web analytics

पैरालिम्पिक खेलन में पदक अतना कि पप्पू के पादल बन्द हो गइल

टोक्यो में होखत पैरालिम्पिक 2020 में आजु भारत का नामे दू गो अउर पदक आ गइल आ अबकी का खेल में अबहीं ले 19 गो पदक जीते के रिकार्ड बन गइल. आए दिन तरह तरह के उलजलूल पादे वाला पप्पू अब पदक जीते वाला खिलाड़ियन के बधाई दिहले बन्द कर दिहलसि. हो सकेला कि ओकरा … Read more

Loading

टोक्यो पैरालिम्पिक 2020 में भारत के 17 पदक

टोक्यो पैरालिम्पिक्स 2020 से पहिले भइल कुल पैरालिम्पिक में भारत के कुल 12 गो पदक मिलल रहुवे. बाकिर अबकी का पैरालिम्पिक में भारत कुल 17 गो पदक आजु 4 सितम्बर ले जीत चुकल बा आ अउरी पदक जीते के आस अबहीं टूटल नइखे. टोक्यो पैरालिम्पिक्स 2020 में भारत के कुल 17 गो पदक में 4 … Read more

Loading

टोक्यो पैरालिम्पिक में पदक जीते के दौर बरकरार

(टटका खबर, बुध, भादो अन्हरिया दशमी, 2078 विक्रमी) टोक्यो पैरालिम्पिक में पदक जीते के दौर बरकरार राखत भारत के मरियप्पन थंगावेलू पुरुष ऊंची कूद में 1.86 मीटर के ऊँचाई पार कर के रजत पदक जीत लिहलें. शरद कुमार एही प्रतियोगिता में 1.83 मीटर के ऊँचाई पार कर के कांस्य पदक जीतलन. मंगले का दिने भारत … Read more

Loading

टोक्यो पैरालिम्पिक 2020 खेलन में जन्माष्टमी के दिन भारत खातिर शानदार रहल

(टटका खबर, सोमार, भादो अन्हरिया अष्टमी, 2078 विक्रमी) टोक्यो पैरालिम्पिक 2020 खेलन में जन्माष्टमी के दिन भारत खातिर शानदार रहल. दू गो स्वर्ण, चार गो रजत आ एगो कांस्य पदक मिला के कुल्ह सात गो पदक अबहीं ले भारत का हिस्से आइल बा. आ एह पदकन के जीते में कई गो रिकार्डो बनल आ टूटल … Read more

Loading

ईमाम का हुड़की से हड़क गइल एनडीटीवी

(टटका खबर, सोमार, सावन अँजोरिया एकम, 2078 विक्रमी) अपना के एगो दमदार चैनल बतावे वाला एनडीटीवी चैनल एगो शरजील उस्मानी का धमकी से अतना डेरा गइल कि आपन ट्वीट हटा लिहलसि. एनडीटीवी के ट्वीट में एगो मुसलमान के कोरोना टेस्ट करावत देखावल गइल रहुवे जवना का बाद अनेके शांतिदूत ओकरा के हीक भर गरियवले आ … Read more

Loading

बीसन हजार ट्वीट #राजीव_गांधी_पनौती_था

(टटका खबर, अतवार, सावन अमावस, 2078 विक्रमी) ढेर दिन से एगो महिला पत्रकार के पनौती बतावत सोशल मीडिया गुलजार रहत रहुवे. अब पनौती होखे के ई सम्मान राजीव गाँधी के मिल गइल बा. काल्हु नीरज चोपड़ा के टौक्यो ओलंपिक में भाला फेंके के प्रतियौगिता में स्वर्ण पदक मिलते सोशल मीडिया पर हजारन लोग ई कहत … Read more

Loading

फेंक जहाँ तक भाला जाए

बधाई नीरज ! ICONIC. #IND pic.twitter.com/2kbYByNGOn— Olympics (@Olympics) August 7, 2021 This was said in 2013 by @narendramodi ji#TeamIndia #NeerajChopra #Olympics pic.twitter.com/lxqYoh12FN — Suresh Nakhua ( सुरेश नाखुआ )🇮🇳 (@SureshNakhua) August 7, 2021

Loading

खेल रत्न पुरस्कार भइल मेजर ध्यानचंद का नामे, छनछनाईल कांग्रेस

(टटका खबर, शनीचर, सावन अन्हरिया चतुर्दशी, 2078 विक्रमी) सही समय पर सही चोट करे में पीएम मोदी के कवनो सानी नइखे. जब पूरा देश हॉकी खिलाड़यन के शानदार प्रदर्शन पर उछाह में आइल बा त पीएम मोदी एलान क दिहलें कि अब खेल जगत के सबले बड़हन पुरस्कार के नाम राजीव गाँधी खेलरत्न पुरस्कार ना … Read more

Loading

भाजपा के भगतन के निराशा हाथे लागल

(टटका खबर, शुक, सावन अन्हरिया त्रयोदशी, 2078 विक्रमी) एक जमाना से देश में हर समुदाय खातिर एकही कानून बनवावे के बात करे वाली भाजपा अब अपना वादा से मुकर गइल बिया, लोकसभा में कानून मंत्री किरण रिजिजू साफ कह दिहलन कि केंद्र सरकार अबहीं देश में समान नागरिक संहिता लागू करे नइखे जात. कब ले … Read more

Loading

ओलंपिक में भारत के हॉकी टीम कांस्य पदक जीतलसि

आजु के दिन भारत के हॉकी ला ऐतिहासिक दिन बन गइल जब भारत के पुरुष हॉकी टीम टोक्यो ओलंपिक में जर्मनी के 5 बनाम 4 गोल से हरा के कांस्य पदक जीत लिहलसि. बधाई. 41 बरीस के बाद आजु के दिन आइल बा.

Loading

कोरोना के भार केरल अकेले सम्हरले बा

(टटका खबर, बियफे, सावन अन्हरिया द्वादशी, 2078 विक्रमी) देश के लिबरल मीडिया के चहेता आ बँवारा सरकार वाला इकलौता राज्य केरल आजुकाल्हु अकेलहीं अतना कोरोना मरीज रोज खोज निकालत बा जवना के मुकाबला पूरा देश मिल के नइखे कर सकत. काल्हु केरल में कोरोना के 23 हजार 676 मरीज मिललें जबकि देश के बाकी राज्य … Read more

Loading

सगरी बड़कन के मैदान में उतारी भाजपा

(टटका खबर, शनीचर, आषाढ़ पूर्णिमा, 2078 विक्रमी) गुरु पूर्णिमा का पावन पर्व पर रउरा सभे के हार्दिक अभिनन्दन. एगो बड़हन आ स्वागतजोग फैसला कइले बिया भाजपा कि अगिला साल होखे जा रहल उत्तर प्रदेश विधानसभा चुनाव में अपना सगरी बड़का नेता के मैदान में उतारी. मुख्यमंत्री, उपमुख्यमंत्री, प्रदेश अध्यक्ष, महामंत्री सभे के चुनाव लड़े के … Read more

Loading

संसद में काम ना होखे देबे के विपक्षी जिद

(टटका खबर, बुध, आषाढ़ अँजोरिया द्वादशी, 2078 विक्रमी) संसद में काम ना होखे देबे वाला विपक्षी जिद का दौरान प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी काल्हु मंगल का दिने कोविड-19 के मौजूदा हालात पर एगो सर्वदलीय बइठक कइलन जवना में कांग्रेस, माकपा, राजद, शिअद, आआपा वगैरह कुछ गोल शामिल ना भइलें. हालांकि बइठक में राकांपा, द्रमुक, बीजू जनता … Read more

Loading

हिन्दू मंदिरन के सरकारी कब्जा से मुक्त करे के कहलसि विहिप

(टटका खबर, सोमार, आषाढ़ अँजोरिया दशमी, 2078 विक्रमी) विश्व हिंदू परिषद देश भर के मंदिरन आ मठन से सरकारी कब्जा हटवावे के मांग कइले बा. काल्हु फरीदाबाद के मानव रचना विश्वविद्यालय में पूरा भइल दू दिन के केंद्रीय प्रन्यासी मंडल आ प्रबंध समिति के बइठक का आखिरी दिने हिंदू मंदिरन के सरकारी नियन्त्रण से मुक्ति … Read more

Loading

तालिबान मार गिरवलसि एगो मुसलमान फोटोग्राफर के

(टटका खबर, शनीचर, आषाढ़ अँजोरिया सप्तमी, 2078 विक्रमी) हाल का दिनन में शमशान में ड्रोन उड़ा के खींचल हिन्दूवन के जरत लाशन के फोटो खींच के चरचा में आइल जामिया मिलिया से स्नातक के पढ़ाई करे वाला मुसलमान फोटाग्राफर दानिश सिद्दीकी के अफगानिस्तान में तालिबानी मार दिहलें सँ. ट्वीटर पर एह फोटोग्राफर के लाश के … Read more

Loading

राज्यसभा में सदन के नेता बनावल गइलन पीयूष गोयल

(टटका खबर, बियफे, आषाढ़ अँजोरिया षष्ठी, 2078 विक्रमी) राज्यसभा में सदन के उपनेता के जिम्मेदारी सम्हार रहल केंद्रीय मंत्री पीयूष गोयल के प्रोमोशन क के उनुका के राज्यसभा में नेता सदन नियुक्त क दीहल गइल बा. थावर चंद गहलोत के कर्नाटक के राज्यपाल बन गइला का बाद से ई पद हो गइल रहुवे. राज्यसभा में … Read more

Loading

नेपाल में अदालती आदेश से सरकार बदली

(टटका खबर, मंगल, आषाढ़ अँजोरिया तृतीया, 2078 विक्रमी) नेपाली सुप्रीम कोर्ट अपना राष्ट्रपति के आदेश दिहलसि कि ऊ शेर बहादुर देउबा के नेपाल के प्रधानमंत्री बना दीहल जाव. बाद में देउबा नेपाल के प्रतिनिधि सभा में आपन बहुमत 30 दिन का भीतर साबित क के देखइहें. जान जाईं कि मौजूदा प्रधानमंत्री के पी शर्मा ओली … Read more

Loading

पूर्वांचली मूल के कृपाशँकर सिंह आजु भाजपा में शामिल होइहें

(टटका खबर, बुध, आषाढ़ अन्हरिया त्रयोदशी, 2078 विक्रमी) महाराष्ट्र के गृह राज्यमंत्री रहल आ मुंबई कांग्रेस के अध्यक्ष रह चुकल कृपाशंकर सिंह आजु भाजपा में शामिल होखे वाला बाड़ें. कश्मीर में अनुच्छेद 370 हटावे के विरोध करे वाली कांग्रेस से ऊ तबे इस्तीफा दे दिहले रहलें बाकिर अबहीं ले कवनो दोसरा गोल में शामिल ना … Read more

Loading

बिहारो में बने जा रहल बा जनसंख्या नियन्त्रण कानून

(टटका खबर, शनीचर, आषाढ़ अन्हरिया नवमी, 2078 विक्रमी) पश्चिम बंगाल विधान सभा चुनाव का बाद होखत पहिलका सत्र के शुरुआत बवाल से भइल. चुनाव बाद हो रहल लगातार हिंसा का विरोध में भाजपा के विधायक जय श्रीराम के नारा लगावत बइठक से बाहर आ गइलें. बाकिर ओहमें भाजपा विधायक का तौर पर मुकुल राय शामिल … Read more

Loading

ओवैसी के बात कटलन राजभर

(टटका खबर, मंगल, आषाढ़ अन्हरिया पंचमी, 2078 विक्रमी) यूपी से सौ सीट पर लड़े के ओवैसी के एलान के खंडन करत सुभासपा गोल के मुखिया ओमप्रकाश राजभर के कहना बा कि अबहीं ले भागीदारी मोर्चा में सीटन के बँटवारा पर कवनो फैसला नइखे भइल. एहसे ओवैसी के एलान महज उनुकर मनसा बतावत बा कि ऊ … Read more

Loading