बाकिर निचहूं गिरे में … Read more

Loading

सोमार 5 सितम्बर 2022 के बाजार कइसन रहे वाला बा

शुक का दिने निफ्टी-50 पिछलका दिन (बियफे) बनल हाई आ लो का बीचे मँड़रात रहि गइल. खुलत बेरा पुरान रुकावट, बान्ह भा अवरोध रेखा के पार त कइलसि बाकिर ओहिजा से नीचे आवे में देर ना लागल. बाद में उपरी बेरा फेरु एक बेर ओह अवरोध रेखा के पार करे के कोशिश कइलसि बाकिर पार … Read more

Loading

शेयर बाजार – नगद उधार भा वायदा कारोबार

छुट्टी के दिन के इस्तेमाल कुछ जाने भा सीखे में कइल आगा चलि के फायदेमंद होला. हालही पिछला कुछ दिन से टटका खबर के राजनीतिक, सामाजिक, अपराध,घटना के जानकारी दीहल छोड़ि शेयर बाजार के चरचा कइले बानी. पता ना पाठकन के कइसन लागत बा. रोज निहोरा कइला का बावजूद केहू कुछ कहत-लिखत नइखे. बाकिर अब … Read more

Loading

शुक 2 सितम्बर 2022 का दिने शेयर बाजार कइसन रही

पता ना. बाकिर सभका तरह अटकर लगवला में हमरा कवनो नुकसान नइखे लउकत. ई सगरी पोस्ट हम अपना ट्रेडिंग का बारे में लिपिबद्ध करे खातिर करत बानी. कहल जाला कि हर ट्रेडर के अपना ट्रेडिंग के विवरण दर्ज क के राखे के चाहीं. बाजार खुलल रहला का समय के त ना बाकिर जब बाजार बन्द … Read more

Loading

टेकनिकल चार्ट के पाठ – 1

आजु बाजार बन्द बा त सोचनी काहे ना टेकनिकल चार्ट सीखल जाव. कुछ दिन पहिले बतवले रहीं कि बाजार के खिलाड़ी दू तरह के होला. एक तरह के लोग कंपना के अध्ययन करेला त दोसरो लोग बाजार के चाल के. पहिला तरह के लोग सोचेला कि कंपनी के फंडा जानल सबसे जरुरी होला त दोसरा … Read more

Loading

बियफे 1 सितम्बर 2022 के बाजार कइसन रही

एह पर बाति करे से पहिले याद कइल जरुरी बा कि पिछलका पोस्ट में हम मंगल 30 अगस्त 2022 के बाजार का बारे में का प्लान बनवले रहीं. काल्हु हम लिखले रहीं – 1) निफ्टी50 जबले 17275 आ 17380 का बीचे रही तबले कवनो सौदा ना करब. 2) अगर निफ्टी50 17380 के नीचे से पार … Read more

Loading

अटकर पचीसी : मंगल 30 अगस्त 2022 के शेयर बाजार कइसन रही

अब एहसे पहिले कि काल्हु के शेयर बाजार के बाति कइल जाव, आजु के बाजारी चाल के लेखा-जोखा ले लीहल सही रही. काल्हु हम लिखले रहीं – 1) निफ्टी50 जबले 17630 आ 17570 का बीचे रही तबले कवनो सौदा ना करब. 2) अगर निफ्टी 17650 पार कइलस त तेजड़िया बन जाएब, माने कि कॉल खरीदब. … Read more

Loading

सोमार, 29 अगस्त 2022 का दिने बाजार के ऊंट कवना करवट बइठी

कवनो माई के लाल दावा से ना बता सकसु कि बाजार के ऊंट कवना करवट बइठी. आ एही अनिश्चितता के माहौल में ट्रेडिंग करे वाला आपन आपन दाँव खेले के कोशिश करेलें. कुछ लोग के तुक्का सही बइठ जाला त कुछ लोग के बेहिसाब गलत. हमरा कहला से ई त सोचीं कि ट्रेडिंग #share_trading करे … Read more

Loading

गनीमत कहीं कि आजु शेयर बाजार बन्द रहुवे

आजु अमेरिका के जैक्सन होल मीटिंग का डरे काल्हु अमेरिका के शेयर बाजार तीन फीसदी ढिमला गइल. डाउ जोन्स में एक हजार अंक से अधिका के गिरावट देखे के मिलल. हमनिओ के बाजार जब दू दिन बाद सोमार का दिने खुली त ओह समय डाउ जोन्स के हालात आ सिंगापुर बाजार में निफ्टी के वायदा … Read more

Loading

एनडीटीवी के मालिकाना हक हासिल करे में कवनो बाधा नइखे

तीन दिन पहिले के खबर से पुरान खबर पर कबो केहू के धैयाान ना गइल रहुवे जब बारह बरीसन से अधिका समय से रिलायंस समूह से जुड़ल एगो कंपनी एनडीटीवी के पाले पोसे के काम करत रहुवे. आ ई तब से चलल आवत रहुवे जब देश में कांग्रेसी सरकार रहल रहुवे. जब ले बाति तोपाइल … Read more

Loading

आईं आपन कमाई लुटावल जाव

रउरो कहब कि ई कवन बाति भइल. भला रुपिया लुटावे भा गँवावे ला केहू से सीखला के का जरुरत. रोजे अपना अगल बगल देखेनी कि लोग आपन त कम, अपना बाप दादा के कमाई तरह-तरह के व्यसन पर लुटावत रहेला. गाँव जवार में कवनो परिवार का बारे में सुनलहूँ होखब कि फलवना के पुरखा रसगुल्ला … Read more

Loading

जीवनबीमा निगम LIC के IPO मिलल कि ना

लमहर जद्दोजहद का बाद भारत सरकार जीवन बीमा निगम मे अपना हिस्सेदारी के एगो छोटहन हिस्सा आम निवेशक के सीधै बेचे के फैसला कइलसि. खराब बाजार का दौरान आइल ई देश के अबले के सबले बड़हन IPO में निवेशक भरपूर रुचि देखवलन जबकि सोशल मीडिया पर बहुते ‘सलाहकार’ LIC IPO के हवा बिगाड़े के भरपूर … Read more

Loading

टटका खबर, वैशाख अँजोरिया सप्तमी 2079 विक्रमी, अतवार (अपडेट)

राहुल गाँधी के भक्त अइसहीं भाजपा के स्टार प्रचारक ना कहेलें. आजु एगो ट्वीट क के राहुल गाँधी बता दिहलन कि उनुका महतारी का निर्देशन मे चले बाला मनमोहन सरकार का दौरान साल 2015 में 1237 रुपिया दाम वाला रसोई गैस आजु आठ बरीस बाद 999 रुपिया में पड़त बा. सबसिडी के चरचा त अइसे … Read more

Loading

बलिया में तेल भंडार होखे के खबर गलत

( टटका खबर, सोमार, भादो अन्हरिया अष्टमी 2078 विक्रमी) बलिया शहर के हैबतपुर में जमीन का नीचे कच्चा तेल के भंडार मिले के खबर के झूठियावत ओएनजीसी साफ कहले बा कि अइसनका मीडियो रिपोर्ट एकदम वाहियात बा आ अइसनका कवनो खोज के खबर से ओएनजीसी के कवनो नाता नइखे. जान जाईं कि दू दिन पहिले … Read more

Loading

पूर्वांचली मूल के कृपाशँकर सिंह आजु भाजपा में शामिल होइहें

(टटका खबर, बुध, आषाढ़ अन्हरिया त्रयोदशी, 2078 विक्रमी) महाराष्ट्र के गृह राज्यमंत्री रहल आ मुंबई कांग्रेस के अध्यक्ष रह चुकल कृपाशंकर सिंह आजु भाजपा में शामिल होखे वाला बाड़ें. कश्मीर में अनुच्छेद 370 हटावे के विरोध करे वाली कांग्रेस से ऊ तबे इस्तीफा दे दिहले रहलें बाकिर अबहीं ले कवनो दोसरा गोल में शामिल ना … Read more

Loading

टटका खबर, बियफे, जेठ पूर्णिमा, 2078 विक्रमी

बतिआएब बाकिर हमरे कहल माने के होखी किसानन के नाम पर फर्जी आन्दोलन चलावत नेतवन का तरह कश्मीर के गुपकारो नेतवन के कहना बा कि केन्द्र सरकार ओह लोग के कहल माने तबे बतियवला के कवनो मतलब बा. महबूबा मुफ्ती के कहना बा कि पाकिस्तानो से एह बारे में बतियावल जरुरी बा. आजु पीएम आवास … Read more

Loading

आन्हर कुकुर बतासे भूंके

अमेरिका के केन्द्रीय बैंक फेड के कहना बा कि ब्याज दर में बढ़ोतरी पहिले बतावल साल 2024 से पहिलहीं 2023 में शुरु कइल जा सकेला. आ दू बरीस बाद के एह संभावित कार्रवाई के जानकारी मिलला का बाद अमेरिका समेत करीब करीब सगरी दुनिया के शेयर बाजार में गिरावट आ गइल. वइसे एकरा के एहू … Read more

Loading

टटका खबर, शनीचर, जेठ अन्हरिया दशमी, 2078 विक्रमी

मारीशस के राष्ट्रपति आ प्रधानोमंत्री रह चुकल अनिरुध जगनाथ के 91 बरीस का उमिर में 3 जून, बियफे का दिने गंगा लाभ हो गइल. उनुका सम्मान में भारत सरकार आजु शनीचर का दिने एक दिन के राष्ट्रीय शोक मनावे के एलान कइले बिया आ एह चलते राष्ट्रध्वज आधा झुका के फहरावल जाई. साथही देश भर … Read more

Loading

टटका खबर, शुक, जेठ अन्हरिया नवमी बाकी, 2078 विक्रमी

कोरोना के कहर में लगातार घटत होखे का चलते काल्हु देश में कोरोना छुताहिल मरीजन के संख्या 13 अप्रैल का बाद के सबसे कम 17 लाख 13 हजार 413 के रहल. हालांकि पिछला तीन दिन से नयका कोरोना छुताहिल मरीजन के संख्या बढ़ रहल बा आ काल्हु 1 लाख 34 हजार 154 के रहल. छुताहिल … Read more

Loading