web analytics

ट्रेडिंग में सफलता चाहीं त नवीन पटनायक बन के रहीं

ट्रेडिंग में सफलता चाहीं त नवीन पटनायक बन के रहीं, नीतीश बने चलब त सब कुछ बिलाए वाला बा. नवीन बाबू बाजार (केन्द्र सरकार) से ना लड़सु. अगर बाजार उनुका मनमाफिक रहल त साथे चल चलीहें, ना त चुपचाप अपना काम में मगन रहीहें. दोसरे ऊ आपन पूंजी (साख, राजनीतिक लोकप्रियता) गँवावे के जोखिम ना … Read more

Loading

कांवड़ यात्रा के मनाही आ बकरीद पर सगरी छूट के दोगलापंथी

(टटका खबर, अतवार, आषाढ़ अँजोरिया अष्टमी, 2078 विक्रमी) हिन्दू विरोधी गिरोहन के जीत देत वाकओवर दे दिहलसि काँवरिया संघ. सरकार के अपील मानत कांवड़िया संघ कह दिहलें कि एह साल काँवड़ यात्रा ना निकालल जाई. जान जाईं कि यूपी के काँवड़ यात्रा का खिलाफ सुप्रीम कोर्ट के एगो न्यायमूर्ति सवाल उठवले रहलें. हिन्दू त्योहारन पर … Read more

Loading

कोरोना के तिसरका लहर आवे से रोकल ना जा पाई

(टटका खबर, बुध, आषाढ़ अँजोरिया चतुर्थी, 2078 विक्रमी) देश भर के लोगन के चेतावत प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी काल्हु कहलन कि अगर सावधानी ना बरतल गइल त कोरोना महामारी के तिसरका लहर आवे से रोकल ना जा पाई. कहलन कि पर्यटन उद्योग ला त ठीक बा कि लोग हिल स्टेशनन पर उमड़ल बा बाकिर बिना मास्क … Read more

Loading

जे जान बचावे ना आइल ऊ मान बचावे का आई

भाजपा नेतृत्व एह घरी जवना कायराना अंदाज में अपना विरोधियन का सोझा नवल नजर आवत बा ओकरा से ई साफ हो गइल बा कि ओकर नेतृत्व सत्ता पावे के साधन भर मानेला अपना समर्थकन के आ काम निकलते ओकरा ओरि से आपन आँख मूंद लेबेला. पश्चिम बंगाल के चुनाव का पहिलहीं से सभही जानत रहुवे … Read more

Loading

नीतीश कुमार आजु सतवां बेर मुख्यमंत्री पद के किरिया धरीहें

मोदी सरकार में मंत्री ना बनावल गइला पर छिरियाइल यशवन्त सिन्हा के कहना बा कि नीतीश कुमार नामे भर के मुख्यमंत्री रहीहन बिहार के. भाजपा उनुका के तबले निचोड़ी जब ले ऊ बजान परान के नइखन हो जात. आजु थोड़ही देर बाद नीतीश कुमार मुख्यमंत्री पद के किरिया लेबे जात बाडन. आजु होखे वाला किरिया … Read more

Loading

बिहार का साथही देशभर के उपचुनाव में केसरिया लहर

बिहार में भाजपा गठबन्हन के जीत आ पूरा देश में भइल उपचुनाव में भाजपा के मिलल शानदार सफलता का खबर का बीच शेयर बाजार के बड़हन आ ऐतिहासिक उछाल के खबर दबा गइल. काल्हु देश के शेयर बाजार एगो नया इतिहास बनावत अबले के सबले ऊँच निशाना लगा दिहलसि. बीएसई सेंसेक्स पहिला बेत 43277 अंक … Read more

Loading

भोजपुरी पट्टी से शुक 4 सितम्बर 2020 के खबर भोजपुरी में

बिहार विधान सभा चुनाव ला चुनाव अभियान के शुरुआत जदयू के राष्ट्रीय अध्यक्ष आ बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार सोमार का दिने ऑनलाइल रैली क के करीहें. एकर जानकारी देत जदयू के आधिकारिक बोलतुआ रंजन प्रसाद यादव देत बजवलें कि जगहे जगह एकर प्रसारण कइल जाई जहाँ बिटोराइल लोग उनुकर भाषण सुनीहें. प्रदेश महासचिव शम्भूनाथ … Read more

Loading

तू हमरा थरिया में मीट खइलऽ, हम तोहरा थरिया में …

एगो पुरान कहानी सुना के एह खबर के शुरुआत कइल चाहत बानी. दू गो भाई एके साथ रहलें बाकिर एक जने मांसाहारी त एक जने शाकाहारी रहलन. एह चलते अलगा परिवार ना होखला का बावजूद दुनु जने के थरिया बरतन अलग-अलग रहुवे. एक दिन मांसाहारी भाई गलती से कहीं भा दबंगई देखावे का फेर में … Read more

Loading

राबड़ी आवास के सुरक्षा पहिले जस कइलन नीतीश कुमार

पटना 12 अप्रैल (वार्ता) बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आदेश जारी कइलन कि मुख्यमंत्री रहल राबड़ी देवी आ जेल में बन्द चारा घोटाला के सजायाफ्ता मुजरिम लालू प्रसाद यादव के आवास के सुरक्षा पहिले जस क दीहल जाव. कर्नाटक में जनता दल यूनाइटेड (जदयू) के कार्यक्रम में शामिल भइला का बाद पटना लवटल मुख्यमंत्री नीतीश … Read more

Loading

जातिवाद, फिरकावाद, भठियरपन आ गंदगी मुक्त भारत बनावे के गोहार लगवलन पीएम

मोतिहारी 10 अप्रैल (वार्ता). एहिजा के गाँधी मैदान में मंगल का दिने पीएम नरेन्द्र मोदी पूरा देश के एगो परिवार बतावत देशवासियन से गोहार लगवलन कि सभे आगा बढ़ि के जातिवाद, फिरकावाद, भठियरपन आ गंदगी मुक्त ‘स्वच्छ भारत’ बनावे का काम में लाग जाव. चम्पारण सत्याग्रह शताब्दी के समापन समारोह में ‘सत्याग्रह से स्वच्छाग्रह’ अभियान … Read more

Loading

आगि लगा के तापल चाहत बाड़ी जमालो

पटना 08 मार्च. आंध्र प्रदेश के विशेष राज्य के दर्जा ना मिलला से तेलुगू देशम पार्टी के मोदी सरकार से बगावत चारा घोटाला में जेल के सजा काटत लालू के उपदेश देबे के मौका दे दिहलसि. जेल में बन्द लालू प्रसाद के ट्विटर हैंडल से ट्वीट कइल गइल बा कि – नीतीशो अपना बॉस से … Read more

Loading

जापान यात्रा से लवटि अइलें नीतीश, कांग्रेस कहलसि छूंछे हाथ

पटना 23 फरवरी (वार्ता) बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार चार दिन के जापान यात्रा का बाद आजु पटना लवटि अइलन. पटना हवाईअड्डा पहुंचला प राज्य सरकार के मंत्री, जनता दल यूनाईटेड (जदयू) नेता लोग आ कार्यकर्तन के भीड़ गाजा-बाजा साथे उनुकर भव्य स्वागत कइलें. हवाईअड्डा पर संसदीय कार्य मंत्री श्रवण कुमार, शिक्षा आ विधि मंत्री … Read more

Loading

नीतीश कुमार जापान के प्रधानमंत्री के बिहार आवे के नेवतलन

पटना 19 फरवरी(वार्ता) बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार अपना जापान यात्रा का पहिला दिने जापान के प्रधानमंत्री शिंजो आबे से मुलाकात क के बिहार में पर्यटन के संभावनन आ बौद्ध सर्किट के विकास पर बातचीत कइलन. भारत आ जापान के बेहतर रिश्तन के उल्लेख करत कहलन कि दुनु देशन का बीच मैत्रीपूर्ण संबंध प्रधानमंत्रियन के … Read more

Loading

टटका खबर, शुक, 12 जनवरी 2018

मशहूर हिन्दी साहित्यकार प्रो0 दूधनाथ सिंह के निधन 82 बरीस का उमिर में बियफे का देर रात इलाहाबाद के एगो अस्पताल में हो गइल. प्रो0 दूधनाथ सिंह पिछला दू बरीस से प्रोस्टेट कैंसर से पीड़ित रहलीं. बलिया के सोबंथा गांव में 17 अक्टूबर 1936 के जनमल प्रो0 दूधनाथ पिंह के बलिया के पढ़ाई का बाद … Read more

Loading

टटका खबर, सोमार, 8 जनवरी 2018

बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के अपना राजनीतिक जीवन में ईमानदारी आ स्वच्छता बरते खातिर जम्मू कश्मीर सरकार का तरफ से ओकर पहिलका मुफ्ती मोहम्मद सईद पुरस्कार से सम्मानित कइल गइल बा. जनरल जोरावर सिंह आडियोरम में एगो समारोह में जम्मू कश्मीर के राज्यपाल एनएन वाहरा का हाथ से एह अवार्ड के स्मृतिफलक दीहल गइल. … Read more

Loading

टटका खबर, 26 दिसम्बर 2017

भारत के कहना बा कि पाकिस्‍तान कुलभूषण जाधव के परिवार का साथे आपसी सहमति का खिलाफ काम कइले बा. विदेश मंत्रालय के बोलतुआ रवीश कुमार कहलन कि जाधव के महतारी आ मेहरारु के मंगलसूत्र, चूड़ी आ बिन्‍दी ले भेंट करे से पहिले उतरवा लीहल गइल. आ कई बेर कहला का बादो जाधव के मेहरारु के … Read more

Loading

ना इनकर सहब ना उनकर कहब

बिहार के सीएम आ जदयू के राष्ट्रीय अध्यक्ष नीतीश कुमार आजु एक बेर फेरु रेघरिया दिहलन कि ऊ भाजपा का साथे नइखन जाए वाला आ एह तह के कवनो बात बकवास छोड़ कुछ अउर ना ह. साथही इहो कहलन कि राजद के रैली महागठबन्हन के रैली ना ह एहसे ओह रैली में जदयू के दलगत … Read more

Loading

सोनिया के भोज में ना गइलें बाकिर मोदी के भोज में शामिल हो सकेलें नीतीश कुमार

मारीशस के प्रधानमंत्री के सम्मान में काल्हु शनिचर का दिने दीहल जाए वाला पीएम मोदी के भोज में बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के शामिल होखे के उमेद बा. जबकि आजु जुम्मा का दिने सोनिया गोँधी के दीहल भोज में शामिल होखे से मना क दिहले रहलन नीतीश कुमार. हालांकि हो सकेला कि मुख्यमंत्री नीतीश … Read more

Loading

सुशासन बाबू हरदी गुरदी बोल दीहलन

आजु जब सगरी विपक्ष परेशान बा कि साल मौदी का सोझा कवना नेता के खड़ा कइल जाव त घुमा फिरा के बिहार के सीएम नीतीश कुमार के नाम आइए जात बा. बाकि आजु जब पटना के एगो कार्यक्रम में पत्रकार उनुका से एह बारे में पूछलन त कहलन कि हम अतना बूड़बक ना हईं जतना … Read more

Loading

टटका खबर, 13 फरवरी 2017, सोमार

बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार साफ क दिहलन कि नोटबंदी प प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के फैसला के दीहल उनुकर समर्थन अबहियों जारी बा आ ओकरा वापसी के बात कइल बेकार बा. कहलन कि अब बेनामी संपति का खिलाफ कार्रवाई होखल चाहीं. यूपी विधानसभा चुनाव के आखिरी दौर के चुनाव ला परचा दाखिला के तिसरका दिने … Read more

Loading