web analytics

टटका खबर, वैशाख अँजोरिया अष्टमी 2079 विक्रमी, सोमार

बिहार के मशहूर होम्योपैथ डॉक्टर बी. भट्टाचार्य के काल्हु अतवार का दिने 98 बरीस का उमिर में निधन हो गइल. ऊ अपनहीं ह्रदय रोग से पीड़ित रहलन बाकिर तबहियों आखिरी समय ले मरीजन के इलाज करत रह गइलन. श्रद्धांजलि. बिहार लोक सेवा आयोग के 67वीं संयुक्त प्रारंभिक परीक्षा के प्रश्न-पत्र लीक होखे के खबर सही … Read more

Loading

उत्तर प्रदेश सरकार के मंत्रिमंडल में विभागन के बँटवारा हो गइल

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ : गृह, आवास अउऱ शहरी नियोजन, राज्य संपत्ति समेत 34 विभाग उप मुख्यमंत्री केशव प्रसाद मौर्य : ग्राम विकास विभाग, ग्रामीण अभियंत्रण, मनोरंजन कर समेत कुल 6 विभागब्रजेश पाठक : चिकित्सा शिक्षा अउऱ चिकित्सा स्वास्थ्य समेत कुल 3 विभाग. कैबिनेट मंत्री सुरेश कुमार खन्ना : वित्त आ संसदीय कार्यसूर्य प्रताप शाही : … Read more

Loading

योगी सरकार में मुस्लिम चेहरा बलिया के दानिश आजाद अंसारी

भाजपा के मुसीबत होला कि ओकरा मुसलमानन के वोट अंगुरिए पर गिने लायक मिलेला, इहां ले कि योगी के गोरखोपुर में उनुका इलाका के कई मुस्लिम बहुल बूथन पर दस दसो गो वोट नइखे मिलल. जबकि सरकार के दीहल सुविधा जम के बाँचल गइल बा मुसलमानन के. खैरात में सुविधा लीहल लीहल हराम ना होखे … Read more

Loading

छोट मन वालन के बड़का गोल

कहल जाला कि दुनिया के सबले बड़हन राजनीतिक गोल हवे भाजपा. बाकिर काल्हु आदित्यनाथ योगी के मुख्यमंत्री का पद पर किरिया धराई का मौका पर जवन देखे के मिलल तवना से इहे कहल जा सकेला कि एह बड़हन गोल के चलावे वालन के मन बहुते छोटहन सोच वाला बा. पुराणन में बतावल गइल बा कि … Read more

Loading

बलिया में तेल भंडार होखे के खबर गलत

( टटका खबर, सोमार, भादो अन्हरिया अष्टमी 2078 विक्रमी) बलिया शहर के हैबतपुर में जमीन का नीचे कच्चा तेल के भंडार मिले के खबर के झूठियावत ओएनजीसी साफ कहले बा कि अइसनका मीडियो रिपोर्ट एकदम वाहियात बा आ अइसनका कवनो खोज के खबर से ओएनजीसी के कवनो नाता नइखे. जान जाईं कि दू दिन पहिले … Read more

Loading

भाजपा के भगतन के निराशा हाथे लागल

(टटका खबर, शुक, सावन अन्हरिया त्रयोदशी, 2078 विक्रमी) एक जमाना से देश में हर समुदाय खातिर एकही कानून बनवावे के बात करे वाली भाजपा अब अपना वादा से मुकर गइल बिया, लोकसभा में कानून मंत्री किरण रिजिजू साफ कह दिहलन कि केंद्र सरकार अबहीं देश में समान नागरिक संहिता लागू करे नइखे जात. कब ले … Read more

Loading

कोरोना के भार केरल अकेले सम्हरले बा

(टटका खबर, बियफे, सावन अन्हरिया द्वादशी, 2078 विक्रमी) देश के लिबरल मीडिया के चहेता आ बँवारा सरकार वाला इकलौता राज्य केरल आजुकाल्हु अकेलहीं अतना कोरोना मरीज रोज खोज निकालत बा जवना के मुकाबला पूरा देश मिल के नइखे कर सकत. काल्हु केरल में कोरोना के 23 हजार 676 मरीज मिललें जबकि देश के बाकी राज्य … Read more

Loading

सगरी बड़कन के मैदान में उतारी भाजपा

(टटका खबर, शनीचर, आषाढ़ पूर्णिमा, 2078 विक्रमी) गुरु पूर्णिमा का पावन पर्व पर रउरा सभे के हार्दिक अभिनन्दन. एगो बड़हन आ स्वागतजोग फैसला कइले बिया भाजपा कि अगिला साल होखे जा रहल उत्तर प्रदेश विधानसभा चुनाव में अपना सगरी बड़का नेता के मैदान में उतारी. मुख्यमंत्री, उपमुख्यमंत्री, प्रदेश अध्यक्ष, महामंत्री सभे के चुनाव लड़े के … Read more

Loading

गाँवे-गाँव सचिवालय आ जिले-जिला मेडिकल कॉलेज

(टटका खबर, शुक, आषाढ़ अँजोरिया चतुर्दशी, 2078 विक्रमी) उत्तर प्रदेश के देश के नंबर वन प्रदेश बनावे में लागल मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के सरकार हर गाँव में पंचायत सचिवालय बनावे आ हर जिला में मेडिकल कॉलेज खोले के फैसला कइले बिया. हर पंचायत सचिवालय में दू आदमी के रोजगारो दीहल जाई. एक आदमी पंचायत सहायक … Read more

Loading

हिन्दू मंदिरन के सरकारी कब्जा से मुक्त करे के कहलसि विहिप

(टटका खबर, सोमार, आषाढ़ अँजोरिया दशमी, 2078 विक्रमी) विश्व हिंदू परिषद देश भर के मंदिरन आ मठन से सरकारी कब्जा हटवावे के मांग कइले बा. काल्हु फरीदाबाद के मानव रचना विश्वविद्यालय में पूरा भइल दू दिन के केंद्रीय प्रन्यासी मंडल आ प्रबंध समिति के बइठक का आखिरी दिने हिंदू मंदिरन के सरकारी नियन्त्रण से मुक्ति … Read more

Loading

देश विरोधियन खातिर आगे अइलन अरुण शौरी

(टटका खबर, शुक, आषाढ़ अँजोरिया सप्तमी, 2078 विक्रमी) देशहित का विरोध में काम आ बात करे वालन के साथ देबे ला खुल के उतरल अरुण शौरी अपना वकील प्रशान्त भूषण का मार्फत सुप्रीम कोर्ट में गोहार लगवले बाड़न कि देशद्रोह कानून के असंवैधानिक करार क देव अदालत जेहसे लोग बेखौफ हो के देश का विरोध … Read more

Loading

नेपाल में अदालती आदेश से सरकार बदली

(टटका खबर, मंगल, आषाढ़ अँजोरिया तृतीया, 2078 विक्रमी) नेपाली सुप्रीम कोर्ट अपना राष्ट्रपति के आदेश दिहलसि कि ऊ शेर बहादुर देउबा के नेपाल के प्रधानमंत्री बना दीहल जाव. बाद में देउबा नेपाल के प्रतिनिधि सभा में आपन बहुमत 30 दिन का भीतर साबित क के देखइहें. जान जाईं कि मौजूदा प्रधानमंत्री के पी शर्मा ओली … Read more

Loading

कांग्रेसो के खाता खुल गइल ब्लॉक प्रमुखी का चुनाव में

(टटका खबर, अतवार, आषाढ़ अँजोरिया एकम, 2078 विक्रमी) यूपी में कांग्रेस के नेतृत्व आजुकाल्ह प्रियंका वाड्रा का हाथ में बा. आ अपना कुशल नेतृत्व का बल पर आखिरकार ऊ कांग्रेस के खाता पंचायती चुनाव में खुलवाईए लिहली. जिला पंचायत अघ्यक्ष का चुनाव में सिफर पर सिमटल कांग्रेस आपन चार गो ब्लॉक प्रमुख जितवावे में सफल … Read more

Loading

अगिला संघ प्रमुख कवनो राष्ट्रवादी मुसलमान हो सकेला

(टटका खबर, शुक, आषाढ़ अमावस, 2078 विक्रमी) जबसे संघ प्रमुख मोहन भागवत के ऊ बयान आइल बा कि देश के हिन्दू आ मुसलमान के डीएनए एके बा तबसे हिन्दू सकपकाइल बाड़ें आ मुसलमानन में उछाह देखे के मिल रहल बा. हिन्दुवन के लागत बा कि ओह लोग के घटत आबादी आ मुसलमानन के बढ़त आबादी … Read more

Loading

पूर्वांचली मूल के कृपाशँकर सिंह आजु भाजपा में शामिल होइहें

(टटका खबर, बुध, आषाढ़ अन्हरिया त्रयोदशी, 2078 विक्रमी) महाराष्ट्र के गृह राज्यमंत्री रहल आ मुंबई कांग्रेस के अध्यक्ष रह चुकल कृपाशंकर सिंह आजु भाजपा में शामिल होखे वाला बाड़ें. कश्मीर में अनुच्छेद 370 हटावे के विरोध करे वाली कांग्रेस से ऊ तबे इस्तीफा दे दिहले रहलें बाकिर अबहीं ले कवनो दोसरा गोल में शामिल ना … Read more

Loading

आपन थूकल चाटी कि ओकर थूकल चटवाई

(टटका खबर, मंगल, आषाढ़ अन्हरिया द्वादशी, 2078 विक्रमी) भाजपा आपन थूकल चाटी कि शिवसेना से ओकर थूकल चटवाई एह पर तरह तरह के चरचा शुरु भइला के अगिले दिन काल्हु एक दर्जन भाजपा विधायकन के विधानसभा से साल भर ला निकाल बाहर कर दीहल गइल. एह लोग पर विधानसभा में बवाल काटे के आरोप बा. … Read more

Loading

यूपी जिला पंचायत अध्यक्ष चुनाव में सपा के मिलल शानदार सफलता

आजु करावल गइल जिला पंचायत अध्यक्ष चुनाव में पाँच जगहा अपना जीत के परचम लहराए वाली सपा गोल देखा दिहलसि कि अगिला साल होखे जा रहल विधानसभा चुनाव में बाजी अखिलेश का हाथे लागे वाला बा. आजु के चुनाव से साबित हो गइल कि योगी आदित्यनाथ के मजगर चुनौती देबे के बेंवत अखिलेशे का लगे … Read more

Loading

बिहारो में बने जा रहल बा जनसंख्या नियन्त्रण कानून

(टटका खबर, शनीचर, आषाढ़ अन्हरिया नवमी, 2078 विक्रमी) पश्चिम बंगाल विधान सभा चुनाव का बाद होखत पहिलका सत्र के शुरुआत बवाल से भइल. चुनाव बाद हो रहल लगातार हिंसा का विरोध में भाजपा के विधायक जय श्रीराम के नारा लगावत बइठक से बाहर आ गइलें. बाकिर ओहमें भाजपा विधायक का तौर पर मुकुल राय शामिल … Read more

Loading

तबादला करे के मौका ना मिलला से परेशान मंत्री के इस्तीफा

(टटका खबर,, शुक, आषाढ़ अन्हरिया अष्टमी, 2078 विक्रमी) बिहार सरकार में समाज कल्याण मंत्री मदन सहनी काल्हु इस्तीफा देबे के आपन ट्वीट में कहलन कि जदयू विधायक राज्य के अधिकारियन के मनमानी से परेशान बाड़ें. मंत्री का स्तर से होखे वाला तबादला पोस्टिंग अधिकारिए स्तर पर हो रहल बा. एह हालात में मंत्री बनल रहला … Read more

Loading

छूरी खरबूजा पर गिरे भा खरबूजा छूरी पर, कटाई खरबूजे

(टटका खबर, बियफे, आषाढ़ अन्हरिया सप्तमी, 2078 विक्रमी) आँख पर पट्टी बन्हले न्याय करे वाली न्यायपालिका काल्हु फैसला सुनवलसि कि देश में कोरोना से मरे वाला लोग के परिवार के मुआवजा देबे ला सरकार मजबूर बिया. सुप्रीम कोर्ट के कहना बा कि राष्ट्रीय आपदा प्रबंधन अधिनियम के धारा 12 के प्रावधान का तहत राष्ट्रीय आपदा … Read more

Loading