web analytics

महुआ बीनत लछमिनिया के देखनी, हर जोतत महिपाल.

महुआ बीनत लछमिनिया के देखनी, हर जोतत महिपाल. टिकठी चढ़ल अमर के देखनी, सबले नीमन ठठपाल. अब चूंकि रउरा भोजपुरी का साइट पर आइल बानी त अतना मान लिहला में कवनो हरज ना होखे के चाहीं कि रउरा उपर दीहल कहावत के माने समुझ गइल होखब. बाकिर मनला का बदला हमरा ठीक लागत बा कि … Read more

Loading

बुध 2 सितम्बर 2020 के टटका खबर भोजपुरी में

लालू प्रसाद के राजद वाला गठबन्हन में शामिल रहल हिन्दुस्तानी आवाम मोर्चा अब राजग में आ गइल बा. बुध का दिने जीतन राम माँझी राजग में शामिल हो गइलें. सुशील मोदी उनुकर स्वागत करत कहलन कि लालू के भाव खतम हो गइल बा आ एही चलते उनुका गठबन्हन में भगदड़ मच गइल बा. पहिले ऊ … Read more

Loading

टटका खबर, 13 जून 2020, शनिचर

राज्य सभा खातिर होखत चुनाव में कर्नाटक से चार गो आ अरुणांचल प्रदेश से एगो सदस्य बिना विरोध के चुना गइलें. काहे कि एहिजा ओतने लोग परचा दाखिल करुवे जतना सीट रहुवे. पिछला लोकसभा चुनाव में हारल आ पहिले पीएम रह चुकल एच डी देवेगोड्डा आ लोकसभा में कांग्रेस के नेता रहल मल्लिकार्जुन खडगे एह … Read more

Loading

चुनाव जीत मारीशस के प्रधानमंत्री पद के किरिया धइलन प्रविन्द

साल 2017 में बिना चुनाव जीतले तब के पीएम आ अपना पिता अनिरुध जगनाथ से मारीशस के कमान धरे वाला पीएम प्रविन्द कुमार जगनाथ हालही में करावल गइल चुनाव में अपना गठबन्हन के शानदार जीत दिअवला का बाद आजु 12 नवम्बर 2019 के फेरु प्रधानमंत्री बन गइलन. 7 नवम्बर के भइल चुनाव में उनुका गठबन्हन … Read more

Loading

भोजपुरी खातिर धरना दिहलें भोजपुरिया

भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता दिआवे आ अठवीं अनुसूची में शामिल करावे खातिर “भोजपुरी जन जागरण अभियान” के तत्वावधान में राष्ट्र स्तर पर चलावल जात भोजपुरी भाषा मान्यता आंदोलन के तहत आजु 14 जुलाई 2019, का दिने दिल्ली के जंतर मंतर पर बड़हन धरना प्रदर्शन कइलें देश भर से जुटल भोजपुरिया. एह धरना के अगुआ रहलन … Read more

Loading

भोजपुरी पट्टी से 10 गो खबर, 8 मई 2018, मंगल

मऊ में ट्रैक्टर ट्राली पलटला से मजदूर के मौत मऊ, 08 मई (वार्ता) मऊ जिला के मधुबन इलाका में बालू लदले एगो ट्रैक्टर ट्राली पलटला से एगो मजदूर रामपुकार गोंड (35 बरीस) के मौत हो गइल. गोरखपुर में करंट लगला से दू जने के मौत गोरखपुर, 08 मई (वार्ता) गोरखपुर जिला के गुलहरिया इलाका में … Read more

Loading

भोजपुरी पट्टी से 14 गो खबर, 21 मार्च 2018, बुधवार

सोनभद्र में ट्रक के धक्का से एक आदमी के मौत सोनभद्र, 21 मार्च (वार्ता) चोपन इलाका में कोटा ग्राम पंचायत के रानीताली के ओम प्रकाश (40) बुध का साँझ वाराणसी-शक्तिनगर सड़क पार करत रहलें जह डाला का ओर से आवत एगो ट्रक उनुका के धक्का मार दिहलसि आ ऊ गिर के ओकरा चक्का का नीचे … Read more

Loading

डांसर सपना चौधरी भोजपुरी सीखत बाड़ी

पटना 26 फरवरी (वार्ता). बिहार समेत दुनिया के कईएक देशन में बोलल जाए वाली भोजपुरी भाषा के मिठास के जादू हरियाणा के मशहूर डांसर आ रियलिटी शो ‘बिग बॉस’ फेम सपनो चौधरी पर चल गइल बा. एगो कार्यक्रम में शामिल होखे ला पहिला बेर पटना चहुंपल सपना चौधरी कहतारी कि , “भोजपुरी भाषा बहुते मीठी … Read more

Loading

भोजपुरी में लिखे वाला नवहियन के बढ़ावा

भोजपुरी के संविधान के अठवीं अनुसूची में शामिल करावे ला लोग गाजा बाजा ले के लागल रहेला. ओह लोग के सफलता ला शुभकामना करत अँजोरिया अपना तरीका से भोजपुरी के सेवा करे में लागल बिया. भोजपुरी के इस्तेमाल बढ़ावे खातिर एह काम में नवहियन के जोड़ल जरुरी बा. इहे सोच के अँजोरिया परिवार के समाचार … Read more

Loading

टटका खबर, 22 फरवरी 2017, बुध

21 फरवरी का दिने माई भासा दिवस का मौका प भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता दिआवे ला भोजपुरी जन-जागरण अभियान का बैनर तरे जंतर मंतर पर धरना दीहल लोग. साहित्य अकादमिओ दू दिन चले वाला मातृभाषा संरछन दिवस मनवलसि. एह मौका प राज्यसभा सांसद अनवर अली कहलन कि जब बहुते कम कम लोगन के भासा के … Read more

Loading

यूपी चुनाव में भोजपुरी ला संवैधानिक मान्यता के मुद्दा

भोजपुरी समाज, दिल्ली का तरफ से बोलावल एगो अनौपचारिक मुलाकात में भोजपुरी भाषी सांसदन आ पत्रकार लोग जुटल. एह मुलाकात से राय निकलल कि यूपी विधानसभा के अगिला बरीस होखे जात चुनाव में मुद्दा बनवला क जरुरत बा. बइठक में भोजपुरी समाज, दिल्ली के अध्यक्ष अजीत दूबे आ भाजपा सांसद मनोज तिबारी के सक्रिय भागीदारी … Read more

Loading

सगरी खबर भोजपुरी में (मंगल 14 जुलाई 2015)

भोजपुरी का संगे हिन्दी वालन के धोखा कइल अबहियों जारी बा आ एकरा के एकर मान्यता देबे के सवाल पर विचार करे वाली कमिटी के रपट में कहल गइल बा कि भोजपुरी 8वीं अनुसूची में शामिल होखे के योग्यता नइखे राखत. अबहीं एह रपट पर सरकार के कवनो फैसला नइखे आइल बाकिर अबहीं ले जइसन … Read more

Loading

भाजपा अध्यक्ष राजनाथ भोजपुरी मे भाषण दिहलें

वाराणसी 20 दिसम्बर (वार्ता) विजय शंखनाद रैली मे भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष राजनाथ सिंह के ठेठ भोजपुरी मे दीहल भाषण लोग के बहुते रुचल. हालांकि बाद में उ हिंदी में बोले लगले. शुरूआत करत राजनाथ सिंह कहलन कि हम बहुते नेतवन के आ सभा देखली लेकिन एतना बड़हन सभा आजु ले ना देखली. हमार बड़ … Read more

Loading

भोजपुरी मंच ममता का खिलाफ नाकेबंदी के बात कहलसि

जमशेदपुर. 11 नवंबर (वार्ता) भोजपुरी नवचेतना मंच पश्चिम बंगाल से आलू के निर्यात प लगावल रोक हटावे के माँग कइले बा चेतवले बा कि अगर रोक ना हटावल गइल त झारखंड से बंगाल जाए वाला सब्जी आ खनिज के जाए ना दीहल जाई.

Loading

भोजपुरी के अनदेखी का विरोध में भोंजपुरी मंच दिवाली ना मनाई

जमशेदपुर 02 नवंबर (वार्ता) झारखंड मे भोजपुरी भाषा के अनदेखी का खिलाफ भोजपुरी नवचेतना मंच दीपावली पर्व ना मनावे के एलान कले बावे. मंच के महानगर इकाई के अध्यक्ष अंकित आनंद बयान जारी क के कहले बाड़न कि झारखंड में भोजपुरी के लगातार अनदेखी होखत बा. जान जाई कि हालही में झारखंड के शिक्षा मंत्री … Read more

Loading

भोजपुरी प्रकरण मे कांग्रेसी विधायको विरोध जतवले

जमशेदपुर 24 अक्टूबर (वार्ता) झारखंड राज्य शिक्षक पात्रता परीक्षा के सूची से भोजपुरी के हटावे का बारे मे दिहल राज्य के शिक्षा मंत्री गीताश्री उरांव के बयान का बाद उनुका खिलाफ कांग्रेसे के एगो कद्दावर विधायक बन्ना गुप्ता मोर्चा खोल दिहले बाड़न. जमशेदपुर पश्चिम सीट से कांग्रेस विधायक बन्ना गुप्ता अपील कइले बाड़े कि गीताश्री … Read more

Loading

भोजपुरी पर बयान खातिर झारखंड के शिक्षा मंत्री के निंदा

जमशेदपुर. 23 अक्टूबर (वार्ता) झारखंड के उपमुख्यमंत्री रहल आ वरिष्ठ भाजपा नेता रघुवर दास राज्य के शिक्षा मंत्री आ कांग्रेस नेत्री गीताश्री उरांव के ओह बयान के निंदा कइले बाड़न जवना में गीताश्री कहले रही के राज्य शिक्षक पात्रता परीक्षा के विषय सूची से भोजपुरी हटावल जाई. रघुबर दास पत्रकारन से बतियावत कहलन कि गीताश्री … Read more

Loading

बुलेट राजा मे मेहरारू के किरदार मे बाड़े रवि किशन

भोजपुरी के सुपरस्टार रवि किशन अपना आवे वाली फिलिम “बुलेट राजा” मे मेहरारू के किरदार कइले बाड़े. रवि किशन कहले कि, हम हमेशा से चुनौतीवाली भूमिका पसंद करत आइल बानी. एह फिलिम बुलेट राजा मे हम रउरा अर्द्धनारीश्वर के किरदार निभावत बानी. अइसन किरदार हम कबो नइखीं कइले. ई हमरा ला बहुते चुनौती वाला रहुवे. … Read more

Loading

भोजपुरी के अठवीं अनुसूची में शामिल करावे पर सोचत बिया केन्द्र सरकार

काल्हु लोकसभा में प्रश्नोत्तर काल में केन्द्रीय ग्रामीण विकास मंत्री जयराम रमेश राजद के प्रभुनाथ सिंह आ जदयू के शरद यादव के सवालन का जवाब में कहलन कि केन्द्र सरकार भोजपुरी आ राजस्थानी भाषा के संविधान के अठवीं अनुसूची में शामिल करे पर विचार करत बिया.

Loading

दुअर्थी गीतन के वहिष्कार करे के गोहार लगवली मालिनी

अतवार का दिने वाराणसी में अपना सम्मान में आयोजित एगो समारोह में मालिनी अवस्थी गोहार लगवली कि दुअर्थी गीतन के वहिष्कार कइल जाव. उनकर कहना रहल कि तकनीक बहुते फायदा चहँपवलसि समाज के बाकिर भोजपुरी के नुकसान करा गइल. एह तकनीकी सुविधा का चलते बड़हन पैमाना पर गीतन के बाजार बन गइल आ मौका के … Read more

Loading