web analytics

ट्रेडिंग में सफलता चाहीं त नवीन पटनायक बन के रहीं

ट्रेडिंग में सफलता चाहीं त नवीन पटनायक बन के रहीं, नीतीश बने चलब त सब कुछ बिलाए वाला बा. नवीन बाबू बाजार (केन्द्र सरकार) से ना लड़सु. अगर बाजार उनुका मनमाफिक रहल त साथे चल चलीहें, ना त चुपचाप अपना काम में मगन रहीहें. दोसरे ऊ आपन पूंजी (साख, राजनीतिक लोकप्रियता) गँवावे के जोखिम ना … Read more

Loading

बड़की मछरियन के पूरा हक होला छोटकिन के खा जाए के

बड़की मछरियन के पूरा हक होला छोटकिन के खा जाए के. आ शेयर बाजार में ई कहाउत अउरी साँच साबित होला. बाजार में बड़का पूंजी वाला कम पूंजी वालन के पूंजी बहुते जल्दी अपना में मिला लेलें. बाकिर कई बेर छोटकी मछरियन के झुण्ड टूट पड़ेला आ बड़की मछरियन के जान पर बन आवेला. जइसे … Read more

Loading

ता उपर सुलतान है मत चूको चौहान : काल्हु के शेयर बाजार

चार बाँस चौबीस गज अँगुल अष्ट प्रमाण । ता उपर सुलतान है मत चूको चौहान । पृथ्वीराज चौहान से जुड़ल इतिहास में दर्ज एह कविता मे आन्हर बना दीहल गइल हिन्दू राजा पृथ्वीराज चौहान के जब तीर चलवे के मौका मिलल तब उनकर राजकवि चन्दबरदाई इहे लाइन सुनवले रहलें जवना से राजा पृथ्वीराज के पता … Read more

Loading

वायदा बाजार में थपड़िया के भाग जाए के रणनीति

अबहीं ले हम अवरोध रेखा, आधार रेखा, चाल रेखा वगैरह के जिकिर कई बेर क चुकल बानी. आ संकेतक का बारे में संकेतो दे चुकल बानी. आज सोचऽतानी कि रणनीति का बारे में कुछ बतियावल जाय. रणनीति माने कि युद्ध में कवन नीति रउरा के जीता सकेला ओकरा बारे में. काल्हु का लेख में हम … Read more

Loading

निफ्टी के पिछला साल भर के चाल-चलन : जानकारी सभ पर भारी

10 सितम्बर 2021 से 9 सितम्बर 2022 का बीच 248 दिन बाजार खुलल रहल. एहमें से 91 दिन बाजार पिछला दिन के बंदी से नीचे खुलल आ 157 दिन उपर. 0 अंक के बढ़त भा गिरावटो एही में शामिल बा. एहमें 1 अंक से 514 अंक तक के गिरावत शामिल बा. गिरावट का दिनन के … Read more

Loading

शुक 9 सितम्बर 2022 का दिने बाजार के चाल का हो सकेला

साँप निकल गइला का बाद ओकर बनावल लकीर पीटल आसान होला बाकिर जब साँप सोझा होखे तब बुझाव ना कि केने वार कइल जाव. साँप मारे का बारे में किंवदन्ती ह कि साँप के आँखि में ओकरा के मारे वाला के फोटा खींचा जाला एहसे ओकर आँखि कूचल जरुरी होला. आ आँखि कूचे के ई … Read more

Loading

सेंसेक्स भइल 37 हजारी, निफ्टिओ रिकॉर्ड स्तर पर

मुंबई 26 जुलाई (वार्ता). अर्थव्यस्था का बारे में निवेशकन में बनल सकारात्मक धारणा का चलते बैंकिंग, वित्त आ पावर समूह में भइल लिवाली का दम पर सेंसेक्स आजु पहिला बेर 37 हजार अंक के पार पहुँचे में कामयाब रहल आ आखिर में 126.41 अंक के बढ़त लेत 36,984.64 अंक के रिकॉर्ड स्तर पर बंद भइल. … Read more

Loading

काल्हु के गिरल बाजार आजु उछाह में आइल

सेंसेक्स 578 अंक त निफ्टी 197 अंक उछलल. मुम्बई 05 अप्रैल (वार्ता). अमेरिका चीन के व्यापारिक तनातनी कम होखे के खबर, विदेशी बाजारन से मिलन बढ़िया संकेत का साथही रिजर्व बैंक के नीतिगत दर में कवनो बदलाव ना भइला से आजु देश के शेयर बाजार खुशी से झूम उठल. एह सबसे उछाह में आइल लिवाल … Read more

Loading

हप्ता के ऊँचाई पर चहुँपल शेयर बाजार

मुंबई 23 फरवरी (वार्ता) कच्चा तेल का दाम में गिरावट आ निमना वैश्विक इशारा का दम पर देश के शेयर बाजार में आजु चौतरफा लिवाली रहल आ बाजार हप्ता के सबले ऊँचाई पर चहुँप गइल. घरेलू शेयर बाजार लगातार दूसरा दिने मजबूत रहल. बीएसई के सेंसेक्स 0.95 फीसदी 322.65 अंक चढ़ि के 34,142.15 अंक पर … Read more

Loading