web analytics

महुआ बीनत लछमिनिया के देखनी, हर जोतत महिपाल.

महुआ बीनत लछमिनिया के देखनी, हर जोतत महिपाल. टिकठी चढ़ल अमर के देखनी, सबले नीमन ठठपाल. अब चूंकि रउरा भोजपुरी का साइट पर आइल बानी त अतना मान लिहला में कवनो हरज ना होखे के चाहीं कि रउरा उपर दीहल कहावत के माने समुझ गइल होखब. बाकिर मनला का बदला हमरा ठीक लागत बा कि … Read more

Loading

जो घर जारे आपना, चले हमारे साथ.

भोजपुरी के आदिकवि संत कबीरदासजी के एगो मशहूर दोहा से आजु के लेख शुरू कर रहल बानी – कबिरा खड़ा बाजार में लिये लुकाठी हाथ जो घर जारे आपना, चले हमारे साथ. पता ना ओह जमाना में शेयर बाजार रहुवे कि ना बाकिर एह दोहा के शेयर बाजार खातिर इस्तेमाल कइला में कवनो दिक्कत नइखे … Read more

Loading

सगरी उमिरिया छछनत जियरा कइसे तोहके पाईं

भोलानाथ गहमरी जी के रचल एगो निर्गुन बहुते मशहूर रहल बा. आजु के शुरुआत ओकरे से करत बानी. कवने खोतवा में लुकइलू आहि रे बालम चिरई, आहि रे बालम चिरई. बन बन ढुंढली, दर दर ढुंढलीं, ढुंढलीं नदी का तीरे, साँझ के ढुंढली, राति के ढुंढली, ढुंढली होत फजीरे जन में ढुंढली, मन में ढुंढली, … Read more

Loading

धीरज, धरम, मित्र, अरु नारी ट्रेडिंग काल परखिए चारि

एह लेख के मथैला रउरा के बताइए दिहले होखी कि एह पुरान कहाउत के इस्तेमाल हम शेयर ट्रेडिंग का संदर्भ में करे जा रहल बानी. अब आगा बढ़े से पहिले इहो जान लीहल जरुरी बा कि शेयर ट्रेडिंग का संदर्भ में धीरज, धरम, मित्र, अरु नारी केकरा के कहल गइल बा. सबले पहिले हम धरम … Read more

Loading

ट्रेडिंग में सफलता चाहीं त नवीन पटनायक बन के रहीं

ट्रेडिंग में सफलता चाहीं त नवीन पटनायक बन के रहीं, नीतीश बने चलब त सब कुछ बिलाए वाला बा. नवीन बाबू बाजार (केन्द्र सरकार) से ना लड़सु. अगर बाजार उनुका मनमाफिक रहल त साथे चल चलीहें, ना त चुपचाप अपना काम में मगन रहीहें. दोसरे ऊ आपन पूंजी (साख, राजनीतिक लोकप्रियता) गँवावे के जोखिम ना … Read more

Loading

बियफे 22 सितम्बर 2022 का दिने खातिर चुनल शेयर

बियफे साप्ताहिक सलटान के दिन होला एहसे सम्हरिए के रहे के बा. दोसरे अमेरिका से का संकेत आवत बा एकरो पर बहुत कुछ निर्भर रही. 1. ITC 340.00 का आसपास मिल जाव त लीहल जा सकेला. स्टॉपलॉस 327.60 के रही. बुध का दिने ई 336.00 पर खुल के 345.20 के हाई आ 335.50 के लो … Read more

Loading

बुध 21 सितम्बर 2022 का दिन ला कुछ चुनल शेयर

रोज का तरह पहिले एकर लेखा-जोखा कर लिआव कि आजु मंगल का बारे में हमार अनुमान कइसन रहल – 1. IDEA केनिओ ना गइल. 2. PNB 40.00 का उपर खुलल आ 41.30 ले गइल. लक्ष्य का पहिलहीं टें बोल गइल बाकिर तबो 2 फीसदी के मुनाफा लेबे के संभावना रहुवे. 3. ZOMATO 64.00 का उपर … Read more

Loading

मंगल 20 सितम्बर 2022 का दिन ला कम दाम के कुछ शेयर अनुमान

मंगल का बारे में बतिआवे से पहिले ई देखल जाव कि सोमार खातिर दीहल अनुमान कइसन रहल – 1. ZOMATO – उपरी सीमा पार त कइलस बाकिर स्टॉप लॉस हो गइल. 2. IDEA – दुनु ओर गुंजाइश बनल बाकिर दुनु ओर स्टॉप लॉस हो गइल. 3. PNB – उपरी सीमा पार कइला का बाद करीब … Read more

Loading

सोमार 19 सितम्बर 2022 का दिने कम दाम के कुछ शेयरन का बारे में अनुमान

शेयर चुने के आधार – स्क्रीप निफ्टी-200 में शामिल होखे. पिछला दिन के आखिरी दाम 200 रुपिया भा ओकरा नीचे के होखे. कम से कम सौ करोड़ रुपिया के सौदा भइल होखे. कम से कम दू करोड़ शेयर के खरीद बिक्री भइल होखे. हम ओकरा के ना त खरीद के रखले होखीं ना बेंच के. … Read more

Loading

बुध के खरीदल के आ बियफे शुक के बेचल के

शेयर बाजार में कुछ बढ़िया करे के बा त सबसे पहिले एह सवाल के जवाब खोजीं कि बुध के खरीदल के आ बियफे शुक के बेचल के. अगर एह सवाल के जवाब रउरा खोज लिहनी त राउर ट्रेडिंग के सफर मजगर रहे के बा. शेयर बाजार आ जनरल बाजार के अन्तर सबले बड़का इहे होला … Read more

Loading

ता उपर सुलतान है मत चूको चौहान : काल्हु के शेयर बाजार

चार बाँस चौबीस गज अँगुल अष्ट प्रमाण । ता उपर सुलतान है मत चूको चौहान । पृथ्वीराज चौहान से जुड़ल इतिहास में दर्ज एह कविता मे आन्हर बना दीहल गइल हिन्दू राजा पृथ्वीराज चौहान के जब तीर चलवे के मौका मिलल तब उनकर राजकवि चन्दबरदाई इहे लाइन सुनवले रहलें जवना से राजा पृथ्वीराज के पता … Read more

Loading

शुक 9 सितम्बर 2022 का दिने बाजार के चाल का हो सकेला

साँप निकल गइला का बाद ओकर बनावल लकीर पीटल आसान होला बाकिर जब साँप सोझा होखे तब बुझाव ना कि केने वार कइल जाव. साँप मारे का बारे में किंवदन्ती ह कि साँप के आँखि में ओकरा के मारे वाला के फोटा खींचा जाला एहसे ओकर आँखि कूचल जरुरी होला. आ आँखि कूचे के ई … Read more

Loading

आई आम भा जाई लबेदा

बियफे 8 सितम्बर 2022 का दिने शेयर बाजार कइसन रही एक बैर के बाति ह जब बस स्टैण्ड पर हम अपना बस के इंतजार करत रहीं. देखनी कि एगो गाहक ढाबा का दोसरा कोना से एगो गाहक काउन्टर को सोझा चहुपले रहल तब ले पीछे से आबाज आइल – खाया पिया कुछ नहीं, गिलास फोड़ा … Read more

Loading

सिरफल पाकल त कउवा के बाप के का ?

बुध 7 सितम्बर 2022 का दिने शेयर बाजार कइसन रही सिरफल पाकल त ओहसे कउवा के बाप के का ? इहे कहाउत आजु मंगल का दिने सही हो गइल. हम तो समझे थे कि बरसात में बरसेगी शराब, आई बरसात तो बरसात ने दिल तोड़ दिया. आजु का बारे में हम सोचले रहीं कि – … Read more

Loading

मंगल 6 सितम्बर 2022 के शेयर बाजार कइसन रही

आजु सबेरे जब बाजार खुलल त शुक का बंद भाव से उपर खुलल आ तुरते बढ़त के राहि ध लिहलसि. कैण्डल के पोंछ बहुते छोट रहुवे आ पुट खरीदे के कवनो जगहा ना रहल. दुपहरिया बारह बजे ले निफ्टी-50 आजु के उपरी सिरा 17680 ले चहुँपल बाकिर ओकरा बाद थथम गइल. बाकिर निचहूं गिरे में … Read more

Loading

सोमार 5 सितम्बर 2022 के बाजार कइसन रहे वाला बा

शुक का दिने निफ्टी-50 पिछलका दिन (बियफे) बनल हाई आ लो का बीचे मँड़रात रहि गइल. खुलत बेरा पुरान रुकावट, बान्ह भा अवरोध रेखा के पार त कइलसि बाकिर ओहिजा से नीचे आवे में देर ना लागल. बाद में उपरी बेरा फेरु एक बेर ओह अवरोध रेखा के पार करे के कोशिश कइलसि बाकिर पार … Read more

Loading

बियफे 1 सितम्बर 2022 के बाजार कइसन रही

एह पर बाति करे से पहिले याद कइल जरुरी बा कि पिछलका पोस्ट में हम मंगल 30 अगस्त 2022 के बाजार का बारे में का प्लान बनवले रहीं. काल्हु हम लिखले रहीं – 1) निफ्टी50 जबले 17275 आ 17380 का बीचे रही तबले कवनो सौदा ना करब. 2) अगर निफ्टी50 17380 के नीचे से पार … Read more

Loading

अटकर पचीसी : मंगल 30 अगस्त 2022 के शेयर बाजार कइसन रही

अब एहसे पहिले कि काल्हु के शेयर बाजार के बाति कइल जाव, आजु के बाजारी चाल के लेखा-जोखा ले लीहल सही रही. काल्हु हम लिखले रहीं – 1) निफ्टी50 जबले 17630 आ 17570 का बीचे रही तबले कवनो सौदा ना करब. 2) अगर निफ्टी 17650 पार कइलस त तेजड़िया बन जाएब, माने कि कॉल खरीदब. … Read more

Loading

सोमार, 29 अगस्त 2022 का दिने बाजार के ऊंट कवना करवट बइठी

कवनो माई के लाल दावा से ना बता सकसु कि बाजार के ऊंट कवना करवट बइठी. आ एही अनिश्चितता के माहौल में ट्रेडिंग करे वाला आपन आपन दाँव खेले के कोशिश करेलें. कुछ लोग के तुक्का सही बइठ जाला त कुछ लोग के बेहिसाब गलत. हमरा कहला से ई त सोचीं कि ट्रेडिंग #share_trading करे … Read more

Loading

गनीमत कहीं कि आजु शेयर बाजार बन्द रहुवे

आजु अमेरिका के जैक्सन होल मीटिंग का डरे काल्हु अमेरिका के शेयर बाजार तीन फीसदी ढिमला गइल. डाउ जोन्स में एक हजार अंक से अधिका के गिरावट देखे के मिलल. हमनिओ के बाजार जब दू दिन बाद सोमार का दिने खुली त ओह समय डाउ जोन्स के हालात आ सिंगापुर बाजार में निफ्टी के वायदा … Read more

Loading